web analytics

माई के माँस खाइल कबो जायज ना हो सके

सपा मुखिया मुलायम सिंह के छोटकी पतोहु अपर्णा यादव एगो ट्वीट क के कहले बाड़ी कि गाय हमनी के माई जइसन हई आ माई के मांस खाइल कवनो तरह से जायज ना कहल जा सके.
अपर्णा यादव लिखले बाड़ी कि उनकर मकसद कवनो मजहब पर कमेंट ना हो के आपन भावना जतावे के बा. गरीबन का बीच गाय काटे का नाम पर आग लगावे वाला ई लोग उहे अमीर ह जे अपना थरिया में गोमांस परोसेला. लिखले बाड़ी कि अगर अमीरन के पइसा से एही तरह लोग गाय के मांस खाई त हिन्दुस्तान के तालिबान बने से रोकल ना जा सकी.

 371 total views,  2 views today

%d bloggers like this: