- सिवान जिला के नौतन इलाका के मुरारपट्टी में एगो नवही के हत्या बियफे का रात गरदन दबा के कर दीहल गइल. भोर में ओकर लास गाँव का बधार में मिलल. कुछ दिन पहिलहीं ऊ विदेश से कमाई क के लवटल रहुवे.
- गोरेयाकोठी से सिवान आवत एगो टेम्पो सिवान-तरवारा मेन रोड पर नथनपुरा गांव का नियरा बेकाबू हो के पलट गइल जवना चलते ओह पर सवार एगो आंगनबाड़ी सहायिका के मौत हो गइल आ एगो बूढ़ आदमी समेत सात लोग घवाहिल हो गउवे. ओहन लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
- सिवान के पचरुखी प्रखंड के पपौर गांव में डीह के खोनाई में पाँचवा लेयर में माटी के एगो बड़हन बरतन मिलल बा जवना के सुरक्षित राखल बा. खुदाई पुरातत्व विभाग करवावत बा.
- छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के शिक्षक आपन मांग ले के बियफे का दिने कलमबंद हड़ताल पर रहलें. मतलब हाजिरी बनवलें, तनखाह उठइहें बाकिर कवनो काम ना करीहें.
- दिघवारा के रेलवे ढाला का लगे शुक का दिने बालू लदले जात एगो ट्रक एगो स्कूली छात्र के कचार दिहलसि जवना से ओकर ओहिजे मौत हो गइल. ओकर चचरा भाई घवाहिल हो गइल आ अस्पताल मे भरती करावल गइल बा. खिसियाइल लोग ट्रक के नुकसान चहुँपावल आ ड्राइवर के जम के धुनाई क दीहल. मीरपुर भुआल के दुनू लड़िका साइकिल से स्कूल से घरे आवत रहलें जब ई हादसा हो गइल.
- चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद जमानत पर छूट के राजनीति करे में लागल बाड़न. काल्हु नीतीश के डीएनए के सवाल उठावत कहलन कि पीएम के अइसन छोट बात ना कहे के चाहत रहे जवना से सगरी बिहार के गाली मानल जात बा. अब ई धूर्त आदमी पूरा बिहार के बुड़बक बनावत बा से अलग बात बा. मोदी नीतीश के डीएनए का बारे में बोलबे ना कइलन. ऊ त एह लोग के लोकतंत्र के डीएनए के बात कहले रहलन. बाकिर एक दोसरा के साँप आ जहर बतावे वाला नीतीश आ लालू मिल के बिहार के लोग के बुड़बक बनावे में लागल बाडन स.
- बलिया के बिल्थरारोड में दलित नवही के हत्या के मामिला में अधिका आरोपी अबहियों पुलिस के पकड़ से बाहर बाड़े. आठ गो आरोपियन में से तीने गो के पकड़ पवले बिया पुलिस. काल्हु भाजपा के विधायक उपेन्द्र तिवारी ओह मराइल नवही के घर वालन से मुलाकात क के घटना के जानकारी लिहलन आ ढाढ़स बन्हवलन.
- काल्हु बलिया जिला अस्पताल चहुँपल उपेन्द्र तिवारी मरीजन के बिलबिलात देख आपन आपा खो दिहलन. बिजली ना रहला का चलते सभे परेशान रहुवे. आ डीजल बचावे का फेर में जेनरेटर ना चलावल जात रहुवे.
- गाजीपुर जिला के गहमर थाना के पचौरी गाँव में एगो बेटी के बाप ओकरा प्रेमी के बाप के गोली मार के हत्या कर दिहलसि. ओकर नाराजगी एह पर रहुवे कि ऊ ओकरा बेटी के अपना घर में पतोहु जइसे काहे राख लिहलसि. लड़िका आ लड़िकी दुनू अलग जात के हउवें. पुलिस हत्यारा के गिरफ्तार करे खातिर खोजत बिया.
- जौनपुर जिला के एगो प्रेमी जोड़ा के बलिया रेल पुलिस छपरा ओर जात गरीब नवाज एक्सप्रेस से उतार लिहलसि. ओकरा शिकायत मिलल रहे कि एहनी के हरकत कुछ गड़बड़ लागत बा. पूछताछ से पता चलल कि प्रेमी जोड़ा घर से भाग के जात रहले. जौनपुर पुलिस के जानकारी भेज दीहल गइल बा.
- मऊ के एगो मदरसा में बम राखल होखे के अफवाह फइलावे वाला एगो मौलवी समेत दू लोग के पुलिस शुक का दिने गिरफतार कर लिहलसि. एह मौलवी के कुछ दिन पहिले ओह मदरसा से निकाल दीहल गइल रहे त ऊ मदरसा के बदनाम करे के सोच के अफवाह फइलावे के कोशिश कइलसि.
- बिहार के गया में काल्हु होखे वाला पीएम मोदी के रैली से पहिले उनकर फोटो वाला पोस्टर फाड़ दीहल गइल बा जवना से भाजपा के लोग बहुते नाराज बा. कहता लोग कि प्रशासन के मिलीजुली से जदयू के लोग एह तरह के हरकत कइले बा.
- शुक का दिने काबुल में दू गो फिदायिन हमला में नाहियो त तीन दर्जन लोग के जान चल गइल आ सैकड़ो लोग घवाहिल हो गइल बाड़े. पहिला हमला ट्क उड़ा के कइल गइल त दोसरका हमला में एगो फिदायिन काबुल पुलिस अकादमी के गेट पर अपना के उड़ा लिहलसि. एह हमला में 20 गो कैडेटन के जान चल गइल.
- राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के पत्नी के तबियत बेसी खराब हो गइला का चलते उनुका के दिल्ली के आर्मी हॉस्पिटल में भर्ती करावल गइल बा आ राष्ट्पति आपन ओडिशा दौरा छोड़ ले दिल्ली लवट आइल बाड़न.
782 total views, 5 views today