web analytics

पंचायत चुनाव में यूपी के मंत्रियन के अनेके रिश्तेदारन के हार

यूपी पंचायत चुनाव में सरकार चलावत सपा के अनेके मंत्रियन के रिश्तेदारन के हार के मुँह देखे के पड़ल बा जवन सपा खातिर चिन्ता के बात लागत बा. बूथ कब्जा करे के आरोपी तोताराम यादव के हालत अतना पतरा गइल कि ऊ कवनो गिनिती में नइखन मानल जात.
आज सबेरे ले क्षेत्र पंचायत के 77,576 में से 67,754 वार्ड के नतीजा आ गइल रहुवे बाकिर जिला पंचायत सदस्यन के 3,112 पद में से मुश्किल से तीन सौ नतीजा सोझा आइल बा. एह बीच जिला पंचायत के 18 गो सदस्य निर्विरोध चुनाइल बाड़ें आ मुस्लिम राजनीति करे वाला ओवैसी के गोल चार गो सीट जीत लिहले बावे.
उमेद बा कि आजु सगरी परिणाम निकल जाई.

 277 total views,  2 views today

%d bloggers like this: