web analytics

एगो छात्र के मौत का बाद बनारस के एगो अस्पताल पर बवाल

यूपी काॅलेज, वाराणसी के एगो छात्र तबियत बिगड़ला पर गिलट बाजार के एगो नर्सिंग होम पर भरती करावल गइल रहुवे जहाँ से तबियत अउरी बिगड़ला का बाद बीएचयू खाति रेफर क दीहल गइल. लोग उनुका के ले के जाते रहुवे कि राहे में मौत हो गइल. एकरा बाद परिजन लवटलें आ ओह निजी अस्पताल पर … Read more

 235 total views,  5 views today

खेल शुरु होखे से पहिलहीं हरदी गुरदी बोले लागल कांग्रेस

यूपी कांग्रेस के आपन बेंवत आ औकात के बढ़िया से पता बा एही चलते अबहिऐं से बात उठे लागल बा कि यूपीओ में बिहारे का तरह भाजपा विरोधी गोलन के एकजुट क के ओही गठबन्हन में लड़े कांग्रेस. अकेले लड़ला से ओकर औकात के पता लाग जाई आ मुट्ठी भर सीट से अधिका ना जीत … Read more

 330 total views

मैच सीरीज आ इज्जत तीनो गंँववलसि धोनी के टीम

डु प्लेसिस, डी विलियर्स अउर डी काॅक के सेन्चुरियन आ स्टेन अउर रबाडा के सधल गेंदबाजी के बदौलत भारत दक्खिन अफ्रीका से खेलत आपन पाँचवा एकदिना 214 रन से हार गइल. एकरा साथही सीरीज के फैसला 3-2 से हो गइल. मुंबई के वानखेडे में कबो ना हारल भारत के टीम एह मैच में बहुते खराब … Read more

 393 total views

पीएम भाषण में उठवले तांत्रिक के मुद्दा

आजु अतवार का दिने सारण जिला के मढ़ौरा में भाजपा के चुनाव सभा के संबोधित करत पीएम मोदी कहलन कि परम आदरणीय लोकतांत्रिक नीतीश बाबू आ परम आदरणीय हिंदुस्‍तान के सबले बड़ तांत्रिक होखे के दावा करे वाला लालू जी, बिहार के जनता रउरा से पूछल चाहत बिया कि बिहार के नवहियन के बाहरी के … Read more

 417 total views,  5 views today

दिघवारा में सीतलपुर बाजार के एगो नवही के अपहरण

दशहरा का दिने घर से निकलल सीतलपुर बाजार के अभय राय के पता नइखे लागत आ उनका बड़ भाई के शिकायत पर पुलिस गुमशुदगी के रिपोर्ट लिख के जाँच करत बिया. अनेसा बा कि अभय राय के अपहरण हो गइल बा काहे कि उनकर दुनू मोबाइल बंद मिलत बा. शनिचर का भोर में इलाका के … Read more

 386 total views

लालू से पीछा छुड़ावे खाति तांत्रिक का शरण में चहुँपले नीतीश

भाजपा नेता गिरिराज सिंह एगो वीडियो क्लिप जारी कइले बाड़न जवना में नीतीश कुमार एगो तांत्रिक के शरण में चहुँपवल देखावल गइल बाड़े. मकसद रहुवे लालू से जान छोड़ावे के आ तांत्रिक लालू मुर्दाबाद के नारा लगावत देखावल गइल बा ओह वीडियो में. अब जदयू के कहना बा कि वीडियो क्लिप का साथे छेड़खानी कइल … Read more

 367 total views

छेड़खानी से आजिज आ के जान दे दिहलसि एगो लड़िकी

आजमगढ़ जिला के कप्तानगंज इलाका के एगो गांव के लड़िकी शुक का रात में फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. अपना सुसाइड नोट में ऊ गाँवे के तीन गो नवहियन पर छेड़खानी करे के अछरंग लगवले बिया. लिखले बिया कि शुक का दिने मेला देखे गइल रहुवे तबो ई लोग ओकरा से छेड़खानी कइलसि आ … Read more

 291 total views

गौतम गंभीर आ मनोज तिवारी का बीच मैदाने पर झगड़ा

काल्हु नई दिल्ली के फिरोजशाह कोटला मैदान पर चलत रणजी ट्राफी के मुकाबला में दिल्ली के कप्तान गौतम गंभीर कोलकाता के कप्तान मनोज तिवारी से अझूरा गइलन आ कहलन कि निकल बाहर आजु साँझ के तोर पिटाई करत बानी. एह दौरान बीच बचाव के कोशिश करे वाला अंपायरो के धक्का दे दिहलन गौतम गंभीर. बाद … Read more

 306 total views

रिटायर्ड जज के बेटी के अपहरण करे वाला गिरफ्तार

मिर्जापुर के देहात कोतवाली गाँव के रहे वाला एगो न्यायायिक अधिकारी बिहार के दरभंगा में जज रहलन आ रिटायर्ड भइला का बाद अपना पैतृक गाँव में आ के बस गइल रहलन. पिछला 17 तारीख के उनुका निजी गाड़ी के ड्राइवर उनका साथही एहिजा आइल रहुवे आ उनुका बेटी के घुमावे ले गइल त लवटल ना. … Read more

 320 total views

शातिर अपराधी के फर‌ार भइला का चलते दरोगा आ पाँच गो सिपाही सस्पेंड

वाराणसी जेल से बरेली जिला जेल ले जाए का दौरान एगो शातिर अपराधी रईस बनारसी बीचे में भाग निकलल. रईस अबहीं ले पकड़ में नइखे आइल आ मामला के जाँच चलत बा. एह बीच ओकरा के ले के जाए वाला दारोगा आ पाँच गो सिपाहियन के सस्पेंड कर दीहल गइल बा. बतावल जात बा कि … Read more

 265 total views

भारत दक्खिन अफ्रीका के एकदिना सीरीज के फैसला आजु

पिछला चार गो एकदिना में से दू दू गो मैच जीत के बरोबरी पर खड़ा भारत आ दक्खिन अफ्रीका के सीरीज के फैसला आजु पाँचवा आ आखिरी एकदिना मैच में होखेवाला बा. मैच मुंबई के वानखेडे स्टेडियम में खेलल जाई जहाँ आजु ले भारत हारल नइखे. हालांकि पिछला चार मैच में कवनो टीम लगातार दू … Read more

 360 total views

कार्पेट बांबिंग जइसन चुनाव प्रचार

भाजपा के चुनाव प्रचार ओइसने तरह के हो रहल बा जइसे कि हवाई हमला में कार्पेट बांबिंग करे में कइल जाला. एके साथे कई जगह हमला क के दुश्मन के सम्हरे के मौका मत दीहल जाव. एकरे के कार्पेट बांबिंग कहल जाला. आजु बिहार के तिसरका दौर के चुनाव ला भाजपा नीत राजग का तरफ … Read more

 290 total views

मुहर्रम का मौका पर सुन्नी आतंकियन के निशाना पर अइले शिया मुसलमान

बांग्लादेश में आजु शनिचर का दिने एगो शिया मस्जिद पर सीरियल बम धमाका कइले सुन्नी आतंकी जवना से एगो नमाजी के मौत हो गइल नाहियो त 90 लोग घवाहिल हो गइल बा. हमला ओह बेरा भइल जब शिया लोग अपना पवित्र दिन अशूरा के मौका पर जुलूस खातिर बिटोराइल रहुवे. रात डेढ़ बजे हुसैनी दालान … Read more

 229 total views

एक महीना के शांति का बाद फेरू लड़ाई बन्दी लंघलसि पाकिस्तान

काल्हु रात से पाकिस्तान फेरू सीमा पर लड़ाई बन्दी लाँघत सांबा जिला के नौ गो बीएसएफ चौकियन पर गोलीबारी कइलसि. एह गोलीबारी से एगो नागरिक के मौत हो गइल आ चार लोग घवाहिल हो गइल बा. भारतो का तरफ से जोरदार जवाब दीहल गइल बा बाकिर ओह पार भइल नुकसान के जानकारी नइखे मिलल.  255 total … Read more

 255 total views

गीतकार गुलजारो के लागत बा कि पुरस्कार लवटावे में तनिका राजनीति होखत बा.

पटना में एगो आयोजन में शामिल होखे आइल मशहूर गीतकार गुलजार कहलन कि लिखनिहारन के मिलल साहित्य अकादमी पुरस्कार लवटावे में तनिका राजनीति होखत बा. कहलन कि पहिले त ई जाने के चाहीं कि कसूर केकर बा. का साहित्य अकादमी एकर दोषी बा जे ओकर दीहल सम्मान वापस करत बाड़े लिखनिहार. गुलजार के कहना रहुवे … Read more

 229 total views

नाइजीरिया में बम धमाका में 42 जने के मौत

नाइजीरिया में भइल दू गो अलग-अलग हमला में नाहियो त 42 लोग मारल गइल बा आ सौ से बेसी लोग घवाहिल हो गइल बा. ई हमला उत्तर पूर्वी नाइजीरिया के योला में एगो नया बनल मस्जिद में भइल जवना में 27 लोग मर गइल. एहसे पहिले मैडूगरी में एगो फिदायिन हमला क के 15 लोग … Read more

 290 total views

मुँह लटका के लवटलें नवाज अमेरिका से

अमेरिका जा के राष्ट्रपति बराक ओबामा से बतियवला का बाद पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज कश्मीर खाली हाथे लवटे ला मजबूर हो गइलन. कश्मीर मामिला में दखल देबे के पाकिस्तानी मांग ना मनलसि अमेरिका आ इहो कह दिहलसि कि ओकरा साथे भारत जइसन परमाणु करार ना कइल जा सके. साथही अमेरिका उनुका के चेतवलसि कि आतंकियन … Read more

 280 total views

यूपी के मंत्री ने महागठबंधन के नेतवन के धोखेबाज बतवलन

बिहार विधानसभा चुनाव में महागठबन्हन से मिलल धोखा के बात बतावत यूपी के पर्यटन मंत्री ओम प्रकाश सिंह शुक का दिने मांझी विधानसभा क्षेत्र के दाउदपुर समेत अनेके जगहा पर चुनाव सभा में बतवलन. कहलन कि ई लोग सपा आ मुलायम सिंह का साथे धोखा कइले बा आ जनता के एह लोग के झाँसा में … Read more

 265 total views

मेला देखे गइल नवही के गरदन रेत के मार डालल गइल

सारण जिला के रिविलगंज इलाका के औली गाछी गाँव के एगो पचीस बरीस के नवही बबलू राय के पिछला नवमी के रात्रि गरदन रेत के मुआ दीहल गइल. ई अपराध करिंगा मठिया गांव का लगे भइल आ कुछ बदमाश एह वारदात के अंजाम दिहलें बाकिर ओहनी के पहचान पता नइखे चलल. घटना के जानकारी मिलला … Read more

 345 total views

महागठबन्हन के झूठ के काट करे मैदान में उतरल संघ

आरक्षण पर सरसंघचालक मोहनजी भागवत के बयान ले के झूठ के जाल पसारत महागठबन्हन का खिलाफ संघ सीधे जनता से रुबरु होखे आ साँच बतावे के फैसला कइले बावे. एकरा खातिर संघ के स्वयंसेवक गाँवे गाँव जा के लोग के असल बात बतावत बाड़ें. सरसंघचालक आरक्षण खतम करे के बात कबो ना कहलन बाकिर महागठबन्हन … Read more

 336 total views