अंडरवर्ल्ड डॉन छोटा राजन के काल्हु अतवार का दिने इंडोनेशिया के बाली में गिरफ्तार क लीहल गइल बा. बाकिर गिरफ्तारी का बाद के फोटो में ऊ बहुते खुश लउकत बा. बतावल जात बा कि दाऊद से जान बचावे खातिर छिछियात फिरत राजन थाक गइल रहुवे. ओकर तबीयत बहुते खराब चलत बा आ रोज रोज मेडिकल चेकअप खात जाए के पड़त रहुवे. अब ओकर सगरी इलाज आ जान के सुरक्षा के जिम्मा इंडोनेशिया पर आ गइल बा. भारत ओकरा के एहिजा ले आवल चाही काहेंकि ओकरा से बहुते राज मिल सकेला दाऊद का बारे में. कहल त इहो जात बा कि सगरी कवनो सेटिंग का तहत भइल बा.
291 total views, 5 views today