सीतलपुर बाजार के युवा नेता अभय राय के हत्या के गुत्थी पुलिस सझुरा लिहलसि
कुछ दिन पहिले दिघवारा में भइल अभय राय के हत्या के मामिला सझुरावत पुलिस पाँच गो आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. हत्या के हथियार, अभय राय के मोबाइल, कपड़ा वगैरहो बरामद हो गइल बा. पुलिस अब धराइल आरोपियन से पूछताछ क के अउरीओ अपराधियन के पता लगावे में लागल बिया. अभय राय के लाश के गैस से चलावल जाए वाला आरी से तीन टुकड़ा कइल गइल रहे. वैशाली जिला के अनवर एह मामिला में असल अपराधी बा जे कुछ दिन पहिले से सीतलपुर बाजार में भाड़ा के घर में रहत रहुवे.
375 total views, 2 views today