देश दुनिया के खबर (बियफे, 3 सितंबर 2015)

आजु 3 सितंबर के दिल्ली में आयोजित वैश्विक बौद्ध हिन्दू पहल संवाद में आइल पीएम मोदी के स्वागत करत आयोजक.
आजु 3 सितंबर के दिल्ली में आयोजित वैश्विक बौद्ध हिन्दू पहल संवाद में आइल पीएम मोदी के स्वागत करत आयोजक.
  • भारत आ ऑस्ट्रेलिया का बीच रक्षा अनुसंधान आ सामान सहयोग ला मिलजुल के कार्यदल बनावे समेत अनेके नया पहल करत प्रतिरक्षा भागीदारी के मजबूत करे के फैसला भइल बा. दुनू देश हिंद महासागर क्षेत्रो में समुद्री सुरक्षा खातिर आपस में सहयोग करीहें. दुनू देश मिल जुल के वायुसेना आ नौसेना अभ्यास करे वाला बाड़े.
  • राष्ट्रीय कृषि बीमा योजना के तहत बिना करजा लिहले खेती करे वाला किसानन के खरीफ फसल के बीमा करावे के समय सीमा 15 सितम्बर ले बढ़ा दीहलो गइल बा. पहिले ई 31 जुलाई ले करा लेबे के रहुवे. करजा लेबे वाला किसान 30 सितंबर ले बीमा करा सकीहें. केन्द्र सरकार के कृषि मंत्री राधा मोहन सिंह के कहना बा कि एह बात के फैसला ओह किसानन ला कइल गइल जिनका इलाका में बरखा कम भा देर से भइल बा.
  • त्योहार का सीजन में यात्रियन के भीड़ देख के हवाई जहाज उड़ावे वाली कंपनियन के किराया बेतहाशा बढ़ गइल बा. एह पर चिंता जतावत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहले बाड़न कि नागर विमानन मंत्रालय एह पर रोक लगावे के इंतजाम कइल जाव. इहो जानल चहले बाड़न कि हवाई किराया के काबू में राखल जा सकेला कि ना. अरब देशन के हाल के यात्रा का दौरान ओहिजा काम करे वाला लोग एह बात के शिकायत पीएम से कइले रहुवे.
  • काल्हु एक दिन के कर्मचारी हड़ताल के कवनो असर ना लउकल. ई कहना बा केन्द्रीय वित्तमंत्री अरुण जेटली के. कहलन कि कुछ बरीस पहिले ले हालत इ रहुवे कि मजदूर हड़ताल से देश के अर्थव्यवस्था चरमरा जात रहुवे, बाकिर अब अइसन ना होखे. बंवारा गोल आ कांग्रेस के मजदूर संगठन नयका श्रम कानूनन का खिलाफ एक दिन के हड़ताल बोलवले रहुवन. देश के सबले बड़हन मजदूर संगठन भारतीय मजदूर संघ एह हड़ताल में शामिल ना रहुवे.
  • दिल्ली में भइल 2010 के राष्ट्रमंडल खेल के आयोजन में भइल घोटाला ले के दिल्ली के अदालत में दिल्ली नगर निगम के चार गो अधिकारियन के चार-चार साल के आ एगो निजी कंपनी के प्रबन्ध निदेशक के छह साल के जेल के सजा सुनावल गइल. एह घोटाला ले के ई पहिलका फैसला आइल बा. तब कांग्रेस के मुख्यमंत्री रहली शीला दीक्षित आ कांग्रेसी नेता सुरेश कलमाडी एह आयोजन के प्रमुख रहलन.
  • जम्मू-कश्मीर में कुपवाड़ा जिला के हन्दवाड़ा के विलगाम इलाका में काल्हु साँझुवे से सुरक्षा बल आ आतंकवादियन का बीच मुठभेड़ जारी बा. पूरा इलाका के घेर लीहल गइल बा. एहिजा तीन चार गो आतंकवादियन के लुकाइल होखल के खबर बा.
  • आयकर विवरण दाखिल करे के आखिरी तारीख बढ़ा के अब 7 सितंबर कर दीहल गइल बा. जे लोग 31 अगस्त ले आपन रिटर्न जमा ना करा पावल ओह लोग के मौका दीहल गइल बा. आखिरी समय में होखे वाला भीड़ का चलते सर्वर पर लोड का चलते बहुते लोग के रिटर्न जमा ना हो पावल.
  • यमन के राजधानी में एगो शिया मस्जिद पर काल्हु सुन्नी मुसलमान आतंकियन के फिदायिन हमला में नाहियो त 28 लोग मरा गइल आ करीब छह दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा. आतंकवादी इस्लामिक स्टेट के कहना बा कि ओकर एगो आतंकी ई हमला कइलसि आ आगहू शिया लोगन पर हमला होत रही.
  • अमरीकी ओपन टेनिस के पुरुष डबल्‍स में रोहन बोपन्ना आ फ्लोरिन मर्जिया के जोड़ी दूसरका दौर में पहुंच गइल बा. ओने बैंकॉक में होखत एशियाई मुक्केबाजी प्रतियोगिता में सतीश कुमार सेमीफाइनल में चहुँप गइल बाड़े. उनुका के मिला के अब चार गो भारतीय मुक्केबाज दोहा विश्व चैंपियनशिप में आपन जगहा पक्का करा लिहलन.
  • अमरीका के सिलिकॉन वैली में 27 सितम्बर के होखे वाला पीएम मोदी के संबोधन सुने खातिर अबले करीब 45 हजार लोग आपन पंजीयन करा चुकल बा जबकि महज 18500 लोग के मौका मिल पाई. एह लोग के कंप्यूटर ड्रा से लाटरी निकाल के चुनल जाई.
  • उत्तर प्रदेश में काल्हु बुध का दिने एगो सरकारी स्कूल में मिड डे मील खइला का बाद करीब 60 गो बचवन के तबियत खराब हो गइल. ओहनी के राममनोहर लोहिया अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ सभकर तबियत खतरा का बाहर बतावल जात बा. vपरसो शनिचर 5 सितंबर का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी फेरू बिहार आवे वाला बाड़न. बोधगया में होखे जात विवेकानंद इंटरनेशनल फाउंडेशन, इंटरनेशनल बुद्धिस्ट कांफेडेरेशन अउर टोकियो फेडरेशन का तरफ से बोलावल गइल एगो संगोष्ठी के संबोधित करीहें पीएम.
  • सड़क परिवहन, राजमार्ग अउर जहाजरानी मंत्री नितिन गडकरी बतावत बाड़न कि देश भर में राष्ट्रीय राजमार्गन के बढ़ा के तीन महीना का भीतर डेढ़ लाख किलोमीटर क दीहल जाई. बतवलन कि पहिले एक दिन में दू किलोमीटर सड़क बनत रहुवे जब अब रोजाना चौदह किलोमीटर का रफ्त‌ार से बनावल जात बा आ अगिला साल ले एकरा के बढ़ा के तीस किलोमीटर रोज कर दीहल जाई.
  • विधानसभा चुनाव में बँवारा गोलन का बीच दू सौ सीट पर सहमति बन गइल बा आ काल्हु होखे वाला बइठक में उम्मीदवारन के नाम तय क लीहल जाई. ओने महागठबन्हन में महज पाच सीट मिलला से नाराज सपा गठबन्हन से बाहर आ सकेले, अकेले चुनाव लड़़ सकेले, भा चुनाव मैदान से बाहर रहे के फैसला ले सकेले. सब कुछ मुलायम सिंह तय करीहें.
  • हिन्दुस्तानी अवाम मोर्चा के अध्यक्ष आ मुख्यमंत्री रहल जीतनराम मांझी के कहना बा कि राजग का गोलन का बीच सीट के बँटवारा 7 सितंबर ले फाइनल क लीहल जाई.
  • बिहार के विश्वविद्यालयन में तीन हजार तीन सौ चौंसठ गो सहायक प्राध्यापकन के बहाली खातिर 19 सितंबर से साक्षात्कार शुरू होखे वाला बा. अगिला साल के सत्र शुरु होखे से पहिले बहाली के काम पूरा क लीहल जाई.
  • ओने इलाहाबाद उच्च न्यायालय में यूपी के सीनियर बेसिक स्कूलन ला 29324 गो सहायक अध्यापकन के बहाली प्रक्रिया के खामी देखत एह बारे में दाखिल सगरी याचिका पर एके साथ 8 सितंबर के सुनवाई कइल जाई.
  • यूपी सरकार राज्य के सगरी मेडिकल काॅलेजन में सगरी सेवा खातिर हड़ताल पर रोक लगा दिहले बिया.
  • रामपुर में एगो डिस्टीलरी में गैस रिसाव भइला का चलगे चार गो मजदूरन के मौत हो गइल आ तीन जने के हालत खराब बा.
  • जौनपुर जिला के संजय नगर का नियरा काल्हु एगो सड़क हादसा में दुपहिया सवार दू जने ट्रक से टकरा के मर गइलें.
  • महराजगंज जिला के बृजमनगंज इलाका में सड़क पर खड़ा महतारी बेटी के एगो वाहन कचारत भाग गइल जवना से दुनू जने के मौत ओहिजे हो गइल.