web analytics

छपरा में सड़क हादसा में दू जने के मौत

काल्हु शनिचर के दुपहरिया छपरा भगवान बाजार इलाका के गुदरी मेन रोड पर एगो बेकाबू ट्रक एगो मोटरसाइकिल सवार के कचार दिहलसि जवना से ओकर मौत ओहिजे हो गइल. मरे वाला आदमी नैनी गांव के रहुवे. हादसा का बाद ट्रक ड्राइवर गाड़ी ले के भाग निकलल. बाद में खिसियाइल लोग रास्ता से गुजरत दर्जनो ट्रक शीशा फोड़ दिहलें. पुलिस लाश के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि बाकिर लोग देर रात ले जाम लगवले राखल.
एगो दोसरा हादसा में गड़खा इलाका के आलोनी बाजार का नियरा एगो पिकअप वैन के टक्कर से लहुलहान हो गइल तरैया के एगो नवही के लोग गड़खा पीएचसी चहुँपावल बाकिर ओकर मौत ना रोकल जा सकल. ओकरा लगे मिलल मोबाईल से बात कइला पर ओकरा ससुराल वालन से बात भइल आ ओकर पहचान पता लाग सकल. मरेवाला नौवा गाँव के रहे जे लुधियाना में प्राइवेट नौकरी क के आपन परिवार पोसत रहुवे.

 401 total views,  2 views today

%d bloggers like this: