web analytics

टटका खबर : मंगल, 21 जुलाई 2015 (सबेर)

यूपी में सितम्बर अक्टूबर में होखे जात तीन स्तरीय पंचायत चुनावन में गड़बड़ी करे वालन पर रासुका लगावे के बात कहलें गृह विभाग के प्रमुख सचिव देवाषीश पाण्डा. एह बारे में बोलावल बइठक में तय भइल कि पिछला पंचायत चुनावन में बवाल करे वाला लोगन के चिह्न के ओह लोग पर पहिलहीं से कार्रवाई शुरु … Read more

 260 total views

टटका खबर : सोमार, 20 जुलाई 2015 (सबेर)

हाजीपुर से गाजीपुर जाए वाली नेशनल हाईवे के चार लेन के बनावे के काम शुरु होखे वाला बा. आजुकाल्हु एह सड़क पर चले वाली गाड़ियन के सर्वे हो रहल बा. हालांकि रिविलगंज में एकर का उपाय निकालल जाई इहो देखे जोग होखी काहे कि ओह इलाका में सँसरे के जगह ना मिल पावे पातर रास्ता … Read more

 287 total views

टटका खबर : अतवार, 19 जुलाई 2015 (अबेर)

संसद के मानसून सत्र में घटा घनाघोर छापे के अनेसा बढ़ गइल बा. गर्जन तर्जन का साथे बिजली कड़की बाकिर ठनका ना गिरी. घटा घेरी बाकिर बरखा ना होखी. सांसद जुटीहें बाकिर काम ना होखी. काहें कि ना त कांग्रेस पीछे हटे वाली बा ना भाजपा ओकरा दबाव से दबे वाली बा. नुकसान होखी देश … Read more

 217 total views

टटका खबर : अतवार, 19 जुलाई 2015 (सबेर)

(पिछला समाचार कड़ी से आगे) विधानसभा चुनाव के तइयारी का सिलसिला में मुख्य चुनाव आयुक्त वसीम जैदी आ चुनाव आयुक्त अचल कुमार ज्योति अगिला महीना बिहार के दौरा करे वाला बाड़े. एहिजा ई लोग राज्य के बड़का अधिकारियन से मिलिहें आ साथही राजनीतिक गोलो के प्रतिनिधियन से बतिया के तइयारी का बारे में फैसला लीहें. … Read more

 177 total views

टटका खबर : शनिचर, 18 जुलाई 2015 (अबेर)

अगिला हप्ता एक दिन के दौरा पर बिहार आवे वाला बाड़न प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी. 25 जुलाई का दिने ऊ पहिले पटना में भारतीय कृृषि अनुसंधान परिषद के स्थापना दिवस समारोह के संबोधित करीहें. फेरू आईआईटी के नया बनल भवन के उद्घाटन. पटना में पाईप लाईन से गैस आपूर्ति योजना के शिलान्यास आ दनियावां बिहारशरीफ रेलवे … Read more

 239 total views

टटका खबर : 18 जुलाई 2015 (सबेर)

17 जुलाई के अबेर संस्करण से आगे ओडिशा के पुरी में भगवान श्री जगन्‍नाथ जी के रथ यात्रा आजु हो रहल बा. एह शताब्‍दी के पहिलका नव कलेवर रथ यात्रा में शामिल होखे खातिर लाखों के संख्या में श्रद्धालु पुरी चहुँपल बाड़े. देश के बाकियो हिस्सा में कई जगहा से रथ यात्रा निकाले के खबर … Read more

 140 total views

टटका खबर : (शुक, 17 जुलाई 2015) अबेर संस्करण

राजद नेता लालू प्रसाद के कहना बा कि भाजपा के परिवर्तन रथन का जवाब में ऊ एक हजार टमटम से आपन चुनाव प्रचार शुरू करीहें. जान जाई कि राजनीतिक नौटंकीबाजी आ लबरई मे लालू के आजु ले कवनो सानी नइखे. उत्तर आ दक्खिन बिहार के जोड़े वाला पटना से सोनपुर का बीच गंगा नदी पर … Read more

 290 total views

टटका खबर : (बियफे, 16 जुलाई 2015, अबेर संस्करण)

भारत आजु पाकिस्तान के साफ चेता दिहलसि कि अगर बिना मतलब सीमा पर गोलीबारी भइल त ओकर सही जवाब दीहल जाई. कहले बा कि सीमा पर शांति बनवले राखे खातिर भारत प्रतिबद्ध बा बाकिर एकर मतलब ई ना होखे कि हमनी का अपना सुरक्षा के कमजोर क देब. एह बीच आजुओ जम्‍मू के आरएसपुरा तहसील … Read more

 205 total views

टटका खबर : सबेर (बियफे, 16 जुलाई 2015)

पता ना कवना नक्षत्र के फेर बा कि जब जब पीएम मोदी के वाराणसी दौरा के कार्यक्रम बनेला तब तब बरखा उनकर आइल मुश्किल बना देले. आजुओ उनकर वाराणसी के कार्यक्रम बा आ रातही से रुक रुक के बरखा होखत बा. आजु उनुका एगो बिजली प्रोजेक्ट आ बीएचयू के ट्रामा सेंटर के उद्घाटन करे के … Read more

 322 total views

टटका खबर : (बुध, 15 जुलाई 2015)

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आजु नई दिल्‍ली के विज्ञान भवन में स्किल इंडिया अभियान के शुरूआत कइलन. एही साथे राष्‍ट्रीय कौशल विकास मिशनो के औपचारिक शुरूआत भइल आ राष्‍ट्रीय कौशल विकास तथा उद्यमिता नीति 2015 के अनावरण कइल गइल. पीएम बतवनी कि कौशल विकास मिशन ओह विद्यार्थियन ला बा जे कवनो कारण से आपन पढ़ाई पूरा … Read more

 97 total views

टटका खबर : सुबह सबेरे (बुध, 15 जुलाई 2015)

बलिया में मंगल का दिने विकास का नाम पर बोलावल बइठक में भाजपा सांसद भरत सिंह आ सपा के राज्यसभा सांसद नीरज शेखर का बीच हाथापाई के नौबत आ गइल जब एगो सवाल पर भरत सिंह नीरज शेखर के कह दिहलन कि रउरा जाईं, रेव पार्टी करीं. बाकिर सलेमपुर से भाजपा सांसद रवीन्द्र कुशवाहा आ … Read more

 242 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (मंगल 14 जुलाई 2015)

भोजपुरी का संगे हिन्दी वालन के धोखा कइल अबहियों जारी बा आ एकरा के एकर मान्यता देबे के सवाल पर विचार करे वाली कमिटी के रपट में कहल गइल बा कि भोजपुरी 8वीं अनुसूची में शामिल होखे के योग्यता नइखे राखत. अबहीं एह रपट पर सरकार के कवनो फैसला नइखे आइल बाकिर अबहीं ले जइसन … Read more

 291 total views

बलिया न्यूज, 14 जुलाई 2015

बलिया में बिजली कटौती का खिलाफ आन्दोलन कइला का ‘अपराध’ में छात्र नेता आशुतोष पाण्डेय के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया जवना का खिलाफ छात्र आन्दोलित हो गइल बाड़े. काल्हुओ तीन गो काॅलेज में प्रशासन के पुतला फूंकाइल आ जगहे जगह प्रदर्शन भइल. पीएम मोदी के गोद लीहल गाँव जयापुर में विकास योजनन के लोकार्पण … Read more

 221 total views

छपरा न्यूज, 14 जुलाई 2015

काल्हु सोमार का दिने जाति के राजनीति करे वाला राजद आ जदयू के नेता लोग बयान दे के भा जुलूस निकाल के माँग कइल कि जाति के गिनिती वाला आंकड़ा के जगजाहिर करा दीहल जाव. सरकार अबहीं एहसे इन्कार नइखे कइले बाकिर चूंकि अबहीं ले जनगणना के आंकड़ा के सही आकलन बाकी बा एहसे जाति … Read more

 255 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 13 जुलाई 2015)

पाकिस्‍तान नइखे चाहत कि भारत का साथे ओकर संबंध सुधरो. पहिले त ओकर विदेश मंत्री कहलन कि कश्मीर का बिना भारत से बाते ना कइल जाई. आ फेरू पाकिस्तान सरकार का ओर से कहल गइल कि साल 2008 के मुंबई आतंकी हमला का बारे में अउरी आ पुख्ता सबूतन के जरुरत बा. भारत का तरफ … Read more

 388 total views

बलिया न्यूज : 13 जुलाई 2015

‘मुए’ से पहिलहीं मर चुकल रहली अमरमणि त्रिपाठी के पतोहु. सड़क हादसा में सारा के मौत के खबर ले के थाना चहुँपल अमनमणि त्रिपाठी के ओहि दिने पकड़ के जेल मे डाल दिहले रहुवे पुलिस. अब पोस्टमार्टम में बतावल गइल बा कि सड़क हादसा होखे का पहिलहीं सारा के फेफड़ा जख्मी रहुवे आ छाती के … Read more

 246 total views

छपरा न्यूज : 13 जुलाई 2015

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 25 जुलाई के आईआईटी, पटना के बिहटा वाला नयका कैपस के उद्घाटन करे आवत बाड़े आ ओही दिने एस के मेमोरियल हाॅल में भारतीय कृृषि अनुसंधान परिषद के सालाना बइठको के संबोधित करीहें. मुजफ्फरपुर से भाजपा के चुनावी शंखनाद ओही दिने करे वाला बाड़न पीएम. भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह 16 … Read more

 139 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 12 जुलाई 2015)

प्रधानमंत्री रूस आ मध्य एशिया के पांच देशन के यात्रा का आखिरी दौर में ताजिकिस्तान चहुँप गइल बाड़न आ ओहिजा के प्रधानमंत्री कोखिर रासुलज़ोदा हवाई अड्डा पर उनुकर स्वागत कइलन. कवनो भारतीय प्रधानमंत्री पहिला बेर तजिकिस्तान के यात्रा पर गइल बाड़े. मोदी से पहिले साल 2003 में बाजपेयी जी आइल रहलें. हमेशा का तरह फेरू … Read more

 141 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (शनिचर, 11 जुलाई 2015)

समाजवादी पार्टी के मुखिया मुलायम सिंह यादव पर यूपी के एगो आईएएस अधिकारी के हड़कावे के आरोप आईएएस अमिताभ ठाकुर के पत्नी लगवले बाड़ी. अपना आरोप के बरियार करत ऊ एगो आडियो क्लिपो जारी कइले बाड़ी जवना में मुलायम सिंह जइसन आवाज में अमिताभ ठाकुर के एगो नेताजी हड़कावत बाड़न. आडियो क्लिप मीडिया में सुनल … Read more

 101 total views

बलिया न्यूज : 11 जुलाई 2015

बलिया जिला में नदियन के बढ़त पानी से किनार के लोग दहशत में आए लागल बा. गंगा में हर घंटा दू सेन्टीमीटर पानी चढल जात बा. हालांकि घाघरा के पानी दू दिन से थिराइल बा त ओहिजा के लोग राहत के साँस लेत बा. बिल्थरारोड इलाका में चैनपुर गांव का नियरा घाघरा के कटान तेज … Read more

 320 total views