Go to ...
RSS Feed

टटका खबर : अतवार, 26 जुलाई 2015 (उपरी बेरा)


  • तृणमूल कांग्रेस ना हेने रही ना होने. भूमि अधिग्रहण विधेयक से ऊ एकदम अलगा रहे के एलान कइले बिया. ओने बीजू जनता दल चाहत बावे कि कानून में सहमति प्रावधान आ सामाजिक प्रभाव विश्लेषण प्रावधान फेरू शामिल क लीहल जाव.
  • अदालत से बरी हो गइला का बावजूद बीसीसीआई आईपीएल स्पॉट फिक्सिंग घोटाला का चलते तीन गो खिलाड़ियन – एस. श्रीसंत, अंकित चव्हाण अउर अजित चंदीला – के खेले पर लगावल रोक अबहीं जारी राखी. श्रीसंत आ चव्हाण पर भर जिनिगी के रोक लगावल गइल बा बोर्ड का तरफ से.
  • आसाराम बापू का मामिला में गवाह कृपाल सिंह के हत्या का केस में एगो आदमी के शाहजहांपुर से गिरफ्तार कइले बिया. एकरा के पर साल पीड़िता के भाई के धमकावे का आरोप में गिरफ्तार कइल गइल रहुवे बाकिर ऊ बाद मे जमानत पर छूट गइल रहुवे.
  • मध्य प्रदेश में व्यापमं घोटाला के सीटीमार प्रशांत पांडेय के पत्नी के शनिचर का दिने पूछताछ खातिर कुछ देर ला इंदौर पुलिस हिरासत में ले लिहुवे. मेघना पांडे का लगे दस लाख रुपिया मिलल जवना के जरिया ऊ नइखी बतावत. पुलिस के शक बा कि ई हवाला के रुपिया ह. ओने सीटीमार प्रशांत पाण्‍डेय के कहना बा कि पुलिस अनेरे ओह लोग के परेशान करत बिया आ ई रुपिया मकान खरीदे खातिर बैंक से निकालल गइल रहे.
  • ओडिशा में, भगवान जगन्नाथ, बलभद्र आ देवी सुभद्रा के रथ आजु बहुड़ा यात्रा खातिर निकले वाला बा पुरी में. भगवान लोग आ देवी के दर्शन खातिर श्रद्धालु गुंडिचा मंदिर पहुंचल बाड़ें. बहुड़ा यात्रा तीनों लोग के रथन के गुंडिचा मंदिर से जगन्नाथ मंदिर के वापसी यात्रा होला. इहो एकदम से रथयात्रा का तरह होला. साँझ 4 बजे से रथ के खींचल शुरू करीहें भक्त लोग.
  • सारन जिला के मशरख पुलिस दू गो शातिर चोरन के पकड़ लिहलसि जवन दुकानन के ताला तूड़ के चोरी करत रहलें. दुनू के जेल भेज दीहल गइल बा. दुनू के हंसापीर गाँव में पकड़ल गइल.
  • सारण जिला के जलालपुर इलाका के संवरी बाजार में एगो बिआहल लड़िकी अपना प्रेमी संगे भाग गइल बिया. पुलिस दुनू के दू दिन का भितरे ध लेबे के बात कहले रहुवे बाकिर लड़िकी के बरामदगी अब ले ना होखला का चलते गाँव में तनाव पसरल बा. पुलिस गांवे में कैंप कइले बिया.
  • आजु अपना मन के बात बतियावत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देश के लोग से करगिल विजय दिवस आ सड़क सुरक्षा का बारे में बतियवलन. कहलन कि एह साल बरखा ठीक भइल बा आ आ पिछला फसलो बढ़िया भइल बा जवना खातिर किसानन के बधाई देत बानी.
  • बकबकवा बिहारी बाबू तिकवत बाड़न कि उनकर बयान भाजपा के बर्दाश्त होखत बा कि ना. नीतीश से आपन पुरान याराना बतावत बिहारी बाबू कहलन कि नीतीश से मुलाकात अपना निजी हैसियत से करेलें आ पूरा मन से अपना पार्टी के साथे बाड़ें. बिहारी बाबू के सपना बा कि बिहार के मुख्यमंत्री बना दीहल जाव भा केन्द्र में कवनो बड़का मंत्री काहे कि ऊ बहुते लोकप्रिय बाड़ें जनता में.
  • राजनीति में लबारी करे वाला लालू प्रसाद पीएम मोदी के करिया नाग बतावत कहलन कि एकरा पर काबू करे लोग. कहलन कि मोदी कंस हउवन आ उनुका छाती प चढ़ के हमनी का आपन हक छीनब. जइसे कृष्ण कालिया नाग के वध कइले रहलन ओही तरह हमहू इनका के नथुनी पहिरा के विदा करब.
  • जदयू, राजद आ कांग्रेस के महागठबन्हन के कहना बा कि बिहार के चुनाव एके दिने करा लीहल जाव. ओकरा लागत बा कि एके दिन चुनाव भइला पर ऊ बाजी मार ले जाई ना त अपना धनबल आ संगठन का बल पर भाजपा के राजग फायदा उठा ली.
  • यूपी के सिद्धार्थनगर से भगा के ले आवल लड़िकी के पश्चिमी चंपारण के चिउटंहा इलाका में ओकरा प्रेमी का संगे पकड़ के थाना ले आवल गइल बाकिर लड़िकी के गुमशुदगी के शिकायत दर्ज ना रहला का चलते दुनू के बयान ले के एसपी छोड़ दिहलन.
  • सारण जिला के अमनौर इलाका के बलडीहा गाँव से एगो प्रेमी जोड़ा के पकड़ल गइल. दिल्ली से भगा के ले आइल रहुवे प्रेमी बाकिर दिल्ली पुलिस आ के दुनू जने के ले गइल.

Tags: , , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: