- अगिला महीना पाकिस्तान में होखे जात कॉमनवेल्थ पार्लियामेंट्री एसोसिएशन के सम्मेलन खातिर जम्मू कश्मीर विधानसभा स्पीकर के नेवता ना मिलला का विरोध में भारत एह सम्मेलन के वहिष्कार करे के फैसला लिहले बा. 30 सितंबर से होखे वाला एह सम्मेलन खातिर लोकसभा अध्यक्ष आ हिन्दुस्तान के सगरी विधानसभा के स्पीकर लोग के नेवता भेजले बावे पाकिस्तान बाकिर जम्मू कश्मीर के स्पीकर के नइखे नेवतले.
- तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जे जयललिता शुक का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी का सोझा तमिलनाडु के अनेके मुद्दा उठावत ओकर समाधान खातिर काम करे के निहोरा कइली. श्रीलंका के तमिलन के मुद्दा उठावत कहली कि कच्चाथीवू द्वीप वापस लीहल जाव आ श्रीलंका के तमिलन के कल्याण सुनिश्चित करावे भारत सरकार.
- देश में वोटिंग कंपलसरी बनावे वाला पहिलका राज्य गुजरात हो गइल बा आ स्थानीय निकायन के चुनाव में जे वोट ना डाली ओकरा सौ रुपिया जुर्माना देबे के पड़ी. आ ओह लोग के सरकारी योजना से वंचितो कइल जा सकेला.
- सुप्रीम कोर्ट शुक का दिने यूपी सरकार से पूछिए दिहलसि कि यादव सिंह खाति अतना बेचैन काहे बिया उत्तर प्रदेश सरकार. सुप्रीम कोर्ट यूपी सरकार के याचिको खारिज क दिहलसि. यूपी सरकार के पैरवी करत रहलन कपिल सिब्बल.
- बांग्लादेश में हथियारबंद गैंग एगो अउरी ब्लॉगर के हत्या कर दिहलसि. एह तरह के ई चउथा वारदात बा, बतावल जात बा कि ब्लागर निलाॅय चक्रवर्ती अपना फ्लैट में दोस्त संगे बइठल रहलें जब जुम्मा के नमाज का बाद इस्लामी हमलावर गैंग ओहिजा चहुँप आइल आ निलाँय के छूरा से काट दिहलसि. निलाॅय के ओहिजे मौत हो गइल.
- सुप्रीम कोर्ट बिहार में गुटखा-पान मसाला के बिक्री पर लागल रोक हटावे से इंकार कर दिहलसि आ हाई कोर्ट के आदेश के बरकरार राख दिहलसि.
- बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले भागलपुर दंगा के सवाल फेरू उठ खड़ा भइल बा आ कांग्रेस का साथे बनल महागठबन्हन पर सवाल उठे लागल बा. दंगा के जाँच रिपोर्ट आजु विधानसभा में राखल गइल त साफ हो गइल कि भागलपुर के दंगा कांग्रेस सरकार आ ओकरा राज के पुलिस के लापरवाही के चलते भइल रहुसे. अब लालू आ नीतीश खातिर मुसलमानन के समुझावल मुश्किल हो जाई कि ऊ एह दंगा के दोषी कांग्रेस का साथे बनल ओकरा महागठबन्हन के वोट देसु.
- मौजूदा 15 वीं बिहार विधान सभा के आखिरी सेशन आजु खतम हो गइल आ शुरु हो गइल टिकट खातिर अपना गोल के नेतवन के चक्कर लगावे के दौर.
- भारत सरकार के दूरसंचार मंत्रालय के कहना बा कि बिहार बीएसएनएल का तरफ से अगिला एक साल का भीतर 30 गो फ्री वाई-फाई हॉटस्पॉट खोलल जाई. एहमें से 17 गो त अकेले पटने में होखी. तीन साल में बिहार के हर गाँव के इंटरनेट से जोड़ दीहल जाई.
- केन्द्र सरकार गेहूं पर दस प्रतिशत आयात शुल्क लगा दिहले बिया जवन अगिला साल मार्च ले लागू रही. एहसे विदेश से गेंहू मँगावल महँग हो जाई आ देश के किसानन के वाजिब दाम मिल पाई.
- सुप्रीम कोर्ट आजु केन्द्र आ यूपी सरकार के निर्दश दिहलसि कि अयोध्या में राम जन्मभूमि स्थल पर श्रद्धालुन के बेहतर संभव सुविधा देबे पर सोचे आ दर्शनार्थियन खातिर सुविधा उपलब्ध करवावे. कोर्ट के बतावल गइल रहे कि राममंदिर पर श्रद्धालुअन के पिए के पानी तक नइखे मिल पावत आ शौचालयो के सुविधा नइखे.
- नॉटिंघम में चउथा एशेज क्रिकेट टेस्ट मैच के दूसरका दिने इंग्लैंड के खिलाफ ऑस्ट्रेलिया अपना दूसरका पारी में 4 विकेट गँवा के 158 रन बना लिहले बा आ पारी के हार से बचे खातिर ओकरा 173 रन अउर बनावे के बा.
- मुख्य चुनाव आयुक्त नसीम जैदी के अगुअई में चुनाव आयोग के दल दू दिन के दौरा पर बिहार आइल बा आ राजनीतिक गोल के प्रतिनिधियन संगे चुनाव के तइयारी का बारे में चरचा करत बा. भाजपा के कहना बा कि बिहार के गृह सचिव आमिर सुबहानी के एह चलते हटा दीहल जाव कि छह बरीस से एह पद पर बाड़न.
- अगिला महीना से यूपी के सरकारी अस्पतालन में अल्ट्रासाउन्ड के सुविधा मुफ्त दीहल जाई. एकरा खातिर छह करोड़ रुपिया मंजूर भइल बा जवना से अल्ट्रासाउन्ड मशीन खरीदल जाई.

201 total views, 2 views today