web analytics

देश दुनिया के खबर (बियफे, 10 सितंबर 2015)

PM-Modi-10thHindiSammelan

  • बियफे का दिने हिन्दी के अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि जरूरत बा कि हिन्दी के प्रौद्योगिकी में इस्तेमाल होखे जोग बनावल जाव. 32 बरीस बाद हिन्दुस्तान में होखत एह विश्व हिन्दी सम्मेलन के उद्घाटन करत पीएम के कहना रहे कि जल्दिए अंग्रेजी आ चीनी भाषा का बाद प्रौद्योगिकी में हिन्दी के तिसरका जगहा बन जाई आ हिन्दी भाषा के एगो बड़हन बाजार बन जाई. एह मौका पर उत्तर भारत के अउरी भाषा बोले वालन के टीस मारत बा काहे कि हिन्दी इह पट्टी के सगरी भाषा के हक मार के बइठ गइल बिया आ ओकरा चलते अनेके भाषा पनप नइखी पावत स. दुख के बात बा कि हिन्दी का चलते भोजपुरीओ के बहुते नुकसान भइल बा आ एह इलाका के हिन्दी साहित्यकारन का चलते भोजपुरी के आजु ले मान्यता ना मिलल.
  • भारत आ पाकिस्‍तान दुनू देश के सीमा के रखवारन के आजु नई दिल्ली में बइठक शुरू भइल जवना में सीमा पर होखत घटना के रोके खातिर नया रननीती बनावे पर विचार भइल. बइठक तीन दिन चले वाला बा. पहिले ई दूइए दिन चले वाला रहुवे बाकिर नया रणनीति बनावे ला एक दिन बढ़ा दीहल गइल.
  • प्रधानमंत्री मोदी आजु भोपाल में भाजपा समर्थकन के संबोधित करत कहलन कि संसद में वस्‍तु आ सेवाकर विधेयक कांग्रेस का चलते पारित ना हो सकल. कांग्रेस के अड़ियल रुख देखत संसद के मानसून सत्र के अवसान बिना वस्तु सेवा कर विधेयक पास करवले करे के पड़ गइल. कहलन कि करिया धन का बारे में बनल कानून से हवालाबाजन के होश उड़ गइल बा आ ओहनी के पता चल गइल बा कि जल्दिए ओहनी के गोड़ धरे लायक जमीन ना रह जाई. आ एही चलते सराकर के काम में बाधा दीहल जा रहल बा.
  • एनडीए के सहयोगी राष्‍ट्रीय लोक समता पार्टी आ हिन्‍दुस्‍तानी अवाम मोर्चा बिहार विधानसभा चुनाव के सीट बाँटे के सवाल पर आखिरी फैसला भाजपा पर छोड़ दिहले बाड़न बाकिर लोजपा अब ले अइसन नइखे कइले. बतावल जात बा कि ओकरा मिले वाला सीटन के गिनिती ओकरा बहुते कम लागत बा. एही बीच झारखंड मुक्ति मोर्चा एलान कइले बावे कि ऊ बिहार के सगरी सीट से चुनाव लड़ी.
  • माँसखोरन के बवाल मचवला का बावजूद कुछ अउरी राज्य जैन पर्व का मौका पर मांस बेचे पर रोक लगा दिहलें. ओने जम्मू कश्मीर के हाई कोर्ट आदेश दिहले बावे कि समूचा राज्य में गोमांस के बिक्री पर रोक के कड़ाई से पालन कइल जाव.
  • पिछला दू दिन के तेजी पर बियफे का दिने बिकवाली हावी हो गइल आ सेंसेक्स में 97 अंक आ निफ्टी में 31 अंक के गिरावट दर्ज भइल. रुपिया डालर का मुकाबले दू पइसा कमजोर हो गइल.
  • पांचवा राष्ट्रमंडल युवा खेलन में बियफे का दिने भारत दू गो स्वर्ण पदक मिला के कुल सात गो पदक हासिल कइलसि. तीरंदाजी में प्राची सिंह के महिला रिकर्व स्पर्धा के स्वर्ण पदक आ टेनिस मिक्स्ड डबल्स में शशिकुमार मुकुंद अउर धृति वेणुगोपाल के जोड़ी के स्वर्ण पदक मिलल. भारत के अब सात गो स्वर्ण, चार गो रजत आ छह गो कांस्य पदक हो गइल बा.
  • अमरीकी ओपन टेनिस टूर्नामेंट में सानिया मिर्जा महिला डबल्स आ लिएंडर पेस मिक्स्ड डबल्स के फाइनल में पहुंच गइल बाड़ें.
  • मुंबई में बियफे का दिने बोलावल यूपी सरकार के निवेश सम्मेलन में तैंतीस हजार करोड़ रूपिया निवेश के समझौता पर दस्तखत भइल. सम्मेलन के सम्बोधित करत मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि उत्तर प्रदेश में निवेश के बहुते संभावना बा आ सरकार एक खातिर हर तरह के सहायता करे ला तइयार बिया.
  • पटना में चलावल गइल एगो सघन तलाशी अभियान में गांधी मैदान थाना के कारगिल चौक का लगे एगो मोटरसाईकिल सवार का लगे से बारह लाख रुपिया नगद मिलल आ ओकरा के हिरासत में लेके पूछताछ कइल जात बा.
  • श्रीलंका एयरलाइंस के कोलंबो से चेन्नई आवत एयरबस ए 330-200 विमान उतरत घरी बहुते गरम हो गइल जवना का बाद ओकरा के रनवेए पर रोक दीहल गइल आ ओहिजे से सवारियन के उतार लीहल गइल. सभे सुरक्षित रहल.
  • बिहार चुनाव से पहिले आवत ओपिनियन पोल में बियफे का दिने एगो सर्वे में एनडीए के बढ़त बतावल गइल जबकि बुध का दिने आइल सर्वे में महागठबन्हन के बढ़त मिलत देखावल गइल रहुवे.

 200 total views,  2 views today

%d bloggers like this: