Go to ...
RSS Feed

सोनिया गाँधी कहली कि सगरी कांग्रेस विधायक अजय राय का साथे बिया


रासुका में गिरफ्तार वाराणसी के कांग्रेसी विधायक अजय राय के पत्नी रीना राय सोमार का दिने सोनिया गाँधी से भेंट क के अजय राय के रिहा करवावे के निहोरा कइली. उनुका साथे मीरजापुर मड़िहान के विधायक ललितेशपति त्रिपाठीओ रहलन.
सोनिया गाँधी कहली कि राजनीतिक बदला लेबे खातिर कानून के ई दुरुपयोग कांग्रेस ला चिंता आ चुनौती के बात बा, कहली कि एह मुद्दा पर सगरी कांग्रेस अजय राय का साथे बिया.

Tags: , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: