- आजु आजादी के 68वां सालगिरह का मौका पर लाल किला से देश के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहनी कि तय समय का भितरे परियोजना आ काम पूरा करावे के नया संस्कृति के शुुरूआत हो गइल बा उनका सरकार से. एक रैंक एक पेंशन पर बोलत कहनी कि जल्दिए एकर सही रूप सोझा आ जाई. कहनी कि एह मुद्दा के पिछला कई बरीसन से अझूरा के राख दीहल गइल बा आ सझुरावे में समय लागत बा बाकिर काम हो के रही काहे कि सिद्धान्त रुप से सरकार एह बात से सहमत बिया. गरीबन तकले वित्तीय समावेशन चहुँपावे के बात करत पीएम के कहना रहल कि हर बैँक शाखा एगो दलित आ एगो आदिवासी के करजा देव जेहसे विकास जमीनी स्तर तक चहुँपे.
- आजादी के सालगिरह से पहिले वाला साँझ राष्ट्र के संबोधित करत राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी कहनी कि संसद के अखाड़ा बना दीहल गइल बा जबकि उहवांं जनता के हित में बातचीत होखे के चाहीं.
- उत्तर प्रदेश में आईपीएस अफसर अमिताभ ठाकुर के शिकायत का बारे मेंं एक बेर फेरू हजरतगंज थाना आपन रिपोर्ट लखनऊ के सीजेएमकोर्ट में पेश ना कइलसि. अमिताभ ठाकुर मुलायम सिंह पर धमकी देबे के अछरंग लगवले बाड़न.
- शुक का दिने शुरू भइल यूपी विधानसभा देश के राष्ट्रपति रहल भारत रत्न डॉ. एपीजे अब्दुल कलाम के श्रद्धांजलि दिहला का बाद दू दिन खातिर टार दीहल गइल. अगिला बइठक अब 17 तारीख के 11 बजे से होखी.
- बलिया के फेफना इलाका के अगरसण्डा गाँव के गायक संजय के मौत पचीस साल का उमिर में संदेह करे लायक हालात में शुक का दिने हो गइल. संजय के पेट में दरद का बाद जिला अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ डाक्टर उनका के मरल बता दिहले.
- केन्द्रीय वस्त्र राज्य मंत्री संतोष गंगवार के कहना बा कि केन्द्र सरकार वाराणसी में टेक्स्टाइल पार्क खोलल चाहत बिया बाकिर राज्य सरकार एकरा के मंजूरी दे देव तब.
- छपरा के जयप्रकाश महिला कॉलेज के माॅडल कॉलेज बनावे के एलान केन्द्र सरकार का ओर से हो गइल बा आ एकरा खातिर काॅलेज के चार करोड़ रुपिया के अनुदान दीहल गइल बा. एह में से दू करोड़ रुपिया रिलीजो कर दीहल गइल बा.
- मढ़ौरा में बनेवाला डीजल रेल इंजन कारखाना खातिर लीहल गइल जमीन शुक का दिने जिलाधिकारी दीपक आनंद रेलवे अधिकारियन के सँउप दिहलन. ई देश के दुसरका आ बिहार के पहिला कारखाना होखी. कारखाना खातिर सवा दू सौ एकड़ जमीन लीहल गइल बा.
- विधानसभा चुनाव देखत बनियापुर थाना इलाका के सात गो दागियन के पुलिस तड़ीपार कर दिहले बिया. एहमें पुछरी निवासी सत्येन्द्र सिंह, शंभू पांडेय, चेतन छपरा निवासी मणिभूषण सिंह, उस्ती निवासी बलवंत सिंह, धनांव निवासी रंजीत राय, पुछरी निवासी सुनील महतो, हरिहरपुर निवासी भुअर कुंवर आ सुनील महतो के नाम शामिल बा.
- झारखंड मे भइल सड़क हादसा में मरे वाला तेरहो लोग सिवान जिला के रहुवे. नौतन थाना के सेमरा गांव के रहे वाला शंभू प्रसाद नवासा पर आंदर बाजार में बस गइल रहलें. एह हादसा में उनकर पूरा परिवार खतम हो गइल आ केहू रोवहू वाला नइखे बाचल.
- पहिलका पत्नी के नइहर भेज आपन बारात ले के बेतिया चहुँपल दरौंदा थाना के पचबरवा गाँव के नेजामुद्दीन के पुलिस पकड़ ले आइल आ निकाहो रद्द करा दिहलसि.
- सिवान जिला के तारका आ बेलौर गांवन का बीच नहर मे शुक का सबेरही से एगो औरत के लाश उपराइल रहल बाकिर थाना के जानकारी दिहला का बावजूद कुछ कइल ना गइल.
- पटना के गाँधी मैदान में आजादी के सालगिरह का दिने झंडा फहरावत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि केन्द्र बिहार के रुपिया देव भा मत बाकिर बिहार के विशेष राज्य के दरजा जरुर दे देव.
- जदयू-राजद-कांग्रेस महागठबन्हन में बाकी गोलन ला कवनो सीट ना छोड़ला का चलते विरोध तेज हो गइल बा. राकांपा अकेले लड़े के एलान कर दिहले बिया त सपा के कहना बा कि ऊ वामदल का साथे मिल के लड़ के सोचत बिया. एह बीच महागठबन्हन के बचावे के कोशिशो तेज हो गइल बा काहे कि अबकी के चुनाव लालू आ नीतीश दुनू जने खातिर अब ना त कबहूं ना वाला हाल के हो गइल बा.
- कांग्रेस के देश विरोधी गतिविधि का खिलाफ भाजपा देश के हर कोना से ओकरा पर हमला कइलसि. कहलसि कि कांग्रेस देश के बढ़न्ती देखल नइखे चाहत आ एही चलते पहिलहीं बता दिहले रहुवे कि मानसून सत्र में कवनो काम ना होखे दी आ वइसने कर देखवलसि. शुक का दिने अठाइस गो शहर से भाजपा नेता आपन बयान जारी कइलें. एह में भाजपा के सगरी मुख्यमंत्री के बयानो शामिल रहल.
- राज्य भर में आ देश के दोसरो जगहा जाए आवे खातिर उत्तर प्रदेश सरकार अपना ला अमेरिका में बनल एगो नौ सीट वाला हवाई जहाज आ अतने सीट वाला हेलीकॉप्टर खरीदे पर सवा सौ करोड़ रुपिया बूक दिहले बिया.
- चाल उलटा पड़त देख अब कांग्रेस सफाइ देत बिया कि ऊ कबो वस्तु आ सेवा कर विधेयक, जीएसटी, के विरोध ना कइलसि. ओकर कहना बा कि ई विधेयक त ओकरे बनावल ह. बाकिर इहो तय बा कि सब कुछ जानत समुझत कांग्रेस बाकायदा योजना बना के एह विधेयक के पारित होखे से रोक दिहलसि.
- काल्हु अधरतिया से पेट्रोल आ डीजल के दाम घटा दीहल गइल बा. पेट्रोल में हर लीटर पर 1.26 रुपिया आ डीजल में 1.19 रुपिया के कमी कइल गइल बा.
- पूर्वोत्तर में पर्यटन के बढ़ावा देबे खातिर गुवाहाटी में हेलीकॉप्टर केंद्र बनावे के फैसला कइले बावे केंद्रीय नागरिक उड्डयन मंत्रालय.
- आजु काल्हु मीडिया का निशाना पर आइल राधे मां के बंबई हाई कोर्ट से अगवाह जमानत मिल गइल बाकिर थाना में उनुका से पाँच घंटा ले पूछताछ कइल गइल.
- सानिया मिर्जा के राजीव गांधी खेल रत्न पुरस्कार देबे के एलान शुक का दिने कर दीहल गइल आ देश के ई सबले बड़का सम्मान पाए वाली ऊ दुसरका खिलाड़ी बन गइली. एकरा साथ ही सरकार 15 गो अर्जुन पुरस्कारो के एलान क दिहलसि जवन क्रिकेटर रोहित शर्मा, निशानेबाज जीतू राय, जिम्नास्ट दीपा करमाकर, हॉकी खिलाड़ी पीआर श्रीजेश, कुश्ती पहलवान बजरंग अउर बबीता, एथलीट एमआर पूवम्मा, बैडमिंटन खिलाड़ी के श्रीकांत अउर मुक्केबाज मनदीप जांगड़ा के नाम शामिल बा.
- बांग्लादेश के संस्थापक शेख मुजीबुर रहमान के दू दू हाली भारत के खुफिया एजेन्सी का तरफ से चेतावल गइल रहुवे आ साजिश रचे वालन के जानकारिो दीहल गइल रहे बाकिर दुनू बेर शेख मुजीबुर रहमान एह चेतावनी के अनदेखी कर दिहलन काहे कि ऊनुका ना लागत रहुवे कि उनकर लोगे उनकर हत्या कर दी.
142 total views, 2 views today