Go to ...
RSS Feed

टटका खबर (बियफे, 17 सितंबर 2015)


NitishKumar

  • लइकाईं में एगो किस्सा सुनत रहीं जा कि एगो रहे सेमर, तवना में रहे तीन गो काँट. दू गो टूटले टाटल, एगो रहबे ना कइल. जवन रहबे ना कइल तवना में रहल तीन गो गड़हा. दू गो सूखले साखल, एगो में पानिए ना रहे. जवना में पानिए ना रहे तवना में रहलें तीन गो कोहार. दू गो लूल्हे लांगड़ एगो के हाथे ना रहुवे. जवना के हाथे ना रहुवे तवन बनवलसि तीन गो पतुकी. दू गो फूटले फाटल एगो के पेंदिए ना रहल… कहानी अतना लमहर होजाव कि सुनत सुनत नींद आ जाव आ कहानी पूरा ना हो पावे. कुछ कुछ उहे हाल बा बिहार विधानसभा चुनाव खातिर बनल महागठबन्हन के. पहिले त पते ना चलल कि के साँप ह, के चंदन. के जहर पीयत बा आ के साँप का साथे मजबूरी में रहत बा. दुनू जने मिल के तिसरका गोल के अपना में साट लिहलें जवना का चलते समधी खिसिया गइलन आ अलगा गोलबन्दी बना लिहलन. अब ओह कांग्रेस के राजकुमार कहाए वाला राहुल गाँधी बिहार में आपन चुनाव प्रचार करे 19 तारीख के चंपारण आवे वाला बाड़न. पहिले त कहल गइल कि उनुका रैली में लालू ना रहीहें बाकिर केहू एकरा के रूसल खिसियाइल मत मान लेव एहसे ऊ अपना बेटा के एह रैली में शामिल रहे के बात कहलन. अब सुने में आवऽता कि सुशासनो बाबू एह रैली में ना जइहें. अब एकरा के राहुल के बेइज्जति मानल जाव कि उनकर औकात बतावे के कोशिश ई समुझल आसान नइखे आ राहुल के त बुझइबे ना करी कि खिसियासु कि हँससु. पिछला सरकार जब लालू के चुनाव लड़े लायक ना रहे दिहला से बचावे खातिर कानून बनावे के सोचलसि त इहे राहुल अपना कुर्ता के बाँह चढ़ावत अचके प्रेस सम्मेलन में घुस आइल रहलें आ ओह अध्यादेश के चिंदी उड़ा दिहले रहन. ओकरे नतीजा बा कि लालू चुनावो लड़े लायक नइखन रहि गइल आ अब अपना परिवार भरोसे आपन राजनीति बचावे के कोशिश में लागल बाड़े. अलग बात बा कि एह चलते बाकी यादव नाराज हो गइल बाड़ें लालू प्रसाद से.
  • देश में एह घरी चरचा में बस गइल शीना मर्डर केस में एगो नया खुलासा भइल बा. मुंबई के एगो इंसपेक्टर के कहना बा कि जब रायगढ़ का जंगल में एगो अधजरल लाश मिलल रहुवे त ऊ एकरा के मर्डर केस मान के एफआइआर लिखे वाला रहलन बाकिर तब रायगढ़ के एसपी रहल आरडी शिंदे उनुका के मना कर दिहलन.
  • जनता के मन में ई बात हमेशा से रहल बा कि देश के व्यवस्था कुछ एह तरह से बना दीहल गइल बा कि कवनो बात जवन हिन्दू मानस का खिलाफ होखो तवना के देश के संवैधानिक संस्थन से भरपूर सहयोग मिल जाला. रेप के दोषी, आतंकवार के सजायाफ्ता कैदी, गाय के माँस खाए के पैरवीकार वगैरह सभके भरपूर सपोर्ट मिल जाला एह सिस्टम से बाकिर वइसने सपोर्ट कबो कवनो हिन्दू समर्थक के ना मिल पावे. पिछला दिने महाराष्ट्र में मीट बैन कइल गइल त ओह दिने कुछ लोग मंदिर का सोझा खड़ा हो के मांस पकावल आ ओहिजे कचरल बाकिर ओहनी के रोके वाला केहु ना रहुवे. ना त महाराष्ट्र सरकार ना कवनो अदालत. आ अब त अदालतो कहत बाड़ी सँ कि मीट बैन ना लगावल जा सके. जेकरा खाए के बा ओकरा खाए के अधिकार बा. बाकिर इहे व्यवस्था आ अदालत तब चुप्पी साध लेलें जब कवनो मुस्लिम बहुल इलाका में हिन्दू त्योहार मनावे पर, अपना परिजन के लाश जरावे ले पर रोक लाग जाला.
  • दक्खिन अमरीकी देश चिली में बुध के अधरतिया में आइल भूकंप से 8 लोग के मौत हो गइल आ करीब 10लाख लोग बेघर हो गइल. अनेके मकान भस गइली सँ आ भूकंप के डेढ़ घंटा बाद समुन्दर में पन्द्रह फीट ऊँच लहर उठली सँ. भूकंप के ताकत 8.3 रहुवे जवन भयंकर भूकंप में होखेला.
  • दू दिन पहिलहूं अपना पद से इस्तीफा देबे वाला नेहरू स्मारक संग्रहालय आ पुस्तकालय के निदेशक महेश रंगराजन अब फेरू इस्तीफा दे दिहले बाड़न. बाकिर अबकी उनकर इस्तीफा तुरते सकार लीहल गइल. सरकार एह स्मारक के कुछ लोग आ परिवार के चारागाह बनल रहे से रोकल चाहत बिया.
  • बिहार के राजनीति में बँवारा गोलन के हालत अइसन पातर हो गइल बा कि कुछ नक्सली आ माओवादियन के हिंसा के छोड़ दीहल जाव त कतहीं कवनो कोना में बँवारा मौजूदगी के लक्षण ना लउके. एक जमाना में बिहार में बँवारा गोलन के 35 गो विधायक रहलें बाकिर पिछला विधानसभा में ओकर महज एगो विधायक रहलन.
  • केंद्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली के कहना बा कि जब आंकड़ा साफ बतावत बा कि विकास का मामिला में गुजरात पहिला नंबर पर आ बिहार 21वां नंबर पर बा त नीतीश कवना बात के बहस कइल चाहत बाड़न.
  • कुछ दिन पहिले जीतन राम माँझी के बेटा के गाड़ी से 4.65 लाख रुपिया बरामद भइल रहुवे त बियफे का दिने पटना पुलिस एगो भाजपा नेता के कार से 12 लाख रुपिया बरामद कइले बिया. कार में ओह बेरा पालीगंज से भाजपा विधायक उषा विद्यार्थी मौजूद ना रहली. पुलिस कार आ रुपिया जब्त क लिहले बिया.
  • वित्‍तमंत्री अरूण जेटली बियफे का दिने कहलन कि सरकार जल्दिए लटकल टैक्स मामिलन के न्यायायिक भा प्रशासनिक समाधान कर लीहि.
  • प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी शुक का दिने वाराणसी में बनारस हिन्‍दू विश्‍वविद्यालय में बनल ट्रामा सेन्‍टर के राष्‍ट्र के समर्पित करीहें. पिछला दू बेर प्रधानमंत्री के कार्यक्रम एन मौका पर रद्द कर दीहल गइल रहे आ अब उमेद बा कि तिसरका बेर उनकर कार्यक्रम हो जाई.
  • महाराष्‍ट्र में दस दिन चले वाला गणेशोत्‍सव के शुरूआत बियफे का दिन से हो गइल. बियफे का दिने भगवान विश्वकर्मा के जयंती रहल आ अपना देश के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के जन्मदिन. तीनों के लोग पूरा उल्लास आ श्रद्धा से मनावल.
  • इराक में मध्‍य बगदाद के शिया बहुल इलाकन में बियफे का दिने तीन गो बम फाटल जवना से नाहियो त दू दर्जन लोग के मौत हो गइल आ करीब पाँच दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. एह धमाकन के जिम्मेदारी सुन्नी आतंकी संगठन इस्‍लामिक स्‍टेट सकार लिहले बावे.
  • पहिले केन्द्रीय मंत्री रह चुकल राजद के रघुनाथ झा आ हिअमो के देवेन्द्र प्रसाद यादव बियफे का दिने लखनऊ में समाजवादी गोल में शामिल हो गइलन.
  • शिवसेना बिहार विधानसभा चुनाव में एक सौ पचास सीट से अकेले चुनाव लड़े के एलान कइले बिया.
  • श्रीराम जन्मभूमि आन्दोलन के नेता आ गोरखपुर के सांसद रहल आ गोरक्ष पीठाधीश्वर स्व. महंथ अवैद्यनाथ के स्मृति में एगो डाक टिकट जारी करे के फैसला लीहल गइल बा. एह साल पचीस गो नया टिकट जारी होखे के तय बा जवना में से अबले पन्द्रह गो टिकट जारी हो गइल बा.

Tags: , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: