बनारस के गंगा सरोवर में भसान का दिने चारो तरफ नो व्हेकिल जोन
October 22, 2015
आजु मूर्ती भसान का मौका पर वाराणसी में खास तौर से बनावल गंगा सरोवर में सगरी मुर्तियन के भसान करावल जाई. एह बदे भीड़ के कवनो परेशानी ना होखे एह ला सरोवर जाए वाला सगरी रास्ता के नो व्हेकिल जोन बना दीहल गइल बा. मूर्ति ले जाए वाली गाड़ियन के छोड़ कवनो दोसर गाड़ी के एह राह पर ना चले दीहल जाई. प्रशासन सुरक्षा के चाक चौबंद इंतजाम करवले बा आ सगरी जुलूसन के वीडियग्राफी करावल जाई.