काल्हु लोकसभा में कांग्रेस के सांसद अतना तिलमिला गइले कि सोनिया तक ले सदन का वेल में आ गइली. हो हल्ला का बीच कवनो सांसद सोनिया पर कुछ कमेंट कर दिहलसि जवना से सोनिया गाँधी तिलमिला गइली आ अपना गोल के सांसदन संगे वेल में उतर गइली. एह तरह के बेजा हरकत अमूमन बड़का नेता ना करस बाकिर देश के फजीहत करे वाली कांग्रेस अब आपने फजीहत होखत देख आपन आपा नइखे सम्हार पावत. कुछ दिन पहिले राहुल गाँधी पुछले रहलें कि सुषमा स्वराज बतावस कि ललित मोदी के सहायता करे का बदले उनका कतना रुपिया मिलल. बुध का दिने सदन में आपन बात कहत सुषमा पलटवार करत कहली कि राहुल त हमेशा दू दू महीना खातिर छुट्टी पर जात रहेलें. अगिला बेर जब जासु त अपना खानदान के इतिहास पढ़सु आ पता लगावसु कि एंडरसन आ क्वात्रोच्ची के भगावे का बदले राजीव गाँधी के कतना मिलल रहुवे. सुषमा के पलटवार से कांंग्रेसी छनछना गइल बाड़ें.
- कांग्रेस के तमाम विरोध का बावजूद मोदी सरकार का तरफ से साफ कर दीहल गइल कि कवनो मंत्री बिना दोष के इस्तीफा ना दीहें. मोदी सरकार के कहना बा कि सुषमा त महज बहाना बाड़ी, कांग्रेस के मकसद असल में जीसटी आ देश के विकास रोके के बा. चारो ओर कांग्रेस के थूथू होखत बा बाकिर सत्ता से फेंकइला से बेचैनी में आइल कांग्रेस के ई सब लउकत नइखे.
- बिहार विधानसभा चुनाव का चलते राज्य में अफसरान के तबादला के दौर जारी बा. काल्हु बुध का दिने करीब 160 गो बड़का अफसरान के तबादला क दीहल गइल.
- मंगल का दिन चल के बुध का दिने फेरू रद्द हो गइल मुंबई जाए वालि पवन एक्सप्रेस. रेलवे के कहना बा कि अबहीं कुछ दिन ले एह तरह के दिक्कत आवत रही.
- सारण जिला के मांझी प्रखंड के बलोखड़ा गांव में बुध का दिने पहिला बेर बिजली आइल. एह खातिर मंत्री रहल विधायक गौतम सिंह फीता काट के ट्रांसफार्मर के उद्घाटन कइलन आ कहलन कि अतना बरीस बीतला का बाद पहिले बेर एह गाँव में बिजली आइल बा त बिहार सरकार का चलते.
- छपरा-पटना मेन रोड पर डोरीगंज का लगे बुध का दिने कांवरिया ले के लवटत एगो पिकअप वैन आ भारत गैस टंकीवाहन से हो गइल जवना चलते करीब डेढ़ दर्जन कांवरिया घवाहिल हो गइलें. चार जने के हालत खराब देख पटना रेफर क दिआइल बा. अइसने एगो दोसर घटना में गोपालगंज लवटत मिनी बस एगो ट्रक से टकरा गइल आ तीन गो कांवरियन के मौत ठाँवे पर हो गइल. घटना घाटी में एगो टेढ़ मोड़ पर भइल बा.
- गोपालगंज जिला के उचकागांव थाना के संत मोड़ से एगो नवही के लाश बुध के साँझे मिलल बा. लागत बा ओकर हत्या कइल गइल बा. लाश के पहचान बरारी जगदीश गाँव के एगो आदमी का रूप में भइल बा.
- गोपालगंज के मठिया गांव के मेहरारू बुध का दिने शराब दुकान का खिलाफ सड़क पर उतर अइली. एह लोग के नाराजगी सोमार का दिने जहरीला शराब पियला का चलते भगवानपुर गांव के भिखारी नट के मौत का चलते रहुवे.
- सिवान जिला के दरौंदा इलाका के हड़सर गाँव से पाँच बरीस के एगो लड़िका मंगल का दिन से गायब बा. पुलिस के जानकारी दे दीहल गइल बा बाकिर अबले ओकर पता नइखे चलल.
- सिवान जिला के सिसवन प्रखंड के बखरी आ पुरुषोतम मुड़ा गाव में मंगल के सँझिया विधायक कविता सिंह मुख्यमंत्री ग्राम संपर्क योजना मे बने जात दू गो सड़कन के शिलान्यास कइली.
- राकांपा बिहार में तीन सीट मिलला से नाराज हो के महागठबन्हन से अलगा होखे के धमकि दिहले बावे. तारिक अनवर कहलन कि एह बारे में फैसला करे खातिर गोल के नेता लोग के बइठक बोलावल गइल बा. कहलन कि उनकर गोल एह हालत में अकेले लड़े के फैसलो कर सकेले. जान जाईं कि जदयू आ राजद एक एक सौ सीट से आ कांग्रेस के चालीस सीट से लड़े के बात तय भइल बा.
- बिहार के नयका बहाल भइल राज्यपाल रामनाथ कोविंद आजु पटना पहुँचे वाला बाड़न. 16 अगस्त के उनकर किरिया धराई समारोह होखे वाला बा. उनुका के किरिय धरावे के काम पटना उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश करीहें.
- गाजियाबाद में बिकात मदर डेयरी के दूध में डिटरजेंट मिलला का बाद कंपनी का खिलाफ कानूनी कार्रवाई करे के इजाजत मांगल गइल बा. दूध के जाँच कोलकाता के सेंट्रल लेबोरेट्री में करावल गइल त ई रिपोर्ट मिलल.
- जौनपुर के शिवपुर बाईपास पर मंगल देर रात एगो बस सड़क पर खड़ा ट्रक से जा टकराइल. एह हादसा में चार जने के मौत ठाँवे पर हो गइल आ आधा दर्जन से अधिका लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. बस विंध्याचल से पूजा अर्चना कर के लवटत श्रद्धालुअन के ले के जलालपुर लवटत रहुवे.
- मऊ में होखत एगो कार्यक्रम में चहुँपल लोकदल नेता अजीत सिंह कहलन कि एह इलाका के तेज विकास खातिर पूर्वांचल राज्य बनावल जरूरी बा. मोदी आ मुलायम दुनू जने के निशाना पर रखलन अजीत सिंह अपना भाषण में.
- विधायक रहल भाजपा नेता रामएकबाल सिंह के पेट्रोल पंप लूटे वाला दू गो बदमाशन के पुलिस ध लिहले बिया बाकिर ओकनी के सरगना बक्सर जिला के संदीप अबहुओं पकड़ से बाहर बा.
- बलिया के गड़वार इलाका के थुम्हा उत्तम गाँव के सुदामा के साँप कटला का बाद ढेर देल ले लोग झाड़ फूंक करावल आ जब हालत खराब होखे लागल त अस्पताल खातिर धावल. अस्पतालो में झाड़ फूँक जारी रहल बाकिर साँप काटे के काट वाली दवाई ना मिलला से ओकर मौत हो गइल. साँप कटला के झाड़फूंक करे वाला का खिलाफ ना त कवनो केस दर्ज भइल ना ही कवनो बवाल. बाकिर अस्पताल के डाक्टरन का खिलाफ लोग जम के बवाल कइल. केसो दर्ज करावल गइल बा आ अब सरकार जिला अस्पताल के प्रभारी डाक्टर आ स्टोर कीपर के हटा दिहले बिया.
- चंदौली जिला के चकिया इलाका के सिकंदरपुर गाँव के एगो नवही मछरी मारे खातिर नदी किनारे गइल रहुवे जहवाँ ओकरा के घड़ियाल खींच ले गउवे. बाद में बुध का भोरे ओकर नोचल चोथल लाश मिलल.
- इलाहाबाद मुगलसराय पैसेंजर में टिकट चेक करे चहुँपल टीटीई के कांवरियन से बकझक हो गइल आ एही बीच कवनो उनका के धक्का मार के नीचे गिरा दिहलसि. ई देख के संगे चलत आरपीएफ के सिपाही ओहिजा से भाग चलले. बाद में घवाहिल टीटीई के रेलवे के अस्पताल में भरती करावल गइल.
- लखनऊ केजीएमसी के ट्रामा सेंटर में लिफ्ट फँसला का चलते ओहमें ले जाइल जात एगो मरीज के मौत हो गइल. करीब तीन घंटा के मशक्कत का बाद लिफ्ट के दरवाजा काट के ओहमें से मरीज आ ओकरा संगे जात डाक्टर आ कर्मचारियन के निकालल गइल.
- सब्जी, फल आ अनाज सस्ता भइला का चलते जुलाई महीना के खुदरा मँहगाई दर में रिकॉर्ड कमी भइल बा आ ई 3.78 फीसदी हो गइल बा. पर साल जुलाई में ई 7.39 रहुवे. एह साल जूनो में ई 5.4प पर रहुवे. उपभोक्ता सूचकांक पर तय होखेवाला मंहगाई दर जुलाई में कम हो के 2.15 हो गइल जबकि एही जून में ई 5.48 रहुवे. एह दौरान औद्योगिक उत्पादन में पिछला चार महीना में 3.8 फीसदी बढ़ल बा.
- चीन के तियानचिन शहर में काल्ह रात एगो गोदाम में धमाका भइला का बाद 17 जने के मौत हो गइल बा आ चार सौ से बेसी लोग घवाहिल हो गइल बा. धमाका कइसे भइल एह बारे में अबहीं कुछ बतावल नइखे गइल.
- श्रीलंका संगे तीन टेस्ट मैचन के सीरिज के पहिला मैच में दुसरका दिने भारत 2 विकेट पर 128 रन से आगे खेलल शुरु करी. काल्हु आर अश्विन के शानदार स्पिन गेंदबाजी का बदौलत श्रीलंका के पहिला पारी 183 रन पर समेटा गइल. अश्विन 46 रन देके 6 गो खिलाड़ी आउट कइलन.
- भारत की ग्रेंडमास्टर तानिया सचदेव के एशियाई कोंटिनेंटल महिला रेपिड शतरंज चेम्पियनशिप में रजत पदक मिलल बा. ई प्रतियोगिता सउदी अरब अमिरात के अल-अमीन में करावल गइल रहे.
- देवघर में पिछला सोमार का दिने भइल हादसा का बाद अब बाबाधाम मंदिर में श्रावणी मेला के दौरान विशेष दर्शन पर रोक लगा दीहल गइल बा. नगर निगम क्षेत्र में वाहनन से वसूलाए वाला शुल्को पर रोक लगा दीहल गइल बा.
- एह साल भारत आ पाकिस्तान के बीच सीमा पर मिठाईयन के लेनदेन ना होखी. बीएसएफ तय कइले बावे कि ना त मिठाई भेजी ना ओने से आइल मिठाई सकारी.
194 total views, 2 views today