- जीतन राम माँझी काल्हु शनिचर का दिने जे रुसलन त आजु एह घरी ले रुसले बाड़न. भाजपा के लोग उनुका के मनावे में लागल बा बाकिर ऊ अबहीं ले लाइन पर नइखन आइल. उनकर जिद्द बा कि लोजपा का बरोबरे सीट चाहीं उनुको गोल के. कम पर ना मनीहें काहे कि ऊ अपना के कवनो दिसाईं रामविलास पासवान से कम नइखन मानत. महागठबन्हन के लोग आजु माँझी ले के राजग के मजाक उड़ावत बाड़े बाकिर देरी नइखे जब उनुको घरे अइसने आग लागे वाला बा. बस एक बेर टिकट बँटाइल त शुरू होखे.
- शिवसेना बिहार में पचास सीट पर भाजपा से अलगा रहते चुनाव लड़े के फैसला कइले बिया.
- अतवार का दिने पटना में गुजरात से आइल दू गो व्यापारियन का लगे से पचीस लाख रुपिया नगद जब्त कइल गइल बा. एह लोग के हिरासत में ले के पूछताछ कइल जात बा. पटना के साहपुर इलाका से 10 लाख 65 हजार रूपिया आ मुजफ्फरपुर के सरईया आ शिवायपट्टी से साढ़े 13 लाख रूपिया जब्त कइल गइल.
- जम्मू-कश्मीर में अंतर्राष्ट्रीय मैराथन के दौरान छेड़छाड़ करे के आरोप में पुलिस बारह गो बदमाशन के गिरफ्तार कइले बिया. एह मैराथन के मकसद रहल यातायात नियम, पुरनियन के अधिकार आ गरिमा, आ जलाशयन के रखरखाव आ संरक्षण खातिर जागरुकता पैदा कइल रहुवे. कुछ लोग एहमें इस्लामिक स्टेट के झंडो फहरावत लउकल.
- झाबुआ विस्फोट में मराइल लोग के परिजन के दस दस लाख रुपिया सहायता देबे के एलान कइले बाड़न मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान. पहिले एह लोग के दू दू लाख देबे के एलान भइल रहुवे. सरकार एह लोग के परिवार से नवहियन के रोजगारो दीहल जाई. जवना गोदाम में विस्फोट भइल तवना के मालिक राजेन्द्र कसावा फरार हो गइल बा आ पुलिस ओकरा तलाश में बिया.
- प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अपना अमेरिका यात्रा का दौरान 27 सितंबर का दिने फेसबुक के मुख्यालय में जइहें आ ओहिजा के टाउन हाल प्रश्नोत्तर सत्र में शामिल होखीहें.
- अतवार का दिने नासिक के रामकुण्ड में आ त्रयम्बकेश्वर के कुशाव्रत में हजारों लोग शाही स्नान कइलसि.
- कड़ा सुरक्षा इन्तजाम का बीच यूपी में अतवार का दिने लेखपाल बहाली के इम्तिहान इत्मीनान से पूरा हो गइल. एह बहाली खातिर 2192 केन्द्र पर इम्तिहान लीहल गइल आ 27 लाख लोग एहमें शामिल भइल. लखनऊ में एगो आदमी के सात गो एडमिट कार्ड आ पौने तेरह लाख रुपिया नकदी आ एगो बीएमडब्ल्यू कार का साथे गिरफ्तार कर लीहल गइल.
- लखनऊ के पारा क्षेत्र के डॉक्टर खेडा मोहल्ला में एगो मकान में पटाखा बनावत परिवार के तीन आदमी विस्फोट से मर गइलें. एह विस्फोट से उनकर मकानो भस गइल आ ई लोग ओकरा मलबा में दबा के मर गइल.
- जौनपुर जिला के शाहगंज इलाका के मजडीहा गाँव का नियरा एगो टैंकर से टकरइला का बाद दुपहिया सवार दू जने के मौत ठाँवे पर हो गइल. टैंकर चालक टैंकर ले के भाग निकलल.
- महागठबंधन में शामिल दल का बीच अब सीट के बँटवारा करे के बातचीत होखल शुरु हो गइल बा. झामुमो के शामिल भइला का बाद अब नया सिरा से सीट बाँटे के बात होखत बा.
- बिहार में तिसरका मोर्चा बनावे खातिर अतवार का दिने पटना में समाजवादी पार्टी आ राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के नेता लोग सपा नेता रघुनाथ झा के डेरा पर बइठल आ बातचीत कइल. कुछ अउरी छोट छोट गोलो के शामिल करे पर विचार कइल गइल.
- बक्सर के एगो ईनामी अपराधी संदीप कुमार के असलहा आ दस गो मोबाइल का साथे पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. ओकरा पर पचास किता से अधिका मुकदमा दर्ज बा.
- पश्चिम चंपारण जिला के शिकारपुर इलाका के बैरिया गांव में पानी भरल गड़हा में डूबला से एगो लड़िका के मौत हो गइल.
- केंद्रीय मंत्री डॉ. महेश शर्मा के कहना बा कि देश में हिंदुत्व के बढ़ावा देबे के बात कइल भगवाकरण ना ह. कहलन कि स्कूलन में रामायण आ महाभारत के पढ़ाई जरुरी बना दीहल जाव काहें कि ई दुनू ग्रंथ भारत के आत्मा के मूल में बा.
292 total views, 5 views today