यूपी के मंत्री ने महागठबंधन के नेतवन के धोखेबाज बतवलन
October 24, 2015
बिहार विधानसभा चुनाव में महागठबन्हन से मिलल धोखा के बात बतावत यूपी के पर्यटन मंत्री ओम प्रकाश सिंह शुक का दिने मांझी विधानसभा क्षेत्र के दाउदपुर समेत अनेके जगहा पर चुनाव सभा में बतवलन. कहलन कि ई लोग सपा आ मुलायम सिंह का साथे धोखा कइले बा आ जनता के एह लोग के झाँसा में नइखे आवे के. कहलन कि माँझी इलाका के जनता सपा उम्मीदवार गौतम सिंह के पक्ष में वोट करे के मन बना लिहले बिया.