दशहरा का बाद चुनाव प्रचार करे आइल पीएम मोदी के एगो नया आक्रामक रुप लउके लागल बा अब. दशहरा से पहिले चार गो परिवर्तन रैली अउर आठ गो चुनाव सभा क चुकल मोदी अइसन हमलावर अंदाज में ना लउकत रहलें. बाकिर अतवार का दिने अपना चारो सभा में मोदी अपना विरोधियन पर जम के हमला बोललें. पटना का लगे नौबतपुर में अइसन बड़हन सभा अबले ना भइल रहुवे. लाखों के भीड़ प्रशासन के सगरी बाधा पार क के चहुँपल. आरक्षण मुद्दा पर संघ प्रमुख मोहन जी भागवत के बयान के तूड़ताड़ के पेश करे वाला लालू आ नीतीश के हवा निकालत मोदी कहलन कि कवनो ताकत नइखे जवन आरक्षण के खतम करा सको. बाकिर मिलल आरक्षण में से पाँच फीसदी काट के दोसरा समुदाय के देबे के बात कहल कहाँ ले जायज बा.
तिसरका दौर के मतदान वाला इलाकन में आजु सोमार के साँझ से प्रचार बन्द हो गइल बा बाकिर पीएम के सभा में जुटल भीड़ आ ओकर भागीदारी साफे बता दिहलसि कि जनता के फैसला का रहे वाला बा. एह दौर में पटना, सारण, वैशाली, नालंदा, भोजपुर आ बक्सर जिलन के कुल मिला के पचास सीट के चुनाव होखे वाला बा.
366 total views, 5 views today