web analytics

टटका खबर (मंगल, 18 अगस्त 2015, देश दुनिया)

  • AllahabadHighCourtइलाहाबाद हाईकोर्ट मंगल का दिने एगो बड़हन फैसला सुना के सरकार आ ओकरा कर्मचारियन के जान सूखा दिहले बावे. आदेश दिहले बावे कि सरकार अपना सगरी नौकरशाहन आ कर्मचारियन ला जरूरी बना देव कि ओह लोग के पालित सरकारी स्कूले में पढ़ीहें आ जे प्राइवेट स्कूलन में पढ़ाई ओकरा तनखाह से स्कूल के फीस के बराबर रकम काट के सरकारी स्कूलन पर खरच कइल जाई. अदालत के मंशा बा कि एहसे सरकारी स्कूलन के हालात सुधरी आ जरुरी बहाली आ निर्माण समय पर करवावल जाई.
  • बिहार के आरा में एगो सरकारी कार्यक्रम में पीएम नरेन्द्र मोदी बिहार खातिर सवा लाख करोड़ के स्पेशल पैकेज के एलान करत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर उनकर नाम लिहले बिना जोरदार हमलो बोल दिहलें. बाकी जवन बाचल तवना के सहरसा में बोलावल भाजपा के रैली में पूरा कर दिहलन. कहलन कि जब बिहार बीमारू राज्य नइखे रहि गइल त बेर बेर पैकेज काहे माँगल जात बा. एहिजा कुछ लोग के ताव अतना अधिका बा कि राहत खातिर गुजरात के जनता के भेजल सहायतो लवटा दीहल गइल. कहलन कि केन्‍द्र सरकार बिहार के भाग्य बदले के फैसला क लिहले बिया आ रउरा सभे के आशीर्वाद चाहीं भाजपा के जेहसे ई काम कइल जा सको.
  • इस बीच प्रधानमंत्री कार्यालय से बतावल गइल बा कि सवा लाख करोड़ के स्पेशल पैकेज के आधा से अधिका रुपिया सड़क आ पुल बनावे पर खरच कइल जाई. इहो बतावल गइल कि एह राशि में प्रधानमंत्री जन-धन योजना, प्रधानमंत्री सुरक्षा बीमा योजना, प्रधानमंत्री जीवन ज्‍योति बीमा योजना, अटल पेंशन योजना, गरीबी रेखा से नीचे रहे वालन के मुफ्त रसोई गैस कनेक्‍शन आ स्‍वच्‍छ विद्यालय अभियान जइसन योजना पर होखे वाला खरच शामिल नइखे आ ऊ एह पैकेज से अलगा से कइल जाई.
  • पीएम मोदी के आरा में भोजपुरी में बोललो पर भोजपुरियन के दुखत घाव फेरु नोचा गइल. काहे कि भाजपा के वादा रहुवे कि मोदी के सरकार बनला पर भोजपुरी के 8वीं अनुसूची में शमिल करा दीहल जाई. बाकिर सुने में आवत बा कि एह काम खातिर बनावल कमिटी एकरा खिलाफ आपन रिपोर्ट दिहले बिया. कमिटी में शामिल सगरी हिन्दी वाला भोजपुरी का खिलाफ राय दिहले बाड़े.
  • एह घरी पाजामा कुरता में लउकेवाला कांग्रेसी नेता राहुल गाँधी अमेठी में कहलन कि देश के पायजामा वालन के सरकार चाहीं जे आम आदमी ला काम करो. कहलन कि शर्ट के सरकार बनो, चप्पल के सरकार बनो, आ कुर्तापाजामा के सरकार बनो. राहुल के कहना बा कि मोदी सरकार सूटबूट के सरकार ह.
  • उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग के अध्यक्ष अनिल यादव पर अब फर्जी डिग्री राखे के आरोप लागल बा. कहल जात बा कि जब ऊ स्थायी अध्यापक रहलन त ओही दौरान ऊ विधि स्नातक आ पीएचडी के डिग्री कइसे ले लिहलन.
  • गाजीपुर जिला के बहरियाबाद इलाका में एगो दरोगा के घूस लेत घरी रंगे हाथ भ्रष्टाचार निरोधक इकाई ध लिहलसि आ कार्रवाई करत जेल भेज दिहलसि.
  • अयोध्या में अस्थायी रुप से बनावल गइल श्रीराम जन्मभूमि पर विराजमान रामलला के मंदिर के नया तिरपाल से ढके के काम शुरु हो गइल बा. एह काम ला फायर प्रूफ तिरपाल बनावे के जिम्मा आईआईटी रुड़की के विद्यार्थियन के दीहल गइल बा.
  • मंगलो का दिने यूपी विधानसभा के दुनू सदन के कार्यवाही में बाधा पड़ल आ दुनू सदन में प्रश्नकाल ना हो पावल. हालांकि सरकार एही हल्लागुला में आपन अनुपूरक बजट पास करवा लिहलसि.
  • भदोही जिला के औराई इलाका में नेशनल हाईवे पर बाबूसराय का नियरा मंगल दुपहरिया एगो सड़क हादसा में तीन जने के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइले. एह लोग के वाराणसी आ इलाहाबाद के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • मंगल का दिने बिहार आ यूपी में अनेके जगहा बरखा भइला के खबर बा. कुछ इलाकन में अगिला तीन दिन में बाढ़ आवे के चेतावनी दीहल गइल बा.
  • पीएम मोदी के स्पेशल पैकेज का बारे में नीतीश कुमार कहलन कि कहीं एकरो हाल काला धन वाला पन्द्रह लाख जइसन मत हो जाव आ बाद में कह दीहल जाव कि ऊ त जुमलेबाजी रहुवे. सेना के एक रैंक एक पेंशन खतम करे वाली इन्दिरा गाँधी के नाती राहुल गाँधीओ मोदी पर कमेंट करे से बाज ना अइलन आ कह दीहलन कि जब एक रैंक एक पेंशन वाला एलान नइखन लागू करत त एह पैकेजो के कवन भरोसा. कहलन कि लोग के बहलावे फुसलावे खातिर एह तरह के बयान दीहल मोदी के आदत हवे.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर के बारामूला जिला के सोपोर इलाका में आजु मंगल का दुपहरिया में दू गो आतंकी सुजोरश्री दरगाह का बाहर पुलिस पोस्‍ट पर हमला कइले आ एगो पुलिस वाला समेत दू जने के मौत हो गइल.
  • मंगलो का दिने जम्‍मू कश्‍मीर में सीमा पार से होखत पाकिस्‍तानी गोलीबारी जारी रहल बाकिर केहू के मरल भा घवाहिल भइला के खबर नइखे आइल.
  • छत्‍तीसगढ़ के आदिवासी इलाके बस्‍तर के बीजापुर जिला में मंगल का दिने बासगुड़ा का नियरा सीआरपीएफ के टीम पर नक्सलियन के हमला से एगो जवान के मौत हो गइल. ओने झारखंड में रांची आ खुंटी जिला के सीवान पर दुलमी गांव में नक्‍सलियन से मुठभेड़ में एगो पुलिसकर्मी शहीद हो गइल. एगो नक्सलियो के मरइला के खबर बा. रांची के सीनियर एसपी प्रभात कुमार के घवाहिल होखहु के खबर बा.
  • हिमाचल प्रदेश का कुल्‍लू जिला में मणिकरण में गुरूद्वारा का लगे एगो बड़हन चट्टान गिरला से नाहियो त दस गो तीर्थयात्रियन के मौत हो गइल आ करीब दर्जन भर लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी के पत्‍नी शुभ्रा मुखर्जी के लमहर बीमारी का बाद मंगल का भोरे अस्पताल में निधन हो गइल. उनकर अंतिम संस्कार बुध का दिने सबेरे दस बजे लोधी रोड शवदाह गृह में करावल जाई. उनका निधन पर सभे लोग आपन शोक संदेश भेजले बा.
  • दिल्ली के पटियाला हाउस कोर्ट से इजाजत ले के मंगल का दिने आतंकी नवेद के पॉलीग्राफी टेस्ट भइल जवना में ऊ मान लिहलसि कि ऊ पाकिस्तानी हवे आ लश्कर कैंप में 50 गो अउरी नवहियन का साथे ओकरो के ट्रेनिंग दीहल गइल रहुवे.
  • उलटा चोर कोतवाल के डाँटे वाला अंदाज में पाकिस्तान के कहना बा कि एनएसए लेवल के बातचीत में ऊ पाकिस्तान के घरेलू मामला में भारत के दखलअंदाजी के बात उठाई.
  • जंतर मंतर पर प्रदर्शन करत सैनिकन से दिल्ली पुलिस माफी मंगले बिया. सेना के जवानन के धरना स्थल से हटावे में कुछ पुलिस वाले बदसलूकी कइले रहुवन. पुलिस कहलसि कि आगे से ऊ आपन गलती सुधारे के कोशिश करी.
  • भारतीय फिल्म अभिलेखागार के साल 1935 में बनल बंगला फिलिम ‘देवदास’ के बेशकीमती काॅपी बांगलादेश का फिल्म अभिलेखागार से मिल गइल बा.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के विकेट कीपर दिनेश कार्तिक आ स्‍कवॉश खिलाड़ी दीपिका पल्‍लीकल के दू बेर बिआह होखी. मंगल का दिने एह लोग के शादी ईसाई रीति रिवाज से भइल काहे कि दीपिका ईसाई हई. ओकरा बाद 20 अगस्त का दिने दुनू जने के हिन्दू रीति रिवाज का मुताबिक शादी करावल जाई. एह लोग के सगाई दू बरीस पहिलही हो चुकल रहुवे.
  • ऑल इंडिया उलमा बोर्ड के राष्ट्रीय महासचिव अल्लामा बुनई हसनी के कहना बा कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी गुफ्तार-ए-गाजी हउवें आ अगर कामो के गाजी बन जासु त भारत शांति के केंद्र आ समृद्ध देश बन जाई बाकिर लागत नइखे कि अइसन हो पाई.
  • रेटिंग एजेन्सी मूडीज के कहना बा कि खराब मानसून का चलते एह साल भारत के विकास दर अब घट के साते फीसदी रह जाई. पहिले ओकर अनुमान साढ़े सात फीसदी विकास बतवले रहुवे. एह खबर का बाद शेयर बाजार में बिकवाली के दौर शुरु हो गइल आ मंगलो का दिने बाजार टूट के बंद भइल.
  • श्रीलंका में भइल 15 वां आम चुनाव के परिणाम बता दिहलसि कि ओहिजा से महिन्‍दा राजपक्षे के युग खतम होखत बा. यूनाइटेड नेशनल पार्टी के नेता आ मौजूदा प्रधानमंत्री रानिल विक्रमसिंघे फेरू संसद में सबले बड़का गोल के नेता बन के उभरल बाड़न. 225 सदस्य वाली संसद में उनुका गोल के 106 सीट मिलल बा आ कुछ विपक्षी सदस्यन के सहयोग से उनकर सरकार फेरू बन जाए के पूरा उमेद बा. प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी रानिल विक्रमसिंहे के जीत पर बधाई दिहलन आ कहलन कि आशा बा कि भारत आ श्रीलंका के बीच संबंध अउरी पोड़ होखी.
  • बांग्लादेश पुलिस अलकायदा से जुड़ल तीनगो आतंकियन के गिरफ्तार कइले बिया. एहनी के मास्टर माइंड एगो ब्रिटिश नागरिको गिरफ्तार आतंकियन में शामिल बा.
  • पाकिस्तान-अफगानिस्तान सीमा पर सुरक्षा बल हवाई हमला क के नाहियो त 15 गो आतंकियन के मार गिरावल गइल बा.

 199 total views,  2 views today

%d bloggers like this: