Archives for August 2015
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अपना मन के बात कार्यक्रम में जनता के बता दिहलन कि उनकर सरकार अब भूमि अधिग्रहण अध्यादेश के फेरू जारी ना करवाई काहे कि एह पर विपक्ष बेमतलब के हवा बना के लोग के भरमा दिहले बावे. कहलन कि किसानन के डेरइला भा भरमइला के जरूरत नइखे काहे कि सरकार अइसन कवनो
शनिचर का दिने एगो भव्य समारोह में राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी का हाथे राष्ट्रीय खेल पुरस्कार दीहल गइल. स्टार टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के राजीव गांधी खेल रत्न से नवाजल गइल. उनुका एगो पदक आ प्रमाणपत्र का साथे साढ़े सात लाख रुपिया नगदी मिलल. अउरी सम्मानित खिलाड़ियन में शामिल रहलें बैडमिंटन खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत, निशानेबाज जीतू
जम्मू कश्मीर के आर एस पुरा सेक्टर से लागल देश के सिवान पर पाकिस्तानी सेना के गोलीबारी में काल्हु शुक का दिने तीन गो नागरिक के मौत हो गइल आ 17 जने घवाहिल हो गइले. जबाबी कार्रवाई में ओनियो कई लोग के जान जाए आ घवाहिल होखे के खबर बा. जम्मू कश्मीर में शुक का
लागत बा कि बाकायदा साजिश क के देश के शांति भंग करे के कोशिश का तहत गुजरात में पटेल समुदाय के भड़कावल गइल बा. पटेलन के अगुआई के दावा करे वाला हार्दिक पटेल आआपा के केजरीवाल के नजदीकि रहल बा आ ओकरा समर्थन में अरविन्द केजरीवाल आ नीतीश कुमार खुल के सामने आ गइल बाड़े.
बिना बात भइले आ बीचे में कनेक्शन कटे से परेशान लोग के चिन्ता के आवाज देत प्रधानमंत्री एह पर चिंता जतावत अपना मंत्रियन से कहलन कि एह समस्या से निजात दिआवल बहुते जरूरी बा. साथही देश में डिजिटल क्रांति खातिर ढांचागत प्रगति पर धियान दीहल जाव. तीन साल का भीतर देश के हर गाँव के
भोजपुरी सिनेमा के राजा पवन सिंह आ राजस्थानी सिनेमा के रानी नेहाश्री पहिला बेर एगो भोजपुरी फिलिम ‘अस्सी घाट’ में दर्शकन के मनोरंजन करे आवे वाला बाड़े. राजदेव फिल्म्स के बैनर में बनत एह भोजपुरी फिलिम के निर्माता हवेंं मनोज सिंह आ निर्देशन कइले बाड़न अशोक त्रिपाठी अत्री. सोम इंटरटेनमेंट के बैनर में मुकेश जैन,
चीन आपन मुद्रा युआन के भाव का गिरवलसि कि दुनियाभर के शेयर बाजारन में हाहाकार मच गइल बा. ग्रीस के संकट से अबहीं बाजार उबरियो ना पवले रहुवे तबले सामने आ गइल चीन के बुलबुला. चीनी सामान के त गारंटी पहिलहूं ना रहुवे बाकिर अब लागत बा कि चीनो के गारंटी नइखे रहि गइल. दुनिया
सुरक्षा सलाहकारन का बीच के बातचीत पाकिस्तान का तरफ से रद्द भइला पर निराशा जतावत गृहमंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि अगर पाकिस्तान के काश्मीर मुद्दा उठावे के शौक रहुवे त ऊफा में काहे ना उठवलसि. राजनाथ सिंह इहो कहलन कि आगे के बातचीत अब पाकिस्तान का उपर बा कि ऊ बतियावल चाहत बा कि ना.
पाकिस्तान जानत बा कि ओकर एनएसए सरताज भारत के एनएसए के मुकाबले टिक ना पइहें आ बढ़िया रही कि पाकिस्तान एह बातचीत के रद्द कर देव. अबहीं भारत का लगे पाकिस्तानी आतंकवाद के जियत जागत सबूत नवेद मौजूद बा आ कराची में रहत भारत में आतंकी हमला के आरोपी दाउद के मौजूदगी के ढेरे सबूत
शुक का दिने पटना में बिहार सरकार के गेस्ट हाउस का लिफ्ट में भाजपा अध्यक्ष अमित शाह आ बिहार भाजपा के कुछ नेता लिफ्ट मे फँस गइले. चालीस मिनट बाद कार्यकर्ता आ सुरक्षा कर्मी लिफ्ट के तूड़ के एह लोग के बाहर निकललन. भाजपा एकरा के साजिश बतावत बिया जबकी लालू आ नीतीश एह घटना
भारत आ प्रशांत द्वीप समूह के देशन के मंच के दुसरका शिखर सम्मेलन शुक का दिने जयपुर में होखे जा रहल बा जवना में 14 देशन के राष्ट्राध्यक्ष आ बड़का अधिकारी शामिल होखीहें. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी शुक का दिने एह सम्मेलन के संबोधित करीहें. चोर चोरी से जाई बाकिर तुम्बाफेरी से ना. पाकिस्तान कह दिहलसि
राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के पत्नी के अंतिम संस्कार में शामिल होखे चहुँपल बांगलादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना बुध का दिने प्रधानमंत्री मोदी से भेंटो करे अइली. एह मुलाकात का समय दुनू देश के अधिकारियो मौजूद रहलन. दिल्ली के बहुते चर्चित रहल उपहार सिनेमा में आग लागे वाला घटना के मुकदमा में सिनेमा हाल के मालिक
बलिया के दुबहड़ डिग्री कालेज आ सतीश चंद महाविद्यालय के विद्यार्थी काल्हु मंगल का दिने अपना अपना काॅलेज के भ्रष्टाचार आ मनमानी का खिलाफ कलेक्ट्रेट पर प्रदर्शन कइले. एह लोग के शिकायत बा कि दाखिला खातिर मंजूर सीट घटा दीहल गइल बा आ मनमाना तरीका से नाम लिखल जात बा. रसड़ा-कासिमाबाद सड़क पर नीबू का
इलाहाबाद हाईकोर्ट मंगल का दिने एगो बड़हन फैसला सुना के सरकार आ ओकरा कर्मचारियन के जान सूखा दिहले बावे. आदेश दिहले बावे कि सरकार अपना सगरी नौकरशाहन आ कर्मचारियन ला जरूरी बना देव कि ओह लोग के पालित सरकारी स्कूले में पढ़ीहें आ जे प्राइवेट स्कूलन में पढ़ाई ओकरा तनखाह से स्कूल के फीस के
भारत आ संयुक्त अरब अमारात का बीच रक्षा आ सुरक्षा के क्षेत्र में रणनीतिक भागीदारी बढ़ावे के फैसला हो गइल बा. भारत में संयुक्त अरब अमारात बड़हन निवेश करे ला तइयार हो गइल बा. भारत आ संयुक्त अरब अमारात के तरफ से जारी साझा बयान में कहल गइल बा कि आतंकवाद के कवनो सूरत में
पुरी से लवटत घरी झारखण्ड के सरायकेला में भइल सड़क हादसा में सिवान के 14 गो कांवड़ियन के मौत पर बिहार सरकार सभका परिवार वालन के चार चार लाख रुपिया अनुग्रह अनुदान देबे के एलान कइले बिया. रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा आजु सोमार का दिने गाजीपुर सिटी टीसन पर बोलावल एगो समारोह में छपरा-बलिया-गाजीपुर-वाराणसी-इलाहाबाद रेलखंड
यूएई के दौरा पर चहुँपल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार का दिने अबू धाबी में बनल दुनिया के सबले बड़हन आ शानदार शेख जायद मस्जिद चहुँपले त ओहिजा हजारन हजार लोग के भीड़ उनका स्वागत में मौजूद रहुवे. पीएम मोदी पहिला बेर कवनो मस्जिद में चहुँपल रहले आजु. यूएई सरकारो उनका स्वागत में कवनो कोर कसर
आजादी के 68वाँ सालगिरह पर लालकिला पर झंडा फहरवला का बाद देश के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि अपना पन्द्रह महीना के अबले के शासन काल में ऊ भ्रष्टाचार प अतना कड़ाई क दिहले बाड़न कि एको पइसा के भ्रष्टाचार के आरोप उनका सरकार पर नइखे लागल. कहलन त ना बाकिर उनकर इशारा
आजु आजादी के 68वां सालगिरह का मौका पर लाल किला से देश के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहनी कि तय समय का भितरे परियोजना आ काम पूरा करावे के नया संस्कृति के शुुरूआत हो गइल बा उनका सरकार से. एक रैंक एक पेंशन पर बोलत कहनी कि जल्दिए एकर सही रूप सोझा आ जाई.
सिवान जिला के दरौंदा थाना के हड़सर गाँव से तीन दिन से लापता पांच बरीस के लड़िका के लाश पुअरा में लुकावल मिलल. केहू ओकर हत्या क के पुअरा में दबा दिहले रहुवे. काल्हु बदबू होखे लागल तब लाश निकालल गइल. 18 अगस्त का दिने पीएम मोदी पटना बक्सर फोर लेन सड़क के शिलान्यास करीहें
Older Posts››