web analytics

सरकार के नीति मीडिया के सुर्खी बटोरे ला ना होखे

पीएम मोदी शुक का दिने दिल्ली आर्थिक सम्मेलन के उद्घाटन करत कहलन कि उनकर सरकार बनला का बाद से भारत के अर्थव्‍यवस्‍था बेहतर तरीका से काम करत बिया आ एकर संकेत सगरी बड़का आर्थिक संकेतक से मिलत बा. कहलन कि सकल घरेलू उत्पाद बढ़ल बा आ महँगाई काबू में बिया. कहलन कि सरकार के नीतियन के मकसद अखबार के सुर्खी बटोरे ला ना होखे आ एकर मकसद होला आम आदमी के जिनिगी के हालात सुधारे के.

पीएम मोदी कहलन कि लोग के जीवन स्तर बेहतर बनावे खातिर आर्थिक सुधार समहर के धेयान में राखत होखे के चाहीं आ एकर फायदा सभका मिले के चाहीं. प्रधानमंत्री कहलन कि हमनी के नौकरी खोजे वाला देश का बजाय नौकरी देबे वाला देश बनला के जरूरत बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: