काल्हु अधरतिया से तेल कंपनी पेट्रोल के दाम में पचास पइसा हर लीटर पर कमी क दिहले बाड़ी सँ बाकिर डीजल के दाम में कवनो कमी नइखे कइल गइल. दुनिया के बाजार में आवत कच्चा तेल के दाम में गिरावट का चलते एक कटौती के गुंजाइश बन गइल रहे. पेट्रोलियम कंपनी सभ हर पन्दरहिया कच्चा तेल के अंतरराष्ट्रीय दाम देखत घरेलू बाजार ला ईंधन के दाम तय करेली सँ.
254 total views, 5 views today