तीन दिन का भितरे अपना खाता में तीस लाख रुपिया जमा करावे वाला जदयू आ एक लाख रुपिया जमा करावे वाला सपा से आयकर विभाग नोटिस भेज के एह रुपिया के जरिया का बारे में जानकारी मंगले बिया. एह लोग के सात दिन का भीतर एह बात के जानकारी दे देबे के बा. एह बीच राज्य में चेकिंग का दौरान गाड़ियन से रुपिया मिले के खबर लगातार आवत बा. काल्हु एके दिन में कुल मिला के चौबीस लाख रुपिया बरामद भइल बा.
225 total views, 5 views today