web analytics

भोजपुर जिला के चुनावी हालचाल

पिछलका विधान सभा चुनाव में भोजपुर जिला के चार गो सीट भाजपा के आ दू गो राजद के मिलल रहुवे. एगो सीट जदयू का लगे रहुवे. अबकी सगरी सीटन पर मोटा मोटी तिकोनिया लड़ाई बा. संदेश सीट पर भाजपा के संजय सिंह टाइगर, राजद के अरुण यादव आ भाकपा माले के राजू यादव मुकाबला में बाड़ें. बड़हरा सीट से राजद विधायक रहल राघवेंद्र प्रताप सिंह अबकी समाजवादी पार्टी का टिकट पर चुनाव लड़त बाड़न. भाजपा एहिजा से आशा देवी के आ राजद सरोज यादव के उतरले बा. आरा सीट पर भाजपा के अमरेंद्र प्रताप सिंह के मुकाबला राजद के नवाज आलम से बा. अगिआंव सुरक्षित सीट पर भाजपा के शिवेश राम, जदयू के प्रभुनाथ प्रसाद अउर भाकपा माले के मनोज कुमार मंजिल का बीच लड़ाई बा. जगदीशपुर सीट से राजद विधायक दिनेश कुमार सिंह आपन नया गोल बना के लड़त बाड़न. उनकर लड़ाई रालोसपा के राकेश रौशन आ राजद के रामविशुन सिंह से बावे. भाकपा माले के चंद्रदीपो मैदान में बाड़न. तरारी सीट से कांग्रेस के अखिलेश प्रसाद सिंह के मुकाबला लोजपा के गीता पांडेय से बा जे पिछला विधायक सुनील पांडेय के पत्नी हई. शाहपुर सीट पर भाजपा के विशेश्वर ओझा आ राजद के राहुल तिवारी का बीच कांटा के टक्कर बा.

 375 total views,  2 views today

%d bloggers like this: