web analytics

टटका खबर (बुध, 12 अगस्त 2015)

  • भाजपा के परिवर्तन रथ के आजु बुध का दिने सोनपुर के हरिहरनाथ मंदिर में पुजा अर्चना कइके गृहमंत्री राजनाथ सिंह रवाना करइहें. नयागाँव टीसन पर उनकर एगो सभो होखे वाला बा आजु.
  • सारण जिला के 27 गो निजी अस्पतालन में राष्ट्रीय स्वास्थ्य बीमा योजना के तहत मुफ्त इलाज के सुविधा देबे वाला करीब दू लाख पैंतीस हजार गरीब लोग के कार्ड बनावल गइल बा.
  • एक हप्ता बंद रहला का बाद काल्हु मंगल का दिन से मुंबई जाए वाली पवन एक्सप्रेस के चलल फेरू शुरु हो गइल. पिछला हप्ता मध्यप्रदेश में भइल हादसा का बाद एह रुट के रेलगाड़ी बंद क दीहल रहली सँ.
  • छपरा-सोनपुर रेल खंड के अम्बिका हाल्ट का लगे ट्रेन से गिरला का बाद एगो यात्री के मौत हो गइल. ओकर पहचान नइखे भइल आ लाश पोस्ट मार्टम खातिर भेज दीहल गइल बा.
  • अपना घर के छत से उतरत घरी सीढ़ी पर से गोड़ बिछिल गइला का चलते सारण जिला के बेला पंचायत के उपमुखिया रह चुकल साठ बरीस के खैरुन निशा के मौत सोमार का दिने हो गइल.
  • शिक्षकन के कमी दूर करे खातिर छपरा के जेपी विश्वविद्यालय के कॉलेजन में संविदा पर रिटायर्ड प्रोफेसर लोगन के बहाल करे के प्रक्रिया चलत बा. अबहीं अनेके काॅलेजन में कई विषय के शिक्षक हइए नइखन.
  • सिवान के सांसद प्रवक्ता स्व. श्रीकांत भारतीय के परिवार के लोग मंगल का दिने एसपी सौरभ कुमार शाह से मिल के हत्यारा के नाम जाहिर करे के कहल.
  • मऊ के एगो डाक्टर से पाँच लाख रुपिया के रंगदारी मांगे का आरोप में तीन गो नवहियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया पुलिस. कुछ दिन पहिले ई डाक्टर ओह बदमाशन के डँटले रहलन जे उनका भतीजी के परेशान करत रहले सँ.
  • वाराणसी के डीरेका परिसर का लगे एगो छात्रा के मौत हो गइल. ऊ अपना स्कूटी से सहेलियन संगे जात रहुवे जब सामने ट्रैक्टर देख घबड़ाहट में ऊ गलत साइड चल गइल आ ओकर माथा ट्रेक्टर ट्राली से टकरा के फाट गइल. चोट लगते ऊ गिर पड़ल आ माथा फटला का चलते ओकर मौत हो गइल बाकिर साथे जात सहेली बाँच गइली सँ.
  • गंगा नदी में विदेशी सैलानियन के सैर करावे वाला क्रूज ‘राजमहल’ मंगल का दिने बनारस चहुँपल. एह पर सवार विदेशी सैलानी वाराणसी देखला का बाद चुनार खातिर रवाना हो जइहें. पर साल एह क्रूज के कछुआ सेंक्चुअरी से गुजरे के इजाजत ना मिलल रहुवे आ पर्यटकन के तब सड़क मार्ग से चुनार चहुँपावल गइल रहुवे.
  • यूपी के मेडिकल काॅलेजन में शिक्षकन के कमी दूर करे खातिर अब संविदा पर रिटायर्ड शिक्षकन के बहाल कइल जाई. शिक्षकन के कमी का चलते अनेके काॅलेजन के मान्यता संकट में पड़ल बा एह घरी.
  • आजु बुध का दिने जापान में अमेरिकी सेना के हेलीकॉप्टर संगे हादसा हो गइल आ ओह पर सवार चालक दल के सात जने घवाहिल हो गइले.
  • जम्मू कश्मीर के अलगाववादी नेता यासीन मलिक के आजु बुध का दिने पुलवामा जाए से पहिले गिरफ्तार कर लीहल गइल.
  • कांग्रेस के विरोध का चलते आजु बुधो का दिने राज्यसभा में कवनो काम ना हो सकल आ राज्यसभा के दिनभर खातिर स्थगित के देबे पड़ल.
  • चलनी दूसे सूप के जेहमें बहत्तर छेद. मुद्दा के कमी से परेशान लालू आ नीतीश डीएनए के मुद्द ध लीहले बाड़े आ लगातार मोदी के घेरे का कोशिश में बाड़े. काल्हु लालू प्रसाद कहलन कि मोदी फूहर बोली बोलत बाड़न.
  • अक्टूबर-नवंबर में होखे जात बिहार विधानसभा चुनाव में राजद आ जदयू सौ सौ सीट से चुनाव लड़ीहें आ चालीस सीट कांग्रेस के दीहल जाई. तीन गो सीट हो सकेला कि राकांपा के दे दीहल जाव. आजु बुध का दिने एह बात के एलान महागठबन्हन के तीनो दल मिल के कइले.
  • गैर कानूनी तरीका से टेलीफोन एक्सचेज चलावे के आरोपी दयानिधि मारन के आजु बुध का दिने सुप्रीम कोर्ट से जमानत मिल गइल. सुप्रीम कोर्ट मद्रास हाई कोर्ट के फैसला पर रोक लगा दिहलसि जवना में दयानिधि के तीन दिन का भीतर समर्पण करे के कहल गइल रहुवे.
  • गाजीपुर के दिलदारनगर इलाका में एगो रिटायर्ड जवान से असलहा देखा के पौने दू लाख रुपिया लूट ले गइलें कुछ बदमाश.
  • राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के पत्नी के हालत अबहियों गंभीर बनल बा.
  • भारी हो हंगामा का बीच सुषमा स्वराज कांग्रेस के गाँधी परिवार पर हमला बोलत कहली कि क्वात्रोची आ एडरसन जइसन आरोपियन के देश से भगावे वाला परिवार आजु बेमतलब के सवाल उठावत बा. कहली कि ऊ कुछ गलत नइखे कइली.
  • अपना ढोलकी चैनलन से कांग्रेस के संतोष नइखे होखत आ अब ऊ आपन अलगा चैनल बनावे चलावे का बारे में सोचत बिया. ओकर योजना बा कि जयहिंद टीवी के राष्ट्रीय चैनल में बदल देव. जयहिंद टीवी क केरल प्रदेश कांग्रेस कमेटी शुरु कइले बिया.
  • बैडमिंटन के विश्व चैम्पियनशिप में बुध का दिने भारत के माथ खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत इंडोनेशिया के तिसरका दौर में चँहुप गइले. महिला खिलाड़ी ज्वाला गुट्टा आ अश्विनी पोनप्पा के जुगल जोड़ीओ अगिला दौर में चहुँप गइल.
  • बिकवाली का दबाव का चलते बुधो का दिन शेयर बाजार में गिरावट दर्ज भइल. सेंसेक्स में 354 अंक के आ निफ्टी में 113 अंक के गिरावट देखे के मिलल. देश के संसद के काम से नाराज बाड़े निवेशक. जीएसटी विधेयक राज्यसभा से पारित करावे पर विचार ना भइला से सभे निराश बा बाकिर कांग्रेस के देश के दशा दुर्दशा से कवनो असर नइखे पड़े वाला.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: