web analytics

सोना के सिक्का जारी कइलन पीएम मोदी

बियफे का दिने पीएम मोदी सोना से जुड़ल तीन गो नया योजना के शुुरूआत कइलन. सरकार चाहत बिया कि घर का भीतर राखल सोना के बाहर निकाल के उद्यम में लगावल जाव. अंदाजा बा कि देश में नाहियो त बीस हजार टन सोना आम आदमी के घर में राखल बा. एगो योजना में एह सोना के बैंक में राख के ओकरा पर 2.5 फीसदी ब्याज कमाइल जा सकी. दोसर योजना में लोग सोना के बांड खरीद सकी जवना पर 2.75 फीसदी के ब्याज मिली. आजुए आजादी का बाद पहिला बेर केन्द्र सरकार का तरफ से सोना के सिक्का आ गिल्ली के विमोचन कइल गइल. एह सिक्कन पर एक तरफ अशोक चक्र त दोसरा तरफ महात्मा गाँधी के चित्र अंकित रही. सिक्का 5 ग्राम भा 10 ग्राम के रही आ गिल्ली 20 ग्राम के. एह सिक्कन आ गिल्ली के एम एम टी सी के 125 केन्‍द्रन से बेचल जाई.

 240 total views,  5 views today

%d bloggers like this: