(File photo)संसद के मानसून सत्र कांग्रेस के महतारी बेटा का चलते जीएसटी के पास करवला बिना खतम हो गइल बाकिर सरकार के कहना बा कि हर हाल में अप्रेल 2016 से जीएसटी लागू करा दीहल जाई. वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु कहलन कि कांग्रेस के बस एके गो मकसद रहुवे कि जीएसटी बिल पास मत होखो आ एकरा खातिर ऊ आपन पूरा ताकत लगा दिहलसि. बाकिर सरकार का लगे आपनो रणनीति बा जवना से ऊ एकरा के समय से लागू करा दीहि. बाकिर एह रणनीति के कवनो खुलासा ना कइलन जेटली.
भाजपा अब कांग्रेसी सांसदन के इलाका में आपन पूरा ताकत झोंक के लोग के बताई कि कइसे कांग्रेस देश के विकास का राह में बाधा बन के खड़ा बिया. पीएम मोदी के कहना बा कि कांग्रेस के बस एगो परिवार बचावे के चिंता बा जबकि भाजपा के चिंता देश बचावे के बा. ओने राहुल गाँधी आजुओ पीएम मोदी पर आपन हमला जारी राखत कहलन कि मोदी के दमदार नेता बूझत रहुवन बाकिर अब पता लाग गइल बा कि इनका में कवनो दम नइखे. ओने काल्हु संसद में चिट देख देख के भाषण करेवाला राहुल के चिट सोशल मीडिया पर चरचा में रहल. चिट देख के पता चल गइल कि अपना महतारी लेखा बेटो के हिन्दी पढ़े ना आवे आ आपन भाषण रोमन लिपि में लिखले रहेलें राहुल.
हिमाचल प्रदेश के चम्बा जिला में आजु बियफे का दिने एगो बस गहिरा खाई में गिर पड़ल जवना से नाहियो त नौ जने के मौत हो गइल आ आठ जने घवाहिल हो गइलें.
जम्मू-कश्मीर के शोपियां में एगो मस्जिद के बाहर भइल विस्फोट में करीब एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा. पुलिस के कहना बा कि बाहर से कुछ फेंकल ना गइल जबकि घाहिलन के कहना बा कि मस्जिद के आंगन में ग्रेनेड जइसन कुछ सामान लपेट के एगो बरतन में राखल रहुवे.
मध्यप्रदेश काडर के आईएएस अधिकारी ओम प्रकाश रावत के आजु चुनाव आयुक्त नियुक्त क दीहल गइल. उनकर कार्यकाल आपन पद लिहला का दिन से मानल जाई.
सुरक्षा एजेंसियन के कहना बा कि आतंकी स्वतंत्रता दिवस के मौका पर बीजेपी दफ्तरन के निशाना बना सकेलें आ पैरा ग्लाइडर के इस्तेमाल कर सकेलें.
दहेज के एगो केस में राधे माँ के अगवाह जमानत के निहोरा मुंबई के सत्र अदालत आजु खारिज क दिहलसि. पता ना कइसे होखेला कि तीस्ता, पचौरी, मारन जइसन लोग के त तुरते जमानत दे दीहल जाला बाकिर आसाराम बापू, साध्वी प्रज्ञा जइसन लोग का मामिला में अइसन ना हो पावे. याकूब के मामिला के सुनवाई खातिर रातो में अदालत के दरवाजा खुल जाला बाकिर नेशनल हेराल्ड मामिला में सोनिया आ राहुल के मुकदमा सुने के समय ना मिल पावे अदालतन के. एह बात के जानकारी कवनो कानून विशेषज्ञे दे सकेलें.
बिहार में महागठबन्हन के झटका देत जदयू के बागी विधायक राजीव रंजन बियफे का दिने भाजपा ज्वायन कर लिहले बाड़न. इस्लामपुर से विधायक राजीव रंजन भाजपा के बिहार अध्यक्ष मंगल पांडेय के मौजूदगी में अपना समर्थकन साथे भाजपा में शामिल भइलन.
बिहार विधानसभा चुनाव के नज़दीक आवते महागठबन्हन में दरार पसरे लागल बा. आजु शरद पवार राकांपा एह गठबन्हन से नाता तूड़े के एलान करत अकेले चुनाव लड़े के एलान कइले बिया. मुलायन के सपा के बिहार ईकाई के लोगो नाराज बा कि सपा के एको सीट नइखे दीहल गइल. अपना दुनू बेटन के राजनीति में उतारे खातिर बेचैन लालू राबड़ी जदयू के दीहल हर जहर पीए के तइयार हो गइल बावे लोग.
बकर-बकर करे वाला बिहारी बाबू अपना मेहरारू के विधायकी के टिकट मिले के भरोसा मिलला का बाद आपन सुर बदल लिहले बाड़न. बतावल जात बा कि भाजपा उनका के भरोसा दिहले बिया कि अगर कवनो कारण से विधायकी के टिकट ना दीहल जा सकल त विधान परिषद में जरूरे दे दीहल जाई.
उत्तर प्रदेश में तीन स्तर के पंचायती चुनाव के एलान 13 सितंबर भा ओकरा बाद कहियो कइल जा सकेला, एह बात के संकेत लखनऊ से आवत बा.
उत्तर प्रदेश विधानसभा के मानसून सत्र काल्हु शुक 14 अगस्त से शुरू होखे वाला बा. सत्र पूरा हंगामेदार होखी आ यादव सरकार यादवन के चरचा पर दबाव में रहे वाली बा.
देश में साइकिल उद्योग के जनक ओपी मुंजाल के बियफे का दिने निधन हो गइल. ओपी मुंजाल हीरो साइकिल्स के संस्थापक रहले.
पुरान गाड़ी बेचे वालन के अब डेढ़ लाख रुपिया तक के मुनाफा हो सकेला नया गाड़ी खरीदला पर. केन्द्र सरकार एह दिसाईं एगो नया योजना ले आवे वाली बा जवना से सड़क पर से दस बरीस से अधिका पुरान गाड़ियन के हटावल जा सके.
बम्बई उच्च न्यायालय मैगी नूडल्स पर लगावल रोक हटा दिहलसि बाकिर एकर दुबारा बिक्री तबले ना शुरु हो पाई जबले एकर हर किस्म के नूडल्स के पाँच पाँच गो नमूना पंजाब, हैदराबाद आ जयपुर के मान्यता प्राप्त प्रयोगशालावन से जाँच में सही नइखे मिल जात. एह काम खातिर नेस्ले के छह हप्ता के समय दिहले बिया अदालत.
रुपिया के दाम में गिरावट आजुओ जारी रहल आ रूपया डालर के मुकाबले 32 पइसा कमजोर हो गइल. पिछला दू बरीस के सबले कमजोर दर रहल आजु रुपिया के. दोसरा तरफ शेयर बाजार में कुछ लिवाली देखल गइल आ सेंसेक्स 37 अंक आ निफ्टी 6 अंक के मामूली बढ़त ले के बन्द भइल.
मिस्र में भयंकर गरमी आ लू का चलते नाहियो त 15 लोग के मौत हो गइल बा. एह साल गरमी से मरे वाला लोग के गिनिती 76 पार कर गइल बा.
17 अगस्त का दिने यूएई के यात्रा पर जाए वाला पीएम नरेन्द्र मोदी ओहिजा के प्रसिद्ध शेख जायद मस्जिदो के दौरा करीहें. 34 बरीस बाद कवनो भारतीय प्रधानमंत्री यूएई के दौरा पर जइहें. ओहिजा उनुका स्वागत समारोह में शामिल होखे खातिर अबहियें 48 हजार लोग आपन नाम लिखवा चुकल बा.
पाकिस्तान के एगो सैनिक अदालत पेशावर में सेना के स्कूल पर भइल हमला में शामिल छह गो खूंखार आतंकवादियन के मौत के सजा सुना दिहलसि बियफे का दिने.
भारत-पाकिस्तान के बीच एनएसए स्तर के बातचीत शुरु होखे का ठीक पहिले माहौल सही करे खातिर पाकिस्तान सरकार हाफिज सईद के जमात-उद-दावा के संदिग्ध संगठनन के सूची में डाल दिहले बिया आ ओकरा काम पर निगरानी राखे के बात कहले बिया. बाकिर पूरा दावा से कहल जा सकेला कि बातचीत खतम होखते पाकिस्तान आपन ई फैसला वापिस ले ली.
इराक के बगदाद के एगो बड़हन बाजार में ट्रक बम विस्फोट करा के 67 लोग के जान ले लिहल गइल आ डेढ़ सौ से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा. एगो इस्लामिक स्टेट गुट एकर जिम्मेवारी सकरले बा आ शिया इलाका में अउरी हमला करे के कहले बा.
गॉल क्रिकेट टेस्ट में पहली पारी में 192 रन के बढ़त हासिल कइला का बाद भारत दुसरका पारी के खेल में श्रीलंका के दू गो विकेट झटक के अपना के मजबूत कर लिहले बा. भारत अपना पहिला पारी में 375 रन बनाके आउट हो गइल आ खेल खतम होखे के बेरा श्रीलंका दू विकेट गँवा के महज पांच रन बनवले रहुवे.
जर्काता में विश्व बैडमिंटन चैम्पियनशिप में भारत के सायना नेहवाल अउर पी वी सिंधू र्क्वाटर फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. महिला डबल्स में ज्वाला गुट्टा आ अश्विनी पोनप्पा के जोड़ीओ र्क्वाटर फाइनल में पहुंचल बा. जबकि पुरूष सिंगल्स के प्री-क्वार्टर फाइनल में के. श्रीकांत आ एच. एस प्रणय के हार हो गइल.
यूरोप दौरा पर गइल भारतीय पुरूष हॉकी टीम स्पेन के साथ तीन मैच के श्रृखंला दू-एक से जीत लिहलसि. आजु बियफे का दिने टेरासा भइल तिसरका मैच में भारत स्पेन के चार-दू से हरा दिहलसि.