web analytics

टटका खबर : बियफे, 6 अगस्त 2015 (छपरा-बलिया)

8thschedule-leaders

  • भोजपुरी के संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल करावे के मांग ले के आजु दिल्ली में भोजपुरी के अनेके संगठन एक दिन के धरना देत बाड़ें. एह लोग के कहना बा कि मोदी सरकार भोजपुरी के मान्यता देबे में कोताही करत बिया आ आपने दीहल चुनावी वादा भुला गइल बिया.
  • बलिया जिला के बिल्थरारोड में एगो कालेजिया विद्यार्थी के कुछ बदमाश छूरा घोंप घोंप के मार दिहलें. झगडा कोचिंग में बइठे के सीट ले के भइल रहुवे जवना का बाद साँझ के कुछ बदमाश नीरज के जबरदस्ती मोटरसाइकिल पर उठा ले गइलें सँ आ ओकरा के मारपीट का बाद छूरा घोंप के मुआ दिहलन स. मामिला अब दू गो समुदाय के बन गइल रहे आ जाति मजहब देख के कानून व्यस्था बनावे के दोस लगावत लोग जगहे जगह बवाल क दीहल. पुलिस लाठी चलवलसि, रबर के गोली चलवलसि आ आंसू गैस के गोला फोडलस तब जा के हालात ओकरा काबू में आ पावल. बाकिर अगर अपराधियन के पकड़े में कोताही होखी त लोग के नाराजगी फेरी उपट सकेला. हत्या मंगल के साँझ भइल रहे आ बुध का दिन भर लोग आ पुलिस का बीच ताकत आजमाइश चलत रहल. एसपी राजू बाबू सिंह के कहना बा कि सांप्रदायिक हिंसा भड़कावे के कोशिश पुलिस नाकाम कर दिहलसि. देखल जाव कि अब हत्यारन के पकड़े आ सजा दिआवे में पुलिस का करत बिया.
  • बिहार विधानसभा में बुध का दिने जोरदार हंगामा के बीचे तीन गो विधेयक पास करा ले गइल सरकार. अब मुखिया, प्रधान आ उप प्रधानन का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पहिलका दू बरीस बितला का बाद बस एके बेर ले आवल जा सकी.
  • सारण जिला क नगरा इलाका के गौरा बाजार का लगे रात में सड़क किनारे अपना दरवाजा पर सूतल लोग के कचार दिहलसि एगो ट्क. हादसा तब भइल जब सड़क किनारे खड़ा ट्रक के पीछे से आवत एगो ट्रक धक्का मार दिहलसि आ खड़़ा ट्रक तब ओहिजा सूतल लोग पर चढ़ गइल. एह हादसा में दस बरीस के एगो लड़िका के मौत ठाँवे पर हो गइल. बाद में नाराज लोग करीब सात घंटा ले सड़क जाम कर के राखल जवना के केहू तरह पुलिस हटवलसि. दुनू ट्रक के जब्त कर लीहल गइल बा.
  • पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल के गोरखपुर से छपरा होत बरौनी ले इलेक्ट्रिक ट्रेन चलावल शुरु होखे वाला बा. एह रुट पर पहिलका इलेक्ट्रिक ट्रेन बनी मौर्य एक्सप्रेस. बरौनी से आगे ई ट्रेन पहिलहीं से बिजली पर चलेले. एहीसे एकरे के चुनल गइल गोरखपुर से बरौनी का बीच चलेवाला पहिलका इलेक्ट्रिक ट्रेन बनावे ला.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के सभा खातिर गया में बनावल जात मंच ले के भाजपा आ प्रशासन में विवाद हो गइल बा. सभा संयोजक आ केन्द्रीय मंत्री गिरिराज सिंह के कहना बा कि सभा खातिर मिलल गांधी मैदान स्टेडियम ‘मौत के कुंआ’ जस बा. देखल जाव कि जिला प्रशासन एह पर का बदलाव ले आवत बा सभा के इंतजाम करे ला. आखिरी समय मे बहुते कुछ बदले वाला नइखे इहो सभे जानत बा.
  • सुगौली के विधायक रहल चंद्रशेखर द्विवेदी के निधन बुध का दिने अमेरिका के शिकागो शहर में हो जाए के खबर मिलल बा. 80 बरीस के द्विवेदी अपना पीछे भरल पूरल परिवार छोड़ गइल बाड़़न. मोतिहारी के चितहा गांव में जनमल द्विवेदी एमआइटी मुजफ्फरपुर से सिविल इंजीनियरिंग के पढ़ाई कइलन आ बाद में गंडक प्रोजेक्ट छपरा, मुजफ्फरपुर आ भैसालोटन में काम कइलन. बाद में नागालैंड में तैनात भइलन आ साल 1970 में इस्तीफा दे के अमेरिका चल गइलन. साल 1995 के चुनाव में सुगौली से निर्दलीय जीतल रहलें.
  • मध्य प्रदेश में हरदा का नियरा मंगल रात भइल हादसा में मरे वालन के गिनिती 37 हो गइल बा आ अनेसा जतावल जात बा कि अनेके लोग के लाश बह के चल गइल होखी. काहे कि चार पाँच गो कोच पानी में डूबल रहे आ हर कोच में करीब सत्तर से सौ लोग रहेला. त बाकी लोग कहाँ गइल, सवाल उठल लाजिमी बा.
  • गोवा के पिछला कांग्रेस सरकार में लोकनिर्माण विभाग मंत्री रहल चर्चिल अलेमाओ के लुइस बर्जर घूस मामिला में गिरफ्तार कइल गइल बा. बाकिर चर्चिल के कहना बा कि ऊ बेकसूर बाड़न..
  • मलेशिया सरकार मान लिहले बिया कि रियूनियन द्वीप पर मिलल हवाई जहाज के मलवा साल 2014 में लापता हो गइल MH370 विमाने के हवे. एह विमान पर 239 लोग सवार रहुवे आ केहू के लाशो ना मिलल रहे.
  • बाप आखिर बापे होखेला. यूपी सरकार के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के उनकर पिता आ सपा मुखिया मुलायम सिंह यावद मंचे पर फटकार लगावत कहलन कि उनुका सरकार के मंत्रियन का बारे में बहुते खराब रपट मिलऽता आ समय रहते ई लोग ना सुधरल त एह लोग के हारल तय बा अगिला चुनाव में. कहलन कि समय रहते चेत जाव लोग आ अपना के सुधार लेव लोग.
  • गोताखोरी में दुनिया के चैंपियन नतालिया मोलकानोवा के पता तीन दिनों के बादो ले नइखे लागल. तीन दिन पहिले ऊ स्पेनिश द्वीप ईबिज़ा का लगे भूमध्यसागर में गोताखोरी खातिर उतरल रही आ ओकरा बादे से उनकर पता नइखे. अनेसा जतावल जात बा कि ऊ डूब गइल होखीहें.
  • केन्‍द्र सरकार मनरेगा में काम करेवालन के भुगतान अब सीधे ओह लोग के खाता में भेजे के मंजूरी दे दिहलसि. एहसे मनरेगा में होखत लूट पर काबू पावे में सहुलियत होखी आ मजदूरन के उनकर वाजिब मजदूरी मिलल करी.
  • इलाहाबाद उच्‍च न्‍यायालय उत्‍तर प्रदेश में पुलिस सब इंसपेक्‍टर पद पर बहाली खातिर चुनल 4010 लोग के बहाली पत्र देबे पर रोक लगा दिहलसि काहे कि ओकरा ई शिकायत सही लागल बा कि एह बहाली प्रक्रिया में बहुते गोलमाल भइल बा.
  • भारतीय खाद्य संरक्षा मानक प्राधिकरण के कहना बा कि ओकरा तरफ से मैगी नूडल्स के कवनो तरह के क्लीन चिट नइखे दीहल गइल.

 130 total views,  2 views today

%d bloggers like this: