Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

Archives for September 2015

टटका खबर (बुध, 30 सितंबर 2015)

लालू यादव पर जातिवादी भाषण देबे ला आ सुशील मोदी पर वोटरन के लालच देबे का आरोप में मुकदमा दर्ज करवले बावे प्रशासन. एह लोग के भाषण के वीडियो टेप मंगा के चुनाव आयोग जाँच शुरू कर दिहले बावे. लालू प्रसाद पर राघोपुर में खुलेआम जातिवादी भाषण देबे के आरोप बा त सुशील मोदी पर

टटका खबर (मंगल, 29 सितंबर 2015)

सिलिकन वैली के सफल यात्रा का बाद न्‍यूयॉर्क पहुंच के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अमेरिका के राष्‍ट्रपति बराक ओबामा से मुलाकात कइलन. एह लोग के ई साल भितरे तिसरका भेंट रहल. एक घंटा के एह मुलाकात में दुनू देश आतंकवाद आ उग्रवाद के मुकाबला करे में आपसी सहयोग अउर बढ़ावे पर सहमत भइले. पीएम मोदी कहलन

टटका खबर (सोमार, 28 सितंबर 2015)

पीएम नरेन्द्र मोदी के एगो कठोर कवच का भीतर नरम दिल वाला आम मनई वाला रुप काल्हु तब सभका सोझा आ गइल जब फेसबुक के कार्यालय में लोग से बतियावत मोदी से मार्क जुकरबर्ग महतारी के जिक्र चला दिहलन. अपना माई का बारे में बतियावत मोदी के गरदन बाझ गइल आ रो दिहलन. मोदी के

टटका खबर (अतवार, 27 सितंबर 2015)

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी संयुक्त राष्ट्र में सुधार के जोरदार गोहार लगावत जी-4 शिखर सम्मेलन के संबोधित करत कहलन कि सुरक्षा परिषद के विस्तार तय समय सीमा में करा लीहल जावल जी-4 समुह में भारत, जर्मनी, ब्राजील आ जापान शामिल बाड़े आ ई चारो देश सुरक्षा परिषद के स्थायी सदस्यता खातिर कोशिश करे में लागल बाड़ें.

टटका खबर (शनिचर, 26 सितंबर 2015)

संयुक्त राष्ट्र के 70वां सालगिरह पर आमसभा के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सुरक्षा परिषद में सुधार आ एकर प्रतिनिधित्व व्यापक करे के जोरदार वकालत करत कहलन नि एकर विश्वसनीयता आ औचित्य बनवले राखे ला अइसन कइल जरूरी हो गइल बा. कहलन कि गरीबी मुक्त विश्व बनावल पर्यावरण के बचवले राखलो से बेसी जरूरी बा.

टटका खबर (शुक, 25 सितंबर 2015)

हज करे सऊदी अरब गइल दुनिया के अनेक देश के लोग के दू गो झुण्ड शैतान के पहिले ढेला मारे के रस्म पूरा करे का आपाधापी में एक दुसरा के कचारत बढ़े लागल. एह चलते भइल भगदड़ में 717 गो हाजियन के मौत हो गइल आ 860 से अधिका लोग घवाहिल हो गइल. एहमें भारतो

टटका खबर (बियफे, 24 सितंबर 2015)

बिहार विधानसभा चुनाव खातिर महागठबन्हन के पूरा सूची बुध का दिने जारी क दीहल गइल आ एकरा संगही जदयू आ राजद में बगावत के सुर तेज हो गइल. लालू अपना दुनू बेटन के टिकट दिहले बाड़न आ राजद पर अपना परिवार के कब्जा बनवले राखे के जिद हमेशा बतावत रहेलें. पहिला चरण के चुनाव खातिर

पहिला पुण्यतिथि पर अवधेश सिंह के प्रतिमा लगावल गइल

सारण जिला के दिघवारा इलाका के आमी में शक्ति शान्ति अकादमी के संस्थापक स्व. अवधेश कुमार सिंह के प्रतिमा स्कूल परिसर में लगावल गइल आ एह प्रतिमा के अनावरण जगदम कालेज छपरा के पूर्व प्राचार्य डा. प्रमेन्द्र रंजन सिंह कइलन. एह मौका पर बोलावल सरधांजलि समारोह में अवधेश बाबू के परिजन, शिक्षा क्षेत्र से जुड़ल

टटका खबर (बुध, 23 सितंबर 2015)

मुख्‍य निर्वाचन आयुक्‍त नसीम जैदी के नेतृत्‍व में आयोग के एगो टीम बिहार विधानसभा चुनाव के पहिला, दुसरा आ तिसरका दौर के तइयारी देखे समुझे खातिर 27 सितंबर के बिहार दौरा करे वाला बा. एहिजा अबले पहिला दौर खातिर 248 उम्मीदवार आपन परचा दाखिल कइले बाड़े. परचा दाखिल करे के आखिरी दिन बुध 23 सितंबर

टटका खबर (शनिचर, 19 सितंबर 2015)

बिहार विधानसभा चुनाव में जदयू-राजद-कांग्रेस महागठबंधन के कवन गोल कवान सीट से चुनाव लड़ी एकर फैसला शनिचर का दिने हो गइल आ एकरा साथही बगावत के आवाज उठल शुरु हो गइल. काहे कि जदयू के सीटिंग विधायक वाला कुछ सीट राजद का बखरा में पड़ गइल बा. पहिले के बँटवारा में छोड़ल तीन गो सीटो

Older Posts››