Go to ...
RSS Feed

टटका खबर (बियफे, 20 अगस्त 2015, देश दुनिया)


राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति, प्रधानमंत्री आ विदेश मंत्री प्रशांत द्वीप समूह के राष्ट्राध्यक्षन के स्वागत समारोह में.

राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति, प्रधानमंत्री आ विदेश मंत्री प्रशांत द्वीप समूह के राष्ट्राध्यक्षन के स्वागत समारोह में.

  • भारत आ प्रशांत द्वीप समूह के देशन के मंच के दुसरका शिखर सम्मेलन शुक का दिने जयपुर में होखे जा रहल बा जवना में 14 देशन के राष्ट्राध्यक्ष आ बड़का अधिकारी शामिल होखीहें. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी शुक का दिने एह सम्मेलन के संबोधित करीहें.
  • चोर चोरी से जाई बाकिर तुम्बाफेरी से ना. पाकिस्‍तान कह दिहलसि कि अगिला महीना होखेवाला राष्‍ट्रमंडल संसदीय संघ के सम्‍मेलन के मेजबानी ऊ ना करी. काहे कि ओकरा मंजूर नइखे कि जम्मू कश्मीर विधानसभा अध्यक्ष के नेवतल जाव आ भारत लगातार कहत बा कि अगर अइसन ना भइल त ऊ सम्मेलन में ना शामिल होखी. पाकिस्तान एहले बढ़िया इहे समुझलसि किे सम्मेलन के मेजबानिए छोड़ दीहल जाव. अब ई सम्मेलन न्यूयार्क में करावल जाई.
  • राजस्‍थानो के नगर निगम चुनाव में भाजपा के शानदार जीत मिलल बा बाकिर कांग्रेस के एकर दुख नइखे. ओकरा त बस एही से संतोष बा कि वसुंधरा राजे का इलाका में भाजपा हार गइल बिया. ओकरा एकरो मलाल नइखे कि पायलट का इलाका में कांग्रेस हार गइल बिया. कांग्रेस जानत बिया कि ओकर पोसुआ मीडिया पायलट के इलाका में कांग्रेस के हार के महटिया दी आ राजे के इलाका में भाजपा के हार के नगाड़ा पीटत रही. अब काल्हु शुक का दिने नगर निगम के अध्यक्ष के चुनाव होखे वाला बा. राजस्थान से पहिले मध्योप्रदेश में भाजपा शानदार जीत हासिल कइले रहुवे जबकि कांग्रेस के लगभग सूपड़ा साफ हो गइल बा ओहिजा.
  • करिया धन चोरा के विदेश भेजे वालन पर नकेल कसे खातिर आजु भारत आ सेशेल्स का बीच टैक्स चोरी से जुड़ल जानकारी के लेनदेन करे वाला समझौता पर दस्तखत हो गइल.
  • बिहार के रोहतास जिला में बियफे सबेर में अनिकत गांव का सोझा सोन नदी में एगो नाव पलट गइला से ओह पर सवार पांच गो मेहरारू डूब गइली सँ आ चार गो के पता नइखे चलल. कुल 13 गो औरत एह पर सवार रहली जवना में चार गो के बचा लीहल गइल.
  • दुनिया भर के शेयर बाजार बियफे का दिने गिरल त भारतो के शेयर बाजार ओही रंग में रंगा गइल आ सेंसेक्स 324 अंक अउर निफ्टी 122 अंक ढिमला के बंद भइल. रुपिया में 27 पइसा के कमजोरी आइल आ दू बरीस के सबले निचला स्तर पर चहुँप गइल.
  • लोकेश राहुल के शानदार शतक के मदद से भारत दुसरका टेस्ट मैंच में श्रीलंका का खिलाफ आपन छह गो विकेट गँवा के 319 बनवले बा. कोलंबो के पी सारा ओवल में पहिलका दिने के खेल खतम होखे के बेरा रिद्धिमान साहा 19 रन बनाके क्रीज़ पर बाड़न. लोकेश राहुल 108, रोहित शर्मा 79 अउर कप्‍तान विराट कोहली 78 रन बनाके आउट हो गइलें.
  • अतवार का दिने जकार्ता में विश्व चैंपियनशिप में भारत के सायना नेहवाल स्पेन के कैरोलिना मारिन से हरला का बावजूद रैंकिंग में पहिला जगहा पर आ गइल बाड़ी.
  • देश के प्रधानमंत्री रहल राजीव गांधी के 71वीं जयंती पर देश उनुका के सरधांजलि दिहलसि. राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी आ उपराष्‍ट्रपति मोहम्‍मद हामिद अंसारी नई दिल्ली में राजीव गांधी के स्मारक वीरभूमि जा के अंजुरी भर भर के फूल चढ़वलें. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना ट्विटर पर चहचहइलें
  • यूपी विधानसभा में प्रदेश सरकार राज्य में बीस हजार छः सौ छियासठ करोड़ रूपिया के निवेश के दावा कइलसि.
  • पइसा के कमी का चलते पढाई छोड़े के नौबत ना आवे एकरा खातिर विद्यार्थियन के शिक्षाऋण का बारे में जानकारी देबे खातिर केन्द्र सरकार का तरफ से एगो विद्यालक्ष्मी वेबसाइट शुरू कइल गइल बा. एह वेबसाइट पर बैंकन के एजुकेशन लोन के आवेदन पत्र मिली आ लोन प्रोसेसिंग में मदद मिली.
  • पश्चिम चंपारण जिला के नौतन थाना क्षेत्र के खड्डा निवासी नकेल साह के कुछ अपराधी हत्या कर दिहले.
  • भारत-पाकिस्तान का बीच एनएसए लेवल का बातचीत में सिरिफ आ सिरफ आतंकेवाद के चरचा होखी. एह बात के जानकारी देत केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रवि शंकर प्रसाद एह बात के जानकारी दिहलन.
  • हाफिज सईद के हुकुम मानत पाकिस्तानी अदालत अभिनेता सैफ अली खान आ कैटरीना कैफ के फिलिम पाकिस्तान में देखावे से रोक दिहले बिया.
  • एमआईएम के सांसद असदुद्दीन ओवैसी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अपील मानत गैस सबसिडी छोड़े के एलान क दिहले बाड़ें. एह बात के जानकारी ओवैसी खुदे ट्वीट क के दिहले बाड़न.

Tags: , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: