web analytics

बिहार विधानसभा चुनाव के चउथा दौर पूरा हो गइल आजु

आजु अतवार का दिने चउथा दौर में बिहार के सात जिला के 55 गो सीट ला चुनाव पूरा हो गइल. कुल वोटिंग करीब 58 फीसदी रहल. सबले अधिका 59.96 फीसदी वोट पूर्वी चंपारण जिला में आ सबले कम 54.31 फ़ीसदी वोटिंग सिवान जिला में भइल. आजुओ के वोट में मेहरारुवन के जोशो खरोश देखे जोग रहल.

पिछला विधानसभा चुनाव में जेडीयू से मिल के लड़ल भाजपा एह 55 में से 26 गो सीट जीतले रहुवे. 24 सीट जदयू के मिलल रहुवे. राजद के महज दू गो निर्दलियन के तीन गो सीट हासिल भइल रहुवे. बाकिर अबकी के माहौल बदलल बा. पिछला बेर के संघतिया अबकी दुश्मन बाड़े आ पिछला दुश्मन संघतिया बन गइल बाड़ें. पिछला बेर आमने सामने लड़ल जदयू आ राजद अबकी कांग्रेस के मिला के महागठबंधन बनवले बा.

चउथा दौर के खतम होखला का साथही बिहार के कुल 186 सीटन के फैसला ईवीएम मशीनन में बंद हो चुकल बा आ बाकी बाचल 57 सीटन पर पाँच तारीख के वोट डालल जाई. ओही दिन साँझे से टीवी चैनल बाझ जइहें अटकर पचीसा खेले में. काहे कि अबकी के बिहार चुनाव देश खातिर टर्निंग प्वायंट बने जात बा. भाजपा जीतो भा हारो देश पर आ देश का राजनीति पर एकर बड़हन असर पड़े वाला बा. सट्टेबाज त तय कर चुकल बाड़ें कि बिहार में भाजपा के सरकार बने जात बावे बाकिर जब ले वोट गिना ना जाव तबले कुछ कहल मुश्किल बा.

 335 total views,  2 views today

%d bloggers like this: