- साल 1993 में मुंबई में बम विस्फोट करवा के सैकडों लोग के जान लेबेे आ सैकडों लोग के घवाहिल करे के दोषी याकूब अब्दुल रजाक मेमन के आखिरी विचार याचिका सुप्रीम कोर्ट मंगल का दिने खारिज कर दिहलसि. अब एह पापी के 30 जुलाई का दिने फांसी पर चढ़ा दीहल जाई. हालांकि मुसलमानन के सगरी अपराध माफ करे के पैरवीकार आखिरी दम ले एह फाँसी के रोके में लागल बाड़े. ओहनी के कहना बा कि याकूब के फाँसी से मुसलमानन का बीच गलत संदेश जाई. आ एह काम में सबले आगा बाड़न समाजवादी पार्री के अबू आजमी.
- संसद के मानसून सत्र के पहिला दिने वइसहुं कवनो खास काम होखे के उमेद ना रहुवे आ उहे भइल. राज्यसभा में काम शुरू होखते विपक्ष छाती कूटे लागल कि ओकरा मंत्रियन के इस्तीफा से कम कुछ मंजूर नइखे आ सत्ता पक्ष साफे कह दिहलसि कि कवनो हाल में कवनो मंत्री इस्तीफा नइखे देबे जात. काहे कि केहू कवनो गलत काम कइलहीं नइखे. राज्यसभा के काम चार बार रोके के पड़ल आ आखिर में काल्हु खातिर टार दीहल गइल. ओने लोकसभा के कार्यवाही दिवंगत सदस्य दिलीप सिंह भूरिया आ 13 गो पहिले सांसद रहल लोग के श्रद्धांजलि देके काल्हु तकले टार दीहल गइल. लोकसभा में विपक्ष के नौटंकी काल्हु देखे के मिली.
- भाजपा आजु कांग्रेस के खुला चुनौती दिहलसि कि कवनो मुद्दा पर चरचा करा ल. बाकिर कांग्रेस चरचा नइखे चाहत काहे कि ओकरा मालूम बा कि बात निकलेगी तो फिर दूर तलक जाएगी. एक बेर घोटाला के कागज खुले लागी त सोनियो गाँधी ले ओकर आँच चहुँप जाई. भाजपा दामादश्री के घोटाला, केरल के सोलर घोटाला, उत्तराखंड के बाढ़ राहत घोटाला, हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री वीरभद्र सिंह के आमदनी से अधिका के संपति के मामिला वगैरह बहुते मामिला खोले के मौका खोजत बिया. कांग्रेस मौक देव त पहिले. अगर राजस्थान आ मध्यप्रदेश के मामला पर चरचा होखी त देश के सगरी राज्यन के मामिला राज्यसभा में खुले लागी.
- यूपी सरकार हत्या के आरोप में उमिर कैद के सजा काटत आ राज्य के मंत्री रहल अमर मणि त्रिपाठी के पतोह के मौत के मामिला जाँच के जिम्माम सीबीआई के देबे के सिफारिश करी. पतोह के हत्या का मामिला में उनकर महतारी अपना दामाद आ अमरमणि के बेटा अमनमणि पर संदेह जतवले बाड़ी.
- यूपी के आजमगढ़ के एगो अदालत मंगल का दिने हत्या के एगो पुरान मामिला में चार गो दोषियन के उमिर कैद आ जुर्माना के सजा सुनवलसि. साल 2010 में बिलरियागंज इलाका के बिंदवल गांव में एगो आदमी के पीट पीट के मुआ दिहले रहुवे ई लोग.
- बिहार में बँवारा राजनीतिक गोलन के बोलावल बंद के असर बहुते मामूली रहल. राज्य के कुछेक जगहा बंद पूरा रहुवे ना टापुर टुपुर कुछ जगहा बंदी देखे के मिलल. कुछेक जगहा रेल लाईन आ सड़क पर धरना देके जाम जरूर लगावल लोग. पुलिस लगभग 2 सौ बंद समर्थकन के हिरासत में लिहलसि.
- सिवान जिला के सराय चौकी का लगे रांची जाए वाली एगो बस बिजली के तार से सट गइल जवना का बाद ओकरा में आग लाग गइल. एह हादसा में चार जने घवाहिल हो गइलें आ ओह लोग के इलाज सदर अस्पताल में करावल जात बा.
- पूरा आ पुख्ता सबूत ना मिलला का चलते वैशाली जिला के एगो अदालत से हत्या का मामिला में लोजपा सांसद रामा किशोर सिंह उर्फ रामा सिंह समेत दू जने के बरी क दीहल गइल. एह लोगन पर एगो समाजिक कार्यकर्ता चन्द्रमा सिंह के खून करे के आरोप रहुवे.
- केन्द्रीय रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर आज राज्यसभा के बतवलें कि केन्द्र सरकार सेना खातिर ‘वन रैंक-वन पेंशन’ योजना सकार लिहले बिया आ एकरा के लागू करे के तौर तरीका पर विचारल जात बा.
- राजीव गांधी हत्याकांड में मौत के सजा से राहत पवले सगरी दोषियन के रिहा करे का मामिला में मोदी सरकार पहिला बेर आपन राय आजु अदालत में राखत कहलसि कि राजीव गांधी के हत्यारन पर कवनो रहम ना देखावल जा सके. एह मामिला में 18 लोग के मौत भइल रहुवे आ 200 से अधिका लोग घवाहिल भइल रहुवे.
- केंद्रीय मंत्री रहल पी.के. थुंगन आ तीन जने अउर के दिल्ली के एगो अदालत धोखाधड़ी आ भठियरपन करे के दोषी मान लिहलसि जवना का बाद उनुका के हिरासत में ले लीहल गइल. एह लोग के 27 तारीख के सजा सुनावल जाई.
- तृणमूल कांग्रेस के कहना बा कि पश्चिम बंगाल विधानसभा के चुनाव ऊ अकेले लड़ी. पार्टी प्रमुख आ राज्य के मुख्यमंत्री ममता बैनर्जी आज कोलकाता में एगो जनसभा में ई बात कहली.
- बिकवाली का दबाव में शेयर बाजार में आजु बड़हन गिरावट देखे के मिलल. सेंसेक्स में 238 अंक आ निफ्टी में 74 अंक के गिरावट का साथ बाजार बंद भइल. रुपिया मंगल का दिने डालर का मुकाबले 11 पइसा मजबूत भइल आ सोना के दाम में 150 रुपिया के अउरी कमी आ गइल.
- ब्रिक्स देशन के नयका न्यू डेवलेपमेंट बैंक के आजु शंघाई में विधिवत उद्घाटन भइल. एह मौका पर चीन के वित्त मंत्री लाओ ची वेई, शंघाई के मेयर यांग शिओंग आ बैंक के अध्यक्ष एम वी कामथ मौजूद रहलें. ब्राजील, रूस, भारत, चीन आ दक्खिन अफ्रीका मिल के एह बैंक के शुरु कइले बाड़े. एकरा शुरुआती पूंजी पचास अरब डॉलर के बा जवना कुछे साल में 100 अरब डालर क दीहल जाई.
- जमात-उद-दावा के सरगना आ मुंबई हमला के मास्टरमाइंड हाफिज सईद पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ के धमकवले बा कि भारत से दोस्ती कइल महंग पड़ जाई उनुका आ पाकिस्तान खातिर. कहले बा कि बिना काश्मीर के लोग के साथे लिहले भारत संगे कवनो हाल में दोस्ती मत करे पाकिस्तान.
279 total views, 5 views today