दक्खिन अफ्रीका से चउथका एकदिना खेलत भारत काल्हु चेन्नई में दक्खिन अफ्रीका के 35 रन से हरा के सीरीज मे 2-2 के बरोबरी पर चहुँप गइल. भारत के बनावल 299 रन का जवाब में खेलत दक्खिन अफ्रीका के टीम पचास ओवर में 9 विकेट गँवा के महज 264 बना पवलसि आ मैच हार गइल. एह मैच मे विराट कोहली शानदार शतक जमवलन आ पहिला बेर एह सीरीज में भारत के टाॅस जीत के मौका मिलल.
344 total views, 5 views today