web analytics

छपरा न्यूज : 11 जुलाई 2015

इसुआपुर के थानाध्यक्ष रहला का दौरान भइल संजय तिवारी के हत्या का मामिला में छपरा मंडल कारा में बंद राजन सिंह उर्फ कुश, रविरंजन कुमार उर्फ लव, रविरंजन कुमार उर्फ कल्लू, विजय कुमार आ मुन्ना चौबे के न्यायिक दंडाधिकारी शक्तिधर भारती के न्यायालय में शुक का दिने कड़ा सुरक्षा का बीच पेश कइल गइल आ … Read more

 300 total views

लालू गबड़ा गइलें आ नीतीश घबड़ा ग‎इले

मानीं त विधान परिषद के 24 गो सीट खातिर करीब पूरा बिहार में करावल गइल चुनाव विधानसभा चुनाव से दू महीना पहिले करावल सर्वेक्षण कहल जा सकेला. अतना बढ़िया सैम्पल शायदे कवनो सर्वे में होला जवना में समाज के हर वर्ग, हर उमिर, आ हर तरह के लोग शामिल रहल. परिषद चुनाव के वोटर कवनो … Read more

 261 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (शुक, 10 जुलाई 2015)

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आ पाकिस्‍तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ आजु ऊफा में आपस में बतियवलें. नवाज शरीफ अगिला साल पाकिस्तान में होखे जा रहल सार्क शिखर सम्मेलन खातिर मोदी के नेवता दिहलन जवना के मोदी सकार लिहलन. अब अगिला साल पीएम मोदी पाकिस्तान के यात्रा करे ला तइयार हो गइल बाड़न. आजु के बातचीत के … Read more

 122 total views

बलिया न्यूज : 10 जुलाई 2015

सदर कोतवाली के महावीर घाट हनुमान मंदिर का नियरा बियफे का साँझ मोटर साइकिल सवार दू गो बदमाश मोहन छपरा गांव के प्रधान सुरेंद्र प्रसाद बाइक पर पीछै बइठल प्रापर्टी डीलर विजय ठाकुर के गोली मार के भाग परइलें सँ. ठावें पर उनकर मौत हो गइल बाकिर लथपथ देह लेके लोग जिला अस्पताल चहुँपल जहाँ … Read more

 371 total views

छपरा न्यूज : 10 जुलाई 2015

राहुल सांस्कृत्यायन के शब्दन में भोजपुरी के शेक्सपीयर भा अनगढ़ हीरा कहाए वाला लोककलाकार भिखारी ठाकुर के आजु पुण्यतिथि ह. आजु के दिन भोजपुरी समाज के समस्या पर एगो सहज नजर राखे वाला आ ओकर सहजे समाधानो सुझावे वाला भिखारी ठाकुर के हार्दिक श्रद्धांजलि. लोकमन के कुशल चितेरा भिखारी के जनम सारण जिला के कोटवा … Read more

 157 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (बियफे, 9 जुलाई 2015)

रूस का उफा में ब्रिक्‍स देशन के नेता लोग के समहर बइठक पूरा हो गइल. एह बइठक में पीएम मोदी कहलन कि संयुक्‍त राष्‍ट्र में समयबद्ध तरीका से सुधार कइल जरूरी हो गइल बा. कहलन कि आतंकवाद से लड़ाई में सगरी देशन आ ब्रिक्‍स देश, संयुक्‍त राष्‍ट्र वगैरह संगठनन के एकजुटता जरुरी बा. संयुक्‍त राष्‍ट्र … Read more

 90 total views

बलिया न्यूज : 9 जुलाई 2015

बलिया काल्हु अपना दाढ़़ी बाबा युवा तुर्क आ देश के प्रधानमंत्री रहल स्व. चंद्रशेखर के जयन्ती मनवलसि आ कई जगहा एकर कार्यक्रम आयोजित भइल. बलिया जिला में कमाई करत झोला छाप डाक्टरन के धरे पकड़े खातिर एगो टीम बनावल गइल बा जवना में एसडीएम, सीओ अउर ओह इलाका के डिप्टी सीएमओ रहीहें. फर्जी कंपनी खोलके … Read more

 281 total views

छपरा न्यूज : 9 जुलाई 2015

बुध का दिने सारण प्रमंडल में ठनका गिरला से पाँच लोग के मौत हो गइल आ दस जने झँउस गइलन. घटना परसा के डेरनी थाना के खोजौली गाँव, पानापुर के मुड़वा गाँव, आ सिवान जिला के हसनपुरा के छोटकी टड़िला में भइल. बिहार सरकार जेपी आन्दोलन के सेनानियन के पेंशन दुगुना करे के एलान कइले … Read more

 269 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (बुध, 8 जुलाई 2015)

मध्य एशिया के देशन के यात्रा पर निकलल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मुलाकात पाकिस्तानी पीएम नवाज शरीफ से उफा में हो सकेला जवन 10 जुलाई के होखे वाला शंघाई सहयोग संगठन (एससीओ) शिखर बैठक से फरका होखी. दुनू जने एह सम्मेलन में शामिल होखे वाला बाड़ें. अलग बात बा कि अबहीं ले एह मुलाकात के … Read more

 310 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (मंगल, 7 जुलाई 2015)

बिहार में आजु भइल विधान परिषद के 24 गो सीटन ला मतदान में करीब 94 फीसदी वोट पड़े के खबर बा. वोट गिने के काम 10 जुलाई के होखी. आजु पटना के एगो मतदान केन्द्र पर वोट डाले आइल मंत्री ललन सिंह आ पीके शाही पर एफआइआर दर्ज कर लीहल गइल जवना के जानकारी मिलला … Read more

 299 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 6 जुलाई 2015)

पटना के पटन देवी मंदिर से पूजा कर के लवटत बलिया जिला के बैरिया इलाका के पाँच लोग के तब मौत हो गइल जब ओह लोग के ले के आवत जाईलो वाहन पर सीमेंट लादल एगो ट्रक पलट ग‎इल. एहमें से चार लोग के अंतिम संस्कार काल्हु अतवार के साँझ गंगा किनारे कइल गइल आ … Read more

 218 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 5 जुलाई 2015)

प्रधानमंत्री मोदी आजु डिजिटल डायलॉग के तहत तकनीक में रूचि राखे वालन का साथे डिजिटल इंडिया पहल का बारे में बतियइहें. तकनीकि जानकारी राखेवाला लोग आजु प्रधानमंत्री से फेसबुक, ट्विटर अउर लिंक्ड-इन पर हैश टैग डिजिटल डायलॉग के इस्तेमाल क के सवाल पूछ सकीहें. ललित मोदी विवाद अचके में तब दबा दीहल गइल जब ओहमें … Read more

 95 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (शनिचर, 4 जुलाई 2015)

अस्सी बरीस बाद देश में भइल जाति आधारित जनगणना के रिपोर्ट काल्हु शुक का दिने वित्त मंत्री अरुण जेटली ग्रामीण विकास मंत्री चौधरी बीरेन्द्र सिंह के मौजूदगी में जारी कर दिहलें. बाकिर एह रिपोर्ट में जाति के जिकिर नइखे भइल. एह आंकड़न से देश में पसरल गरीबी का बारे में जरूरी जानकारी मिलल बा आ … Read more

 77 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (शुक, 3 जुलाई 2015)

कांग्रेस के बड़का नेता हंसराज भारद्वाज के कहना बा कि नरेन्द्र मोदी से मुकाबला कइल कांग्रेस के बूता का बहरी के बात बा आ राहुल गाँधी के हकीकत के पते नइखे. मौजूदा दौर में कांग्रेस बहुते कमजोर हो गइल बिया. महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री के जाए वाला हवाई जहाज उड़े में भइल देरी आ गृह राज्य … Read more

 221 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (बियफे, 2 जुलाई 2015)

बाकी हर मुद्दा पर विरोध के राजनीति करे वाला सांसद लोग आपन तनखाह आ भत्ता बढ़ावे का मुद्दा पर हमेशा एकराय होखेला. अब फेरू सांसद लोग के तनखाह दुगुना करे के बात चलत बा आ पुरनका सांसद लोग के पेंशन 75 फीसदी करे के बात कहल जात बा. संसद के समिति एकर सलाह दे दिहले … Read more

 250 total views

सगरी खबर भोजपुरी में (बुध, 1 जुलाई 2015)

ग्रीस के करजा समस्या के कवनो हल अबही ले नइखे निकल पावल. आजु यूरोपीय संघ के वित्त मंत्री लोग फेरू एह समस्या के राह निकाले खातिर चरचा करी लोग. कोशिश बा कि ग्रीस के दू बरीस के मोहलत दे दीहल जाव करजा चुकावे खातिर. विश्व बैंक से लीहल करजा ना दे पावे वाला पहिलका देश … Read more

 259 total views