भाजपा नेता गिरिराज सिंह एगो वीडियो क्लिप जारी कइले बाड़न जवना में नीतीश कुमार एगो तांत्रिक के शरण में चहुँपवल देखावल गइल बाड़े. मकसद रहुवे लालू से जान छोड़ावे के आ तांत्रिक लालू मुर्दाबाद के नारा लगावत देखावल गइल बा ओह वीडियो में. अब जदयू के कहना बा कि वीडियो क्लिप का साथे छेड़खानी कइल गइल बा आ मामला बहुते पुरान ह, पर साल के. ओने लालू के कहना बा कि सबले बड़का तांत्रिक ऊ खुद हउवन आ कवनो तांत्रिक के तंत्र उनुका पर काम ना करी. बाकिर मामला चरचा में आ गइल बा आ महागठबन्हन के फजीहत होखत बा.
367 total views, 5 views today