- शनिचर का दिन से दीघा रेल पुल पर इंजन दउड़े लागी. एकर उद्घाटन करे खातिर रेल राज्यमंत्री मनोज सिन्हा पटना अइहें आ ओही दिने पाटलिपुत्र टीसनो के उद्घाटन कर दीहें. एकरा अलावे एहीजे से 132 किमी लमहर मानपुर-तिलैया-बख्तियारपुर रेल खंड के बनावल शुरु करे खातिर शिलान्यासो करीहें, पटना जंक्शन पर बनल रेलवे सुपर स्पेशिलियटी हास्पीटल में कैथ लैब के उद्घाटनो होखेवाला बा.
- दोसरा के गोली मारे खातिर कुख्यात शूटर सतेन्द्र तिवारीए के बियफे का दिने ओकरा घर से बोलवा के गोली मार दीहल गइल आ लाश दाहा नदी में फेंक दीहल गइल. सतेन्द्र के भाई के कहना बा कि ओकर हत्या बघौनी गाँव के विश्वकर्मा बिंद करवले बा. ओकरे नाम ले के सतेन्द्र के बघौनी चल के एगो पंचयती करे के कह के लिवा गइल रहलें स दू गो मोटरसाइकिल वाला.
- जदयू नेता उपेंद्र सिंह के निजी अंगरक्षक के हत्या के मामिला में बनियापुर के राजद विधायक केदार नाथ सिंह आ दू जने अउर का खिलाफ अदालत से कुर्की जब्ती के आदेश हो गइल बा. मरे वाला अंगरक्षक बलिया जिला के गोन्हिया छपरा के रहे वाला रहुवे. घटना 17 दिसंबर 2011 के भइल रहुवे.
- सारण जिला के मांझी इलाका के भलुआ बुजुर्ग गांव अपना ससुरारी आइल एगो नवही पर अपना मेहरारू आ सरहज पर गोली चलावे के आरोप लगावल गइल बा. नवही सीमा सुरक्षा बल में जवान हवे. पुलिस ओकरा के असलहा समेत गिरफ्तार कर लिहले बिया बाकिर ओकर कहना बा कि गोली ओकर सरहजे चलवलसि. जवान दाउदपुर इलाका के साधपुर गांव के हउवे. ओकर कहना बा कि ससुरारी के लोग ओकरा से एक लाख रुपिया हथफेर लिहले रहुवे आ अब लवटावल नइखे चाहत लोग.
- छपरा-मुजफ्फरपुर का बीच एगो नया रेल लाइन बिछावे के काम खातिर रेलवे बोर्ड पांच करोड़ रुपिया के मंजूरी दे दिहले बावे जवना का बाद जमीन अधिग्रहण के काम शुरू कइल जाई. हालांकि जिला भू-अर्जन विभाग एह काम ला 35 करोड़ रुपिया मंगले रहुवे.
- सारण जिला के दाउदपुर में उत्क्रमित उच्च विद्यालय मदनसाठ में बदइन्तजामी ले के बियफे का दिने विद्यार्थियन के खीस बवाल में बदल गइल आ प्रधानाध्यापक पर नशाखोरी के आरोप लगावत विद्यालय में जम के तोड़फोड़ मचावल गइल. लड़िकन के कहना बा कि साइकिल आ पोशाक राशि खातिर मिलेवाला धन में से अढ़ाई सौ रुपिया कम दीहल जात बा. बीडीओ जाँच में आरोप सही पवले त प्रधानाध्यापक के वेतन पर रोक लगा दीहल गइल.
- मध्यप्रदेश में भइल रेल दुर्घटना का बाद बियफे का दिने छपरा से मुंबई जाए वाली सगरी ट्रेनन के रद्द कर दीहल गइल. अगर रेल लाइन के मरम्मति में समय लागल त अगिलो दिने ट्रेन रद्द हो सकेली सँ.
- देश के 709 टीसन पर वाई फाई सेवा देबे के योजना बनवले बिया रेलवे जवना में से 46 गो टीसन बिहार के बाड़ी सँ
- पश्चिमी चंपारण के साठी इलाका के भभटा गांव में बुध का रात बाप बेटा के गोली मार के हत्या क दीहल गइल. एकरा बाद गाँव के लोग हत्या के आरोपी का घर पर हमला क दिहलें आ तोड़ पोड़ कइलें. बतावल जात बा कि इनार के झगड़ा ले के बोधा अंसारी आ सज्जाद अंसारी के हत्या विजय सिंह क दिहले.
- बलिया जिला पंचायत के अध्यक्ष रामधीर सिंह के निलंबित क के पंचायत चलावे के जिम्मा तीन सदस्य वाला टीम के दे दीहल गइल बा. एह टीम में नागेंद्र बहादुर सिंह झुन्नू, राजमंगल यादव आ अजय शंकर यादव के नाम बा. रामधीर सिंह धनबाद के एगो केस में उमिर कैद में बंद बाड़न.
- आजमगढ़ के बरदह इलाका के सरायमोहन का लगे बुध के रात एगो कार सड़क किनारे खड़ा ट्रक से टकरा गइल जवना से तीन जने के मौत हो गइल. टक्कर अतना जोर से भइल रहे कि कार के पूरा हिस्सा ट्रक का भीतर घुस गइल रहुवे आ कार के काट के सवारियन के निकालल जा सकल. ई लोग गोरखपुर के रहुवे आ तीर्थाटन ला निकलल रहुवे आ चित्रकूट आ मां विन्ध्यवासिनी के दर्शन क के जौनपुर होत लवटत रहुवे.
- मऊ जिला के हलधरपुर इलाका के धरमागतपुर गांधी आश्रम कार्यालय का सोझा बुध के देर रात कवनो गाड़ी के धक्का से बाइक से जात दू गो नवहियन के मौत हो गइल. दुनू बलिया जिला के रसड़ा इलाका के उत्तर पट्टी के रहलन.
- बलिया के बिल्थरारोड में एगो दलित लड़िका नीरज के हत्या करे वालान के गिरफ्तार कर लिहला का बाद पुलिस अब एह हत्या का खिलाफ आवाज उठावे आ बवाल करे वालन के गिरफ्तारी खाति दू सौ से अधिका लोग के खोजल शुरु कर दिहले बिया.
- मुंबई में बम विस्फोट करावे वाला याकूब के फाँसी के सजा बहाल राखे वाला जजन के अब जान से मारे के धमकी मिले लागल बा जवना का बाद उनुकर सुरक्षा बढ़ा दीहल गइल बा.
- आजु शुक का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी चेन्नई में राष्ट्रीय हैंडलूम दिवस के लॉन्च करेे चहुँपल बाड़न. हवाई अड्डा पर उनुकर स्वागत करे मुख्यमंत्री जयललिता आ तमिलनाडु के राज्यपाल मौजीद रहलें. बाद में जयललिता के घरे मोदी आ जयललिता के मुलाकात होखे वाला बा.
- बिहार विधानसभा चुनाव ला जीतन राम मांझी के पार्टी हिदुस्तानी अवाम मोर्चा के चुनाव चिह्न का रूप में टेलीफोन दीहल गइल बा.
- समाजवादी पार्टी के एगो नेता रामजी लाल सुमन के कहना बा कि ओवैसी नयका जिन्ना बनल जात बाड़े आ उनकर असर राज्य के लोग खातिर खतरनाक साबित होखी. औवैसी के ताकत बढ़ला से समाज के एकता टूटे के अनेसा ना काहे कि ऊ मुसलमानन के अपना खेमा में कर सकेलें.
- आज शुक का दिने कांग्रेस आ भाजपा दुनू के राज्यसभा सासदन ला दुनू गोल से तीन लाइन वाला ह्विप जारी भइल बा. कांग्रेस नइखे चाहत कि सरकार कुछ कानूनी प्रावधान के पारित करा लेव.
- भारतीय रिजर्व बैंक देश के बैंकन के आपन सहुलियत का हिसाब से शाखा के जगहा बदले, ओकनी के मिलावे भा बंद करे के इजाजत दे दिहले बिया बाकिर गँवई इलाका के शाखा पर ई इजाजत नइखे दिहले.
- अफगानिस्तान के राजधानी काबुल में आजु शुक का भोरे एगो विस्फोट से नाहियो त आठ लोग के मौत हो गइल बा आ दू सौ से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा.
499 total views, 2 views today