web analytics

टटका खबर (बुध, 19अगस्त 2015, बलिया-छपरा)

हवाई अड्डा पर पीएम मोदी के स्वागत करत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार
हवाई अड्डा पर पीएम मोदी के स्वागत करत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार
  • बलिया के दुबहड़ डिग्री कालेज आ सतीश चंद महाविद्यालय के विद्यार्थी काल्हु मंगल का दिने अपना अपना काॅलेज के भ्रष्टाचार आ मनमानी का खिलाफ कलेक्ट्रेट पर प्रदर्शन कइले. एह लोग के शिकायत बा कि दाखिला खातिर मंजूर सीट घटा दीहल गइल बा आ मनमाना तरीका से नाम लिखल जात बा.
  • रसड़ा-कासिमाबाद सड़क पर नीबू का लगे मंगल का दिने भइल सड़क हादसा में बाइक से आवत संवरा गांव के मनोज के मौत हो गइल. एकरा बाद नाराज लोग दू घंटा ले सड़क जाम क के राख दीहल.
  • बिल्थरारोड के दलित नवही के हत्या का बाद विरोध में बवाल करे वाला दू गो अउर आरोपियन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि मंगल का दिने.
  • मनियर दियारा में सोमार देर रात करीब दू दर्जन डकैत तीन गो मवेशी खोल ले गइलें. गाँव वाले घेरे के कोशिश कइलन त फायरिंग करत निकल गइले सँ.
  • यूपी के पंचायत चुनाव से पहिलही मतदाता सूची में हेरफेर करा के गोटी सेट करावे में लागल बा कुछ लोग. हालत ई बा कि जिनका चुनाव लड़े के रहुवे से अब आपन नाम मतदाता सूची में फेरू से शामिल करावे खातिर परेशान बाड़ें. काहे कि सेटिंग क के ओह लोग के नामे काट दीहल गइल बा वोटर लिस्ट से.
  • गाजीपुर के ताड़ीघाट-बारा सड़क पर रेवतीपुर गांव का लगे मंगल का दिने भोर में एगो ट्रक के चक्का सड़क पर धँस गइला का चलते दुनू ओर चार घंटा ले जाम लाग गइल.
  • गाजीपुर के करंडा इलाका के शिवदासी चक में एगो नौ बरीस के लड़िकी के बंदूक के गोली लाग गइल. गोली के चलावल आ ओकरा कइसे लागल एकर जानकारी नइखे मिलल. बाद में घवाहिल लड़िकी के वाराणसी के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • आजमगढ़ के फूलपुर कस्बा में संविदा पर काम करे वाला एगो लाइनमैन सबस्टेशन से शटडाउन ले के काम करत रहुवे तबहिए बिजली चालू क दीहल गइल आ ओकर मौत हो गइल. एकरा बाद नाराज लोग लखनउ मेन रोड जाम क के बवाल मचा दीहल. सीओ आ एसडीएमे को पिटाई हो गइल. कोतवाल आ सिपाही त घवाहिल भइबे कइले.
  • सारण जिला के सलहां गाँव के एगो अदमी अपने दामाद पर अपना बेटा के हत्या करे के आरोप लगावत केस कइले बाड़न. पुलिस एक केस में डेरनी थाना के रसूलपुर गाँव के सुबोध सिंह के गिरफ्तार क लिहले बिया.
  • सारण जिला के मांझी उत्तर टोला के कपिलदेव सिंह उत्क्रमित मध्य विद्यालय के प्रधानाध्यापक ओमप्रकाश पाण्डेय के मौत हार्ट अटैक का चलते हो गइल. बतावल जात बा कि मंगल का दिने स्कूल से लवटत घरी बरखा में घेरइला पर एगो पलानी में रुक गइले आ ओहिजे बइठले बइठल ढिमला गइलन जवना का बाद उनुका के लेके मांझी पीएचसी दउड़ल लोग बाकिर ओहिजा डाक्टर उनुका के मरल बता दिहले.
  • मंगल का दिने छपरा जं. आ अगल बगल के टीसनन पर जम के मजिस्ट्रेट चेकिंग अभियान चलावल गइल आ करीब डेढ़ सौ बिना टिकट लोग से अस्सी हजार रुपिया जुरमाना वसूलल गइल.
  • मंगल का दिने सारण जिला के महाराजगंज से सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल एकमा के ज्योति सेंट्रल स्कूल परिसर में कौशल विकास योजना के उद्घाटन कइले. एह केन्द्र पर कारीगर, मैकेनिक, इलेक्ट्रिशियन वगैरह बने के प्रशिक्षण लेके लोग आपन रोजगार शुुरू कर सकी.
  • सिवान के जेपी चौक पर ट्राफिक नियम के ना माने वाला मोटरसाइकिल चलावे वाला लोग का खिलाफ अभियान चला के दस जने के पकड़ल गइल.
  • गोपालगंज पुलिस महावीरी अखाड़ा जुलूस में नचनियन के नाच पर रोक लगा दिहले बिया. मेहरारू बने के नाचे वालन के पकड़ के कार्रवाई करे के चेतावनी दीहल गइल बा. मंगल का दिने आर्केष्ट्रा संचालकन के बोला के एक बात के जानकारी दिहलसि पुलिस.
  • भोजपुर के अगिआव बाजार इलाका के अइना गांव का लगे कुछ अपराधी एगो नवह मुन्ना के गोली मार दिहले. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • सासाराम आरा रोड पर पटेल कालेज का नियरा एगो वाहन मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि जवना से ओह पर अपना भाई संगे जात एगो औरत के मौत हो गइल आ भाई घवाहिल होके अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • सासाराम आ डेहरी आन सोन टीसनन के देखभाल आ विकसित करे के जिम्मा अब निजी कंपनी के दीहल जाई.
  • लुई बर्जर घूस काण्ड में गोवा के पिछला सरकार के मुख्यमंत्री रहल कांग्रेसी दिगंबर कामत के एगो विशेष अदालत से अगवाह जमानत मिल गइल बा.
  • फिलिम ‘मसान’ चूमाचाटी कइला का बाद चरचा में आइल अभिनेत्री श्वेता त्रिपाठी के कहना बा कि एह तरह के सीन करत घरी ऊ सहज ना रहि पावस.
  • हमेशा से अपना टेढ़ चाल खातिर चरचा में रहेवाला पाकिस्तानी उच्चायुक्त अब्दुल बासित फेरू आपन अनेरपंथी देखावत हुरियत के नेतवन के बतियावे खातिर नेवतले बाड़न. पिछला बेर एही हरकत का बाद भारत पाकिस्तान संगे होखेवाला बातचीग के नकार दिहले रहुवे.
  • राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के पत्नी शुभ्रा मुखर्जी के आखिरी संस्कार आजु बुध का दिने दिल्ली के लोधी रोड वाला बिजली शवदाह घर में करा दीहल गइल.
  • पुणे के फिल्म अउर टेलीविजन संस्थान में प्रदर्शन करत पाँच गो छात्रन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. पिछला कई साल से पढ़ाई का नाम पर संस्थान में रहे वाला छात्र पिछला कई महीना से बवाल क के रखले बाड़न.

 197 total views,  2 views today

%d bloggers like this: