web analytics

नब्बे चूहा खा के बिलाई तीरथ करे निकलल

अपना एगो नेता, इन्दिरा गाँधी, के खून का बदले सिक्ख नरसंहार करे वाली कांग्रेस अब कांग्रेस सहनशील बने के सीख दीहल शुरु कइले बिया. कांग्रेसी आजु अपना मलिकार महतारी बेटा – सोनिया गांधी अउर राहुल गांधी – के अगुआई में दिल्ली में मार्च करे वाली बिया. ओकर कहना बा कि देश में सहनशीलता खतम होखे लागल बा आ एही पर चिन्ता जतावे ला कांग्रेसी आजु संसद से राष्ट्रपति भवन ले मार्च करीहें.
अलग बात कि सहनशीलता के कमी के हालात अइसन बा कि मीडिया के लोग, मुट्ठी भर साहित्यकार, कलाकार, वैज्ञानिक गरदन फाड़ फाड़ के चिल्लात बाड़ेे आ कहत बाड़ें कि उनकर सुनल नइखे जात. इहे सगरी लोग कबो कांग्रेस के लगावल आपातकाल आ सिक्ख नरसंहार के खिलाफ चूं त क ना कइल आ इन्दिरा के जमाना में विरोध करे वालन के जेल में डाल दीहल जात रहे. मीडिया के मुंह पर ताला मार दीहल जात रहुवे. आज अइसन कुछो नइखे होत बाकिर एह लोग के चिल्लाइल खतम होखे के नाम नइखे लेत.

 309 total views,  5 views today

%d bloggers like this: