Archives for October 2015
यूपी के क्षेत्र आ जिला पंचायत सदस्यन खातिर होखत चुनाव के चउथका आ आखिरी दौर आजु सकुशल निपट गइल. वोटिंग खाति सभत्तर चइकस पुलिस प्रबन्ध रहुवे आ जहाँ तनाव बेसी रहल ओहिजा अर्ध सैनिक बल लगावल गइल रहुवे. काल्हु रात से शुरु बूनी का बीच खुशगवार हो गइल मौसम में लोग वोट डालल. गाजीपुर में
बिहार विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के बाद सभकर दावा बा जीत के. बाकिर जानकार बतावत बाड़ें कि महागठबन्हन के निराश होखे के पड़ी आ एकरा साथ ही कांग्रेस के एगो बड़हन झटका लागे वाला कि मध्यवर्ग, नवही, उपरका जाति के लोग, आ मेहरारूवन के जमात भाजपा का ओर चल दिहले बा. एह चुनाव में
चिंहुकला के जरूरत नइखे. मुस्लिम प्रेमी ममता बनर्जी के राज में पश्चिम बंगाल में कई जगहा हिन्दू आपन रीति रिवाज के पालन ना कर सकसु. कतहीं लाशो जरवला पर मनाही त कई जगहा आपन पर्व उत्सव मनावे पर. मुसलमान स्वभाव ह कि जबले उनकर गिनिती कम रहेला कवनो इलाका में तबले उनुका माइनोरिटी के सगरी
बीसन बरीस से देश से फरार चलत छोटा राजन नाम के डाॅन इंडोनेशिया के बाली में धरा गइला का बाद कहत बा कि ओकरा सरेंडर के झूठ अफवाह पसारल जात बा. कहलसि कि भारत लवटल चाहत बा ऊ. जाने जोग बा कि भारत के भंड़ुआ मीडिया दाउद के कबो मुसलमान डाॅन ना बतवलसि बाकिर छोटा
भारत-अफ्रीका फोरम शिखर सम्मेलन के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलन कि भारत आ अफ्रीकी देशन के बीच के एह मुलाकात से दुनिया के एक तिहाई आबादी एक छत का नीचे आ गइल बिया. कहलन कि सवा अरब भारतीय आ सवे अरब अफ्रीकियन के दिल के धड़कन एके जइसन होले. कहलन कि भारत आ अफ्रीका
देश में मोबाइल सेवा देबे वाला कंपनियन का तरफ से भारतीय दूरसंचार नियामक प्राधिकरण के बतावल गइल बा कि अगर काॅल ड्राप कइला से होखे वाला कमाई पर रोक लगावल गइल त रेट बढ़ा देबे के पड़ी. आ काॅल ड्राप के भरपाई के खामियाजा कंपनियन का बदले गाहके लोग के भरे के पड़ी. अब देखल
यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु अपना आठ गो मंत्रियन के निकला बाहर क दिहलें आ नौ जने से विभाग छीन लिहलें. निकाल बाहर कइल गइल मंत्रियन में बलिया के नारद राय आ अम्बिका चौधरी का साथही भगवत शरण गंगवार, शिवकुमार बेरिया, शिवाकांत ओझा, योगेश प्रताप सिंह, आलोक कुमार शाक्य, आ अरिदमन सिंह शामिल बाड़ें.
भारत में होखत भारत अफ्रीका शिखर सम्मेलन में राजनीतिक सहभागिता आ विकास में सहयोग का दिशाईं दू गो दस्तावेज फाइनल करे के तइयारी चलत बा. एह बात के जानकारी विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता विकास स्वरूप दिहले बाड़न. बतवलन कि एह देशन के विदेश मंत्रियन के एगो बइठक काल्हु मंगल का दिने होखे जात बा जवना
कनाडा में ह्वेल मछली देखे चलल एगो नाव ब्रिटिश कोलम्बिया का किनार पर काल्हु डूब गइल. एह हादसा में नाव पर सवार पाँच लोग डूब के मर गइल जबकि 21 लोग के बचा लीहल गइल. एक आदमी अबहियों लापता बतावल जात बा.
मेक्सिको सिटी में होखत तीरंदाजी के वर्ल्ड कप में भारत के दीपिका कुमारी के रजत पदक मिलल बा. ई उनुकर चउथा वर्ल्ड कप रजत पदक हवे. इहे बतावत बा कि उनकर प्रयास कतना सही दिशा में बा जे लगातार एह तरह के हासिल पावत जात बाड़ी. एही प्रतियोगिता में भारत के अभिषेक वर्मो एगो रजत
बजरंगी भाईजान त काल्पनिक कहानी पर बनल सिनेमा रहुवे बाकि वइसने कहानी भारत के गूंग बहीत लड़िकी गीता के बा जे भुला के पाकिस्तान चल गइल रहुवे. ओहिजा के ईधी फाउंडेशन के लोग आजु ओकरा के ले के भारत चहुंपल. एहिजा ओकर मुलाकात ओकर परिवार होखे के दावा करे वाला लोग से भइल बाकिर गीता
अंडरवर्ल्ड डॉन छोटा राजन के काल्हु अतवार का दिने इंडोनेशिया के बाली में गिरफ्तार क लीहल गइल बा. बाकिर गिरफ्तारी का बाद के फोटो में ऊ बहुते खुश लउकत बा. बतावल जात बा कि दाऊद से जान बचावे खातिर छिछियात फिरत राजन थाक गइल रहुवे. ओकर तबीयत बहुते खराब चलत बा आ रोज रोज मेडिकल
आजु सोमार का दुपहरिया में दू बजे आइल एगो बड़हन भूडोल से दिल्ली समेत पूरा उत्तरी भारत काँप उठल. भूकंप के केन्द्र अफगानिस्तान में हिन्दुकुश के पहाड़ी इलाका के फैयाजबाद से 82 किलोमीटर दक्खिन-पश्चिम में 196 किलोमीटर के गहराई में रहुवे जवना से अधिका नुकसान ना हो पावल. बाकिर तबहियों पाकिस्तान आ अफगानिस्तान में सौ
दशहरा का बाद चुनाव प्रचार करे आइल पीएम मोदी के एगो नया आक्रामक रुप लउके लागल बा अब. दशहरा से पहिले चार गो परिवर्तन रैली अउर आठ गो चुनाव सभा क चुकल मोदी अइसन हमलावर अंदाज में ना लउकत रहलें. बाकिर अतवार का दिने अपना चारो सभा में मोदी अपना विरोधियन पर जम के हमला
गोपालगंज जिला के थावे इलाका के केशवपुर गांव में शनिचर का दिने एगो व्यापारी के लूट के भागत लूटेरन के गाँव वाले चहेट के ध लिहलें आ दू गो लुटेरन के पीट पीट के मुआ दिहलें. अब एह मामला में पुलिस पाँच सौ लोग पर मुकदमा लिख लेले बिया. मराइल लूटेरन में से एगो छपरा
तरैया प्रखंड के नेवारी बाजार में दुर्गा पूजा के मौका पर एगो भोजपुरी नाटक ‘इज्जत’ खेलल गइल. एकर निर्देशक रहलन अजरुन युवराज आ संचालन कइलन सुभाष कुमार. नाटक के सगरी कलाकारन के पूजा समिति का तरफ से सम्मानित कइल गइल.
दशहरा का दिन से गायब सीतलपुर बाजार के युवा नेता अभय राय के लाश अतवार का दिने बोरे में बंद क के दरियापुर इलाका के हरदिया चंवर में फेंकल मिलल. गाँव वालन से खबर पा के पुलिस चहुँपल आ लाश बरामद कइलसि.
एगो पत्रकार के चलावल स्टिंग ऑपरेशन में जदयू के विधायक सत्यदेव कुशवाहा एगो धंधा करेवाला से दू लाख रुपिया लेत कैमरा में धरा गइले. एहसे पहिले एगो अउर विधायक मंत्री अवधेशो कुशवाहा एही तरह धराइल रहलें आ उनुका मंत्री पद से इस्तीफा देबे पड़ल आ चुनाव के टिकटो छीना गइल. अब देखल जाव कि जदयू
पीएम मोदी काल्हु अतवार का दिने अपना मन का बात में बतवलन कि पहली जनवरी से छोटका बहालियन में इंटरव्यू के सिस्टम खतम क दीहल जाई. केन्द्र सरकार के लागत बा कि इंटरव्यू का चलते बहाली में बदहाली आ बेईमानी के बोलबाला रहेला जबकि एह पदन खातिर इंटरव्यू के जरूरत ना होखे के चाहीं. सीधे
मझवां से विधायक रह चुकल रामचन्द्र मौर्य के शनिचर का दिने लमहर बीमारी का बाद निधन हो गइल. उनुका के लोग वाराणसी अस्पताल ले जात रहुवे बाकिर राहे में मौत हो गइल. भदोही के खम्हरिया के निवासी रामचन्द्र मौर्य भाजपा आ मिर्जापुर के कालीन आ जमीन व्यापार से जुड़ल रहलें.
Older Posts››