web analytics

टटका सिनेमा : अतवार, 2 अगस्त 2015


  • ईद का मौका पर रिलीज भइल भोजपुरी फिलिम “जिगरवाला” के सफलता से सगरी बिहारे ना पूरा देशे मेंं निरहुआ आ आम्रपाली के जलवा देखे के मिलत बा. भोजपुरी के माथ स्टारन में शामिल दिनेशलाल यादव निरहुआ के फिलिमन के जुबिली मनावे के इतिहास रहल बा आ लागत बा कि जिगरवाला फिलिमो ओह इतिहास के दोहरा देखाई.
    ईद का मौका पर सगरी देश में निरहुआ-आम्रपाली के फिलिमन के जलवा रहल. बिहार-यूपी में ‘जिगरवाला’ रिकार्ड व्यवसाय कइलसि त मुंबई-बंगाल में ‘निरहुआ रिक्शावाला-2’ एतिहासिक कलेक्शन बटोरलसि आ दिल्ली-पंजाब में ‘पटना से पाकिस्तान’ अब ले के सबले बेसी कलेक्शन.
    निरहुआ आम्रपाली के जोड़ी एह घरी बाक्स आफिस पर हिट होखे के गारंटी बन गइल बा. निरहुआ आ आम्रपाली अपना प्रशंसकन से मिलल नेह से गदगद बा लोग आ कहत बा कि आगहुं अपने सभ के भरपूर मनरंजन करे में लागल रहीहें. सबले खास बात ई रहल कि जिगरवाला ओही दिने रिलीज भइल जहिया ‘बजरंगी भाईजान’ रिलीज भइल रहे आ तबो एह बालीवुड फिलिम के जबरदस्त टक्कर दिहलसि.
    आम्रपाली आ निरहुआ के जोड़ी के नईकी फिलिम होखी ‘राजा बाबू’ जवना ला सभे तिकवत बा.

  • महज नौ बरीस के उमिर में गवनई का मैदान में उतरे वाला अरविन्द के उनकर प्रशंसक कल्लू का नाम से जानेलें. अपना लाखों प्रशंसकन का बूते कल्लू आजु नवहियन के दिल के धड़कन बन गइल बाड़न. एह घरी उनुका फिलिम बलमा बिहार वाला 2 के शूटिग चलत बा आ एही बीच 26 जुलाई का दिने उनकर 18वां जनम दिन आ गइल आ यूनिट के लोग सेटे पर उनकर जनमदिन धूमधाम से मना लीहल. एह खुशगवार मौका पर कल्लू के पिताजी आ यूनिट के लोग मौजूद रहुवे कल्लू के आशीष देबे ला. एहमें अभिनेत्री पाखी हेगडे, माया यादव, अंशु तिवारी, माही, अनिल सम्राट, निर्माता रितेश ठाकुर, निर्देशक विष्णुशंकर बेलू, सिनेमाटोग्राफर रवि चन्दन, और अभिनेता कौशल शर्मा, मुन्ना, अवधेश, गाँधी वगैरह शामिल रहले.
    बतावल जात बा कि बलमा बिहार वाला – 2 में कल्लू एगो नया कलेवर में आवे वाला बाड़न अपना दर्शकन का सोझा.

  • महुआ प्लस के लोकप्रिय धारावाहिक ‘भऊजी नंबर वन’ के कुछ एपिसोड खातिर भोजपुरी सिनेमा के आइटम स्टार सीमा सिंह के जज बनावल गइल बा. बतावल जात बा कि एह काम खातिर सीमा सिंह ला एगो शानदार कास्ट्युम बनवावल गइल बा जवना पर लाखों रुपिया के खरच आइल बा. ओह दिन जब धारावाहिक के शूटिंग होखे वाला रहे त सीमा सिंह के मंच पर एंट्री बहुते शानदार तरीका से शूट भइल आ सीमा सिंह के एगो खास बनावल सिंहासन पर बइठावल गइल. ओह पर बइटल सीमा सिंह आसमान से उतरल परी लेखां लागत रहुवी. उनुका के अपना सोझा पा के बहुते लोग उनुका साथै आपन फोटू खींचावल.
    एगो जाने जोग बात इहो बा कि सीमा सिंह महुआ टीवी के शो ‘नाच नचईया धूम मचईया’ के विजेता रहल रही.

  • विराज भट्ट आ विशाल सिंह अभिनीत भोजपुरी फिलिम हथियार के चउथा शानदार हफ्ता चलत बा बिहार में. निर्देशक जगदीश शर्मा आ निर्माता राधा रामधारी के एह फिलिम में एक्शन देख के देखेवालन के रोंआ खड़ा कर देता. कहानी मरम छू लेत बावे त मधुर गीत संगीत आ साथ में भरपुर कामेडी झुमा देत बा दर्शकन के.
    हथियार फिलिम समाज में पसरल अनेके मान्यता के बखिया उघेड़त संवेदनशील तरीका से सच्चाई के पक्ष राखत बावे. एकरा कामयाबी से निर्माता निर्देशक का संगही अभिनेतो लोग बहुते खुश बा. विराज भट्ट आ विशाल सिंह के कहना बा कि लोग एह फिलिम के ढेर दिन ले याद राखी
  • janam-poster
    अबकी का रक्षा बंधन का मौका पर रिलीज होखेवाली बा मशहूर फिल्म फाइनेंसर कंपनी आदिशक्ति के फिलिम ‘जानम’ एकरा के बिहार में एके दिने एक सौ से सिनेमाघर में रिलीज कइल जाई.
    जानम के निर्माता हउवें दुर्गा प्रसाद अउर अनुज कुमार आ निर्देशित कइले बाड़न अजय झा. जानम के कलाकारन में खास खास नाम खेसारी लाल यादव आ रानी चटर्जी का साथही विराज भट्ट, पूनम दुबे, मंतोष कुमार, पलक तिवारी, अनुप अरोड़ा, अकबाल राजभर, महेश आर्चाया, सी पी भट्ट, उल्हास कोरबा, माया यादव, राहुल तिवारी, सोमभूषण, राजेश तोमर, देव सिंह, सोनू झा, वैभव राय, रजनीश पाठक अउर आयटम क्वीन सीमा सिंह के नाम लीहल जा सकेला.
    एह फिलिम का बारे में दर्शके ना ट्रेड पंडितो लोग में जबरदस्त क्रेज बा काहे कि सभे जानत बा कि आदि शक्ति के फिलिम के पुरा परिवार संंगे देखल जा सकेला. ओहपर से अजय झा के निर्देशन आ खेसारी लाल यादव , विराज भट्ट, रानी चटर्जी अउर पूनम दुबे जइसन कलाकार होखस तब का पूछे के बा!

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: