web analytics

अदालत पूछलसि कि छठ पूजा में सेलिब्रिटी के का जरूरत

मुंबई में छठ पूजा का मौका पर जुहू बीच पर एगो कार्यक्रम आयोजित करे खाति बिहारी फ्रंट नाम के संगठन के अनुमति दिहला का बाद प्रशासन एह आयोजन में कवनो सेलिब्रिटी के बोलावे पर रोक लगा दिहले बावे. एकरा बाद बिहारी फ्रंट शिकायत ले के अदालत चहुँपल त अदालत से सवाल सुने के मिलल कि आखिर छठ पूजा में कवनो सेलिब्रिटी के बोलवला के जररत का बा.
फ्रंट के कहना बा कि ऊ केकरा के बोलावत बा आ केकरा के ना एह पर सवाल ना उठावल जा सके. कहलसि कि लोकसभा स्पीकर रहल मीरा कुमार के बोलावल गइल बा आ ऊ खुद एह पूजा में शामिल होखल चाहत बाड़ी. आ प्रशासन का लगे कवनो अइसन जायज कारन नइखे जवना से ऊ एह पर रोक लगा सके.

 360 total views,  5 views today

%d bloggers like this: