web analytics

देश दुनिया के खबर (बुध, 9 सितंबर 2015)

Crime-at-Ballia1

  • बुध का दिने बलिया बंद करावत लोग पर मालगोदाम चौराहा पर एगो मोबाइल दुकान के मालिक आपन रिवाल्वर निकाल लिहलसि आ फायर झोंक दिहलसि. एह में दू जने के गोली लागल बा आ दुनू के हालत खराब बतावल जात बा. पूरा खबर अलग से दीहल गइल बा.
  • बिहार विधानसभा चुनाव के सिंहा बाज गइल. बुध का दिने चुनाव आयोग बिहार विधानसभा चुनाव कार्यक्रम के एलान क दिहलसि. पाँच दौर में होखे वाला चुनाव 12 अक्तूबर से शुरू होखी आ आखिरी दौर के वोट 5 नवंबर के डालल जाई. वोट के गिनिती 8 नवंबर के होखी. एह एलान का साथही बिहार में चुनाव आचार संहिता लागू हो गइल बा.
  • भारतीय जनता पार्टी के नेतृत्व बुध का दिने दिल्ली में एन डी ए में शामिल गोलन के नेता लोग संगे बातचीत कइलसि. बिहार चुनाव के भाजपा प्रभारी केन्‍द्रीय मंत्री अनंत कुमार हिन्‍दुस्‍तानी अवाम मार्चा – सेक्‍युलर के नेता जीतन राम मांझी अउर लोक जनशक्ति पार्टी प्रमुख रामविलास पासवान का साथे अलगा-अलगा बइठक कइलन. पटना से दिल्ली आवे का राह में जीतन राम माँझी आ रामविलास पासवान एके जहाज से आइल आ दुनू जने का बीच बातचीत बढ़िया माहौल में होखे के बात कहल जात बा. माँझी कहलन कि पासवान उनकर बड़ भाई हउवन आ परिवार में एह तरह के बात होत रहेला जवना के बेसी तूल ना देबे के चाहीं.
  • बतावल जात बा कि भाजपा खुद 160 सीट से लड़ल चाहत बिया आ बाकी 83 सीट अउरी लोग ला छोड़ल चाहत बिया. बाकिर बाकी गोल नइखन चाहत कि भाजपा अकेले अतना सीट से लड़ो.
  • केन्द्र सरकार बुध का दिने स्‍वर्ण बांड योजना के मंजूरी दे दिहलसि. सरकार के उमेद बा कि एह योजना से सोना के डिमांड कम होखी. लोग चाहे त आपन सोना सरकार का लगे राख के ओकरा बदले रुपिया ले सकेला.
  • केंद्र सरकार के कर्मचारियन ला छह फीसदी महंगाई भत्‍ता उपर से देबे के एलान भइल बा. ई पिछला 1 जुलाई से लागू मानल जाई आ एहसे करीब 48 लाख कर्मचारियन आ 55 लाख रिटायर लोग के फायदा होखे वाला बा.
  • पाकिस्तान रेंजर्स के महानिदेशक, मेजर जनरल उमर फारूक बर्की के अगुआई में पाकिस्तानी प्रतिनिधिमंडल बुध का दिने नई दिल्ली पहुंच गइल आ काल्हु एह लोग के बइठक भारत के सीमा सुरक्षा बल के प्रतिनिधियन साथे होखी. एकर मकसद बा सीमा पर तनाव कम करे के.
  • बियफे का दिने भोपाल में होखे जा रहल बा 10 वां हिन्दी सम्मेलन जवन बत्तीस बरीस बाद हिन्दुस्तान में हो रहल बा. एकर उद्घाटन प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी करीहें. जाने जोग इहो बा कि देश के सबले बड़हन भाषा हिन्दी के चाहे वाला लोग ना चाहे कि एह इलाका के कवनो दोसर भाषा पनप पावे. एही चलते भोजपुरी, राजस्थानी, बुन्देली, अवधी वगैरह भाषा के त्रिशंकु का तरह लटका दीहल गइल बा. जब जब भोजपुरी आ राजस्थानी के संविधान के मान्यता देबे के बात होला तब तब हिन्दी के मठाधीश खेल बिगाड़े में लाग जालें.
  • दुनिया के बाजार संगे ताल मिलावत आजु भारतो के शेयर बाजार में तेजी देखल गइल आ सेंसेक्स 402 अंक के शानदार बढ़त लेके बंद भइल. ओने निफ्टीओ 130 अंक बढ़के बंद भइल. रुपियो में डालर के मुकाबले 14 पइसा के मजबूती देखे के मिलल.
  • सेफोलाजी के विशेषज्ञ रहल योगेन्द्र यादव के चिंता बा कि बिहार चुनाव में भाजपा सबले बड़हन पार्टी बन के उभरी. बाकिर एकरा से बिहार में पिछला बीसन बरीस से चलत आवत सामाजिक आन्दोलन कमजोर होखी. उनकर कहना बा कि एह हाल खातिर उहे लोग जिम्मेदार बा जे सामाजिक उभार के जाति विशेष के फायदा चहुँपावे ले सीमित कर दिहलेंं.
  • उत्तर प्रदेश के 39 गो ब्लड बैंकन के डिफाल्टर मानत खाद्य अउर औषधि प्रशासन ओह लोग का खिलाफ नोटिस जारी कर दिहले बा,
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के वाराणसी दौरा के तारीख अब 18 सितंबर तय कइल गइल बा. पिछला दू बेर सगरी तइयारी का बावजूद आखिरी घड़ी में दौरा रद्द होखत आवत बा. शायद थर्ड टाइम लकी वाला कहाउत सही हो जाव अबकी बेर.
  • कबो चुनाव जीतला का बाद दुबारा घुर ताक ना करे वाली सोनिया गाँधी दू दिन के रायबरेली दौरा पर आइल बाड़ी, आ अइला का पहिलका दिने ऊ राजीव गांधी के एगो मूर्ति के उद्घाटन कइली. कुछ बइठकन में शामिलो भइली.
  • जौनपुर जिला के सरपतहां इलाका के समोधपुर गांव में बुध का दिने एगो औरत आ ओकर दूगो बच्चा आगि से झँउस गइले. औरत के इलाज चलत बा बाकिर दुनू बचवा मर गइलें सँ. बतावल जात बा कि पारिवारिक कलह से आजिज आ के ऊ खुदे आग लगा लिहले रहुवे.

 136 total views,  2 views today

%d bloggers like this: