web analytics

महागठबन्हन के झूठ के काट करे मैदान में उतरल संघ

आरक्षण पर सरसंघचालक मोहनजी भागवत के बयान ले के झूठ के जाल पसारत महागठबन्हन का खिलाफ संघ सीधे जनता से रुबरु होखे आ साँच बतावे के फैसला कइले बावे. एकरा खातिर संघ के स्वयंसेवक गाँवे गाँव जा के लोग के असल बात बतावत बाड़ें. सरसंघचालक आरक्षण खतम करे के बात कबो ना कहलन बाकिर महागठबन्हन के नेता झूठ बोल बोल के जनता के भरमावे में लागल बाड़ें. संघ के एह झूठ के काट कइला के असर पड़े लागल बा आ लोग महागठबन्हन के जातिवादी नेतवन के असलियत समुझे लागल बाड़ें. चारा घोटाला में जेल के सजा पा चुकल बाकिर जमानत पर छूटल लालू प्रसाद एह तरह से घूमत बाड़न जइसे उनका चारा घोटाला से मुक्ति मिल गइल बा.

 377 total views,  2 views today

%d bloggers like this: