बिहार के पाँचवा बेर मुख्यमंत्री बने जात नीतीश कुमार छठ का पहिले मुख्यमंत्री पद के किरिया ले सकेलें. बाकिर सुने में आवत बा कि लालू प्रसाद के परिवार में भनभन शुरु हो गइल बा. लालू के दुनू बेटा विधायक बन गइल बाड़ें आ बेटी मीसा भारती लोकसभा चुनाव हरला का बावजूद राजनीतिक आकाक्षा पोस के बइठल बाड़ी. गठबन्हन के सबले बड़का दल होखला का नाते मुख्यमंत्री राजदे से होखे के चाहीं एह तरह के बात सुने में आवत बा. वइसे जवन समझौता सामने बावे तवना हिसाब से जदयू के 14 गो, राजद के 16 गो, आ कांग्रेस के 5 गो मंत्री रहीहें. उपमुख्यमंत्री पद पर केहू रही कि ना से अबहीं तय नइखे भइल बाकिर राजनीतिक गपशप का हिसाब से उपमुख्यमंत्री बनावल जाई आ ऊ लालू के परिवारे से केहू होखी.
464 total views, 2 views today