web analytics

गलत बयान देके माकपा सांसद संसद में बवाल करा दिहलन

माकपा के सांसद मोहम्मद सलीम आजु लोकसभा में चलत असहिष्णुता पर चरचा का बीच एगो गलतबयानी क के माहौल गरमा दिहलन. उनुका गलत बयान पर गृहमंत्री तुरते विरोध जतावत कहलन कि या त सांसद आपन बयान के सचाई साबित करसु ना त माफी माँगसु. राजग के सांसदो लोग एह बात ला सलीम के खिलाफ आवाज … Read more

 239 total views

आजु अधरितया से पेट्रोल आ डीजल सस्ता हो जाई

आजु सोमार के अधरतिया से देश भर में पेट्रोल आ डीजल के दाम कम हो जाई. बतावल जात बा कि पेट्रोल 58 पइसा हर लीटर पर आ डीजल 25 पइसा हर लीटर पर सस्ता हो जाई.  270 total views

 270 total views

प्रोमोशनो में आरक्षण देबे के माँग कइली बीएसपी सुप्रीमो मायावती

आजु राज्यसभा में सांसद आ बसपा सुप्रीमो मायावती कहली कि दलितन आ जनजातियन के सरकारी आ निजी दुनू क्षेत्र में प्रोमोशनो में आरक्षण के सुविधा दीहल जाव. संगही संगे सवर्णो लोग के रिझावे खातिर कहली कि गरीब सवर्णनो के आर्थिक आधार पर आरक्षण मिले के चाहीं. जानते बाड़ी कि अइसन होखे वाला नइखे त बाँग … Read more

 341 total views

सरकार अब से ना बताई कि पुलिस में कतना मुसलमान

केन्द्र सरकार फैसला कइले बिया कि अब से पुलिस महकमा में मुसलमानन के गिनती के आंकड़ा जाहिर ना कइल जाई. बरीस 1999 में राजगे का सरकार का समय एह आंकड़ा के जारी करे के फैसला लीहल गइल रहुवे. खास बात बा कि एह तरह के आंकड़ा खाली मुसलमानने का बारे में दीहल जात रहुवे. दोसरा … Read more

 261 total views

तेजस्वी यादव राजद विधायक दल के नेता बनले

लालू प्रसाद आखिरकार अपना परिवार के मसला सलटाइए लिहलन आ तेजस्वी यादव के राजद विधायक दल के नेतो बना दिहलन. लालू प्रसाद अपना पारिवारिक संपति राजद पर केहू दोसरा के हक कबो ना होखे दे सकसु. अबकी परिवारे में तय ना हो पात रहुवे कि केकरा के विधायक दल के नेता बनावसु. तेजस्वी के बड़ … Read more

 311 total views

बिहार के दू सौ पटेल गुजरात के जेल भर दीहें

गुजरात के बवाली नेता हार्दिक पटेल के समर्थन में बनल बिहार के अखिल भारतीय पटेल नवनिर्माण सेना के दू सौ लोग गुजरात जा के गिरफ्तारी दी आ गुजरात के जेल भर देेबे के कोशिश करी. संगठन के बिहार प्रदेश अध्यक्ष राजीव रंजन पटेल के कहना बा कि मुख्यमंत्री नीतीशे कुमार देश भर के लव-कुश वंशजन … Read more

 287 total views

श्रद्धांजलि का साथे शुरु भइल विधान मंडल के बइठक

बिहार विधानसभा के जाड़ावाला सत्र आजु शुरु हो गइल. सबसे पहिले राज्यपाल रामनाथ कोविंद कांग्रेस के पुरनिया विधायक सदानंद सिंह के प्रोटेम स्पीकर पद के किरिया धरवलें आ ओकरा बाद स्पीकर सदानंद सिंह राज्यपाल के धन्वाद दिहलन. एकरा बाद नयका विधायकन के अभिनंदन करत सत्र के शुरुआत कइल गइल. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बहुमत पावे … Read more

 313 total views

टिकट चेकिंग ना क के अब सवारियन के दख भाल करीहें रेलवे के टीटीई

रेलमंत्रालय के योजना बा कि टीटीई के नया बहाली पर रोक लगा दीहल जाव आ जे पहिले से टीटीई बा ओह लोग के सवारियन के सुख-सुविधा देखे का काम में लगा दीहल जाव. एह फैसला का खिलाफ रेलवे के यूनियन सभ एह बात के विरोध करत बाड़ी सँ. सातवा वेतन आयोग के रपट में टीटीई/टीसी, … Read more

 260 total views

दुर्घटना में मौत भइला पर अधिका मुआवजा दीहल जाव

एगो सड़क हादसा में भइल मौत के दू गो ट्रक ड्राइवरन के साझा गलती मानत हाई कोर्ट बीमा कंपनी से मिले वाला मुआवजा आधा क दिहले रहुवे. बाकिर एगो ड्राइवर के पत्नी के गोहार सुनत सुप्रीमकोर्ट हाईकोर्ट के कटौती रद क दिहलसि आ बीमा कंपनी के पूरा मुआवजा देबे के आदेश दे दिहलसि. एह हादसा … Read more

 270 total views

गोपालगंज में दू लाख के नकदी आ बाइक लूटाइल

गोपालगंज जिला में नेशनल हाईवे 28 पर सिधवलिया थाना के बरहिमा मठिया गांव का नियरा कुछ बदमाश असलहा देखा के सिवान जिला के एगो हार्डवेयर व्यवसायी से दू लाख रुपिया के नकदी आ ओकर बाइक लूट लिहले. घटना क के अपराधी आराम से निकल गइलें आ पुलिस कवनो के गिरफ्तार नइखे कर सकल.  308 total views

 308 total views

बिहार विधानमंडल के बइठका खातिर चउकस पुलिस व्यवस्था

16वां बिहार विधानसभा के पहिला सत्र खातिर पुलिस के चउकर इतजाम करावल गइल बा. विधान सभा भवन के एक किलोमीटर का दायरा में धारा 144 लगा दीहल गइल बा. मुख्य द्वार से बिना पास वाला कवनो वाहन के भीतर ना जाए दीहल जाई. विधायक आ विधानपार्षदो लोग के वाहन के जाँच कइल जाई. विधायक लोग … Read more

 225 total views

सोनपुर में पेट्रोल पंप से 10 लाख लूटाइल

महागठबन्हन का राज में सोनपुर मेला के पुलिस व्यवस्था के ठेंगा देखावत थोड़िके दूर पर पहलेजा घाट चौकी इलाका के गोविंदचक में अतवार के साँझ बाइक से आइल दू गो लुटेरा पेट्रोल पंप से करीब दस लाख रुपिया लूट ले गइलें. घटना के जानकारी मिलला का बाद पुलिस चहुँपल बाकिर कुछ सुराग ना मिल सकल … Read more

 252 total views

तस्करन के पीछा करत नेपाल सीमा में घुसल 13 गो एसएसबी जवान गिरफ्तार

बिहार से तस्करन के पीछा करत भारत के सशस्त्र सीमा बल के तेरह गो जवान अतवार का भोर में नेपाल के सिवान पार क गइलें त ओहनी के नेपाल के सशस्त्र प्रहरी गिरफ्तार कर लिहलसि बाकिर दिन भर रखला का बाद साँझ बेरा रिहो क दिहलसि. ई घटना दू देश के बीच के मामिला होखला … Read more

 345 total views

दरौली पीपा पुल चालू हो गइल

बिहार आ यूपी के जोड़े वाला खरीद दरौली पीपा पुल बन के तइयार हो गइल बा आ काल्हु अतवार का दिन से एह पर दुपहिया वाहनन के आवाजाही शुरु हो गइल. घाघरा नदी पर बनल ई पीपा पुला बलिया के खरीद के सिवान जिला के दरौली से जोड़ेला. पुल ना रहला से या त लोग … Read more

 277 total views

ददरी मेला में राजा के हरा के टारजन जीत गइल

काल्हु बलिया के मशहूर ददरी मेला के पहिलका अतवार रहुवे आ मेले देखे आइल बड़हन भीड़ का बीच घुड़दौड़ के चेतक प्रतियोगिता करावल गइल. एह प्रतियोगिता में आजमगढ़ के इरशाद अहमद के घोड़ा टारजन पहिला नंबर पर आइल आ बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के रोमा बाबू के घोड़ा दुसरका नंबर पर आइल. मुजफ्फरेपुर के हरवंश … Read more

 278 total views

यूपी पंचायत चुनाव के दुसरका दौर काल्हु मंगल का दिने

यूपी में चलत पंचायती चुनाव के दुसरका दौर के मतदान काल्हु मंगल 1 अक्टूबर का दिने डालल जाई. एह दौर में कुल्ह 202 ब्लाॅक के मतदाता अपना अपना इलाका के परधान आ पंचायत सदस्यन के चुनाव करीहें. पहिलका दौर में भइल कुछ घटनन के देखत काल्हु मतदान केन्द्र का भीतर पानी भा दोसर कवनो द्रव्य … Read more

 331 total views

पीवी सिंधु खिताबी जीत के हैट्रिक लगवली

बैडमिंटन के खेल में भारत के माथ महिला खिलाड़ी पीवी सिंधु अतवार का दिने भइल मकाऊ ओपन ग्रां प्री टूर्नामेंट में जापान के खिलाड़ी मिनात्सु के 21-9, 21-23, आ 21-14 से हरा के खिताब पर लगातार तिसरका साल कब्जा क लिहली आ जीत के हैट्रिक लगा दिहली. मैच 1 घंटा 6 मिनट ले चलल रहे … Read more

 282 total views

अंडर 19 के क्रिकेट सीरीज भारत जीत गइल

कोलकाता के इडेनगार्डेन मैदान में भइल अंडर 19 के फाइनल मुकाबला में भारत के टीम काल्हु बांगलादेश के टीम के सात विकेट से हरा के सीरीज जीत लिहलसि. एह सीरीज में तीन गो देश के टीम खेलत रहली सँ. बांगला देश के टीम टाॅस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे उतरल आ 36.5 ओवर में महज … Read more

 320 total views

सीरिया पर बमबारी कइलसि रुस

आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट का खिलाफ चलावल जात अभियान में काल्हु रुस के वायु सेना विद्रोहियन के कब्जा वाला अरिहा शहर प बमबारी कइलसि. कुछ बम भीड़भाड़ वाला बाजारो पर गिरली सँ. एह हवाई हमला में नाहियो त चालीस लोग के जान चल गइल बाकिर एह बारे में कवनो आधिकारिक सूचना जारी नइखे भइल. सीरिया … Read more

 299 total views

प्रेम कुमार नेता चुनइलें बाकिर सुमो के मलाई मिलत रही

बिहार विधानसभा चुनाव में हार मिलला का बाद आजु भाजपा एगो बड़हन फैसला लेत गया से सात बेर चुनाव जीत चुकल विधायक प्रेम कुमार के भाजपा विधायक दल के नेता चुन लिहलसि। बाकिर असली जीत मिलल सुशील मोदी के जे कबो चुनाव मैदान में ना उतरलन। आजुके फैसला से सुमो अपना विरोध में रहेवाला नन्द … Read more

 295 total views