- नर्मदा बचाओ आंदोलन के एगो कार्यकर्ता के कहना बा कि समय से पहिले इंदिरा सागर बांध के अधिका भरइला का चलते पानी नर्मदा नदी के पानी लवट आइल आ माचक नदी के अफना दिहलसि जवना चलते काल्हु रात वाला दू गो ट्रेन हादसा भइल आ 28 आदमी मर गइलें.
- बात के घुमा फिरा के नरेन्द्र मोदी के घेरे खातिर नीतीश कुमार के खुला चिट्ठी उनके गरदन में जा के लटक गइल जब भाजपा कहलसि कि डीएनए वाला बात लोकतंत्र खातिर कहाइल रहुवे बाकिर नीतीश जबरदस्ती ओकरा के अपना बारे में कहल बतावत बाड़ें. ओह भाषण के टेप जारी करत भाजपा सभका के बता दिहलसि कि साँच का हँ.
- यूपी के यादव सरकार नइखे चाहत कि नोएडा के चीफ इंजीनियर रहल यादव सिंह के भठियरपन के जाँच केन्द्र सरकार सीबीआई से करवावे. ओकर कहना बा कि राज्य सरकार के मंजूरी बिना अइसन ना कइल जा सके. सुप्रीम कोर्ट में एही बात के गोहार लगावत यूपी सरकार चाहत बिया कि एह बारे में हाई कोर्ट के आदेश रद्द क दीहल जाव. बाकिर सीबीआई अपना काम में लगातार लागल बिया आ बुध का दिने यादव सिंह के घर के तलाशी लिहलसि.
- लुई बर्जर घूसखोरी मामिला में गोवा के मुख्यमंत्री रहल कांग्रेसी नेता दिगंबर कामत के अदालत से सात अगस्त ले अंतरिम जमानत मिल गइल बा.
- बुध का दिने देश भर से डायन बता के सतावल जात मेहरारू दिल्ली चहुँपली आ जंतर मंतर पर आपन आवाज बुलंद करत केन्द्र सरकार से एकरा खिलाफ कानून बनावे के माँग कइली.
- जम्मू कश्मीर में जिंदा पकड़ा गइल आतंकी बार बार आपन नाम बदलत बा. पूछताछ में बतवलसि कि ऊ पन्द्रह दिन पहिलहीं अपना साथियन संगेहिन्दुस्तान चहुँप गइल रहुवे आ एहिजा के लोग ओकरा रहे खाए के इंतजाम करत रहुवे. साल 2008 का बार पहिला बेर फेर कवनो जिन्दा पाकिस्तानी आतंकी पकड़ाइल बा.
- बकबकवा बिहारी बाबू खुश बाड़न कि नीतीश कुमार उनुका के ‘बिहार के गौरव’ बतवले बाड़न. बिहारी बाबू एह घरी लगातार भाजपा के पार्ट लाइन से फरका हट के बयान देबे कें लागल बाड़न आ उनुका हर बयान से भाजपा के फजीहत होखत बा.
- बिहार के दरभंगा जिला के कुशेश्वरस्थान इलाका में बुध का दिने कमला नदी में एगो नाव पलटला का चलते तीन आदमी के मौत हो गइल आ दू गो बचवा अबहियों लापता बतावल जात बाड़ें.
- दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ के चुनाव 11 सितंबर के करावे के जानकारी दिल्ली विश्वविद्यालय का ओर से जारी हो गइल.
- अरुणाचल प्रदेश में लापता भइल हेलीकॉप्टर दुसरको दिने ना मिलल. ओह पर तीन जने सवार रहलन.
- बुध का दिने मुंबई शेयर बाजार में लतेजी के रूख रहल सेंसेक्स में 151 अंक आ निफ्टी 51 अंक चढ़ के बंद भइल.
- देश के कार कंपनी मारुति सुजुकी बुध का दिने आपन फर्स्ट क्लास के पैसेंजर कार महंगा कार में आपन पहिला क्रॉस-ओवर कार ‘एस-क्रॉस’ पेश क दिहलसि. एकर दाम दिल्ली में सवा आठ लाख से शुरू होखत बा.
- बिहार विधानसभा के मानसून सत्र के तिसरका दिने बुध के विपक्ष बिहार के दवा घोटला के जाँच करवावे के मांग करत हंगामा कइलसि.
- मुंबई के एगो अदालत से बुध का दिने इंडियन प्रीमीयर लीग के कमिश्नर ललित मोदी के खिलाफ गैर जमानती वारंट जारी हो गइल.
- जम्मू कश्मीर के उधमपुर जिला में बुध का दिने जम्मू-श्रीनगर राष्ट्रीय राजमार्ग पर बीएसएफ के काफिला पर हमला क के एगो जवान के मार दिहलें आतंकी. बाकिर बाद में जवाबी कार्रवाई में एगो आतंकी के मार गिरावल गइल आ दुसरका के जियते गिरफ्तार क लीहल गइल.
- एह साल के पहिला छह महीना में अफगानिस्तान में नाहियो त डेढ़ हजार आदमी के जान ले लीहल गइल बा.
- पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के कप्तान रहल वसीम अकरम बुध का दिने कराची में बेमतलब गोली चला के मारे के कोशिश कइल गइल बाकिर संजोग नीमन रहुवे कि वसीम बाँच गइलन.
- फ्रांस का वाटेनीज स्पोर्ट्स सेंटर में भइल दुसरका हॉकी मैच में भारत के मर्द टीम फ्रांस के 4-1 से हरा के दू मैच के सीरीज जीत लिहलसि.
- अमेरिका के लॉस एंजेलिस में पिछला 2 अगस्त के पूरा भइल स्पेशल ओलम्पिक में भारतीय खिलाड़ी देश का नाम पर 173 गो पदक जीतलें.
- चेन्नई का एम. ए. चिदंबरम स्टेडियम में बुध का दिने भइल मैच में आस्ट्रेलिया-ए दक्खिन अफ्रीका-ए के नौ विकेट से हरा दिहलसि.
386 total views, 2 views today