web analytics

टटका खबर : शनिचर, 25 जुलाई 2015 (दुपहरिया)

  • आजु शनिचर का दिने बिहार चहुँपल पीएम मोदी बिहार खातिर सौगात के पिटारा लेके आइल बाड़न आ 76 हजार करोड़ के योजना के शुुरुआत करे वाला बाड़न. उनुका साथे सरकारी कार्यक्रम में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमारो मौजूद रहीहें मंच पर.
  • पीएम बनला का बाद पहिला बेर बिहार आइल नरेन्द्र मोदी आ बिहार के मुख्यमंत्री एके मंच पर अइलन आ भाषण देत घरी एक दोसरा पर तंज कसल लोग. उमेद रहे कि मोदी बिहार पैकेज के एलान कर सकेलें बाकिर कइलन ना आ कहलन कि बिहार के पचास हजार करोड़ से अधिका के पैकेज दीहल जाई बाकिर सही समय पर. कहलन त ना बाकिर शायद इशारा दिहलन कि सही हाथ में! अपना भाषण में नीतीश कहलन कि उमेद बा कि अब पीएम बिहार पर धियान दीहें त पीएम कहलन बाकिर पिछला दस बरीस में बिहार खातिर केहु सोचल काहे ना!
  • कारगिल विजय दिवस पर श्रीनगर में एगो स्मारक पर श्रद्धांजलि देत सेना प्रमुख जनरल दलबीर सिंह सुहाग कहलन कि अब सेना कबो कवनो दोसर कारगिल जइसल युद्ध ना होखे दी. मुख्य कार्यक्रम आजु शनिचर का दिने आ काल्हु अतवार के मनावल जाई.
  • शनिचर का दिने सीबीआई के दिल्ली मुख्यालय में आग लाग गइल बाकिर ओकरा के जल्दिए काबू कर लीहल गइल. एह घटना में केहु घवाहिल नइखे भइल. आग एयरकंडीशनर में लागल रहुवे.
  • सुप्रीम कोर्ट मुंबई के हत्यारा आ साल 1993 के बम विस्फोटन के दोषी याकूब मेमन के गोहार पर 27 तारीख के सुनवाई करी. याकूब चाहत बावे कि 30 जुलाई के ओकरा के लगावल जाए वाला फाँसी अबहीं टार दीहल जाव काहे कि ओकर दया याचिका महाराष्ट्र के राज्यपाल किहाँ अटकल बा. देश के सगरी मुस्लिमपरस्त नेता आ मीडिया वाले याकूब के बचावे खातिर अभियान जइसन छेड़ दिहले बाड़न.
  • दिल्ली में सरकार चलावे में आपन नाकामी देखा चुकला आआपा पार्टी अब बिहार में भाजपा का खिलाफ चुनाव प्रचार करे वाला बावे. केजरीवाल के कहना बा कि दिल्लीए का तरह बिहारो में भाजपा हारी.
  • दीघा सोनपुर रेल सह सड़क पुल के बाधा काल्हु रेलमंत्री सुरेश प्रभु आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार का बीच बातचीत का बाद सलटे के उमेद जाग गइल बा. आर ब्लाक से ले के दीघा ले रेलवे के जमीन पर फोर लेन सड़क बनावे के बात तय हो गइल आ बिहार सरकार रेलवे के जमीन का बदला धन ना जमीन देबे के तइयार हो गइल.
  • बियफे देर रात नीतीश कुमार अचके लालू का घरे चहुँप गइलन आ दुनू जने देर ले अपना में कुछ बतियावल. सुने में आवत बा कि नीतीश के ट्विट में लालू के भुजंग बतवला से नाराज लालू के मनावे खातिर गइल रहलन. बाद में लालू कहलन कि दुनू जने का बीच कवनो गलतफहमी नइखे.
  • चाय के बकाया 32 रुपिया मांगे चहुँपल चायवाला पर नाराज होके एगो मशीनरी दुकान के मालिक ओकर पिटाई कर दिहलसि. अगल बगल के लोग ओकरा के कोशिश कइल त ओहू लोग से अझुराए लागल. बाकिर भीड़ के खीस देख बाद में फायरिंग करत भाग निकलल. बाद में चहुँपल पुलिस ओकरा मोटरसाइकिल के जब्त क लिहलसि आ गोली से घवाहिल एगो आदमी के अस्पताल में इलाज करावल गइल.
  • छपरा सिवान रेल खण्ड पर बनवार ढाला का नियरा रेल लाइन टूटल देख के एगो चरवाहा ढाला पर जा के रेलकर्मचारी के खबर कइलसि जवना का बाद अमरनाथ एक्सप्रेस के लाल झंडी देखा के रोकल गइल आ गँवे गँवे पार करावल गइल आ बाद में टूटल लाइन के मरम्मत भइल.
  • सारण जिला के अमनौर में तरवारा पूर्वी टोला के हरेन्द्र प्रसाद किहां नौकर उनुका आन्हर बेटी से बिआह रचा लिहलसि. मंदिर में भइल शादी में लड़िकी के परिवारो मौजूद रहल आ गाँवे में एक कट्ठा जमीन दे के दुनू के बसा दिहले बा.
  • यूपी के मंत्री राममूर्ति वर्मा पर बलात्कार के आरोप लगावे वाली औरत अब अपना बयान से मुकर गइल बाड़ी आ मंत्री पर चलत मुकदमा अदालत से रद्द कर दीहल गइल.
  • बलिया जिला के पड़सरा के ग्राम प्रधान के 19 बरीस पुरान एगो हत्या के मामिला में पाँच बरीस के जेल के सजा सुनावल गइल बा. प्रधान के बापो के तीन बरीस के सजा सुनावल गइल बा. बाकिर तीन गो अउर आरोपियन के बरी कर दीहल गइल बा.
  • गाजीपुर में लूट के सात गो मोटरसाइकिल का संगे छह गो अपराधियन के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि बियफे का दिने. एकर जानकारी काल्हु शुक का दिने मीडिया के दीहल गइल.
  • मिर्जापुर जिला के महुगढ़ पंचायत के छतरिहा बस्ती में हुंड़ार का हमला से तीन जने घवाहिल हो गइलें. एगो घर में बन्द क के ओकरा के पिंजरा में घेरे के कोशिशो कइलसि वन विभाग बाकिर ऊ उछाल मार के बहरा भाग गइल आ फेरू पकड़ में ना आइल.
  • मऊ के सिटी मजिस्ट्रेट के आफिसे में बइठ के ओहिजे से गाहक फँसावे वाला फर्जी जेई के जिलाधिकारी पकड़ लिहलें आ ओकरा के जेल भेज दीहल गइल. पकड़ाइल आदमी भटकुँआ के अनीस हवे जे नक्शा पास करावे वगैरह के काम करावे के झाँसा देके लोग के बुड़बक बनावत रहुवे.
  • यूपी के निलंबित आईपीएस आफिसर अमिताभ ठाकुर के दीहल मुलायम सिंह यादव का खिलाफ शिकायत के बेबुनियाद बतावत हजरतगंज थाना खारिज कर दिहलसि. आ ई त अमिताभो ठाकुर के उमेद ना रहल होखी कि यूपी के कवनो पुलिस अधिकारी मुलायम सिंह यादव का खिलाफ शिकायत के सही मान ली. पुरान कहावत ह कि जवना थरिया में खाइल जाला ओकरा में छेद ना कइल जाव.
  • न्यूजहंट पर खबर आवे में समय लागेला एहसे रउरा सभे से निहोरा बा कि टटकाखबर tatkakhabar.com पर जाए के आदत डाल लीं.

 488 total views,  5 views today

%d bloggers like this: