web analytics

मोबाइल के व्यवसायी के घरे ले चहेट के लूट लिहले सँ

सिवान शहर के पाल नगर के रहेवाला एगो व्यवसायी के दुकान दरबार मार्केट में आरोही मोबाइल के नाम से बा. धनतेरस का रात जब ऊ दुकान बंद क के निकललन त एगो मोटरसाइकिल से आइल दू गो बदमाश उनका के चहेट लिहलन स आ घर का सोझा चहुँपत चहुँपत उनका हाथ से रुपिया वाला थैला छीन ले गइले सँ. लोग के डेरावे खातिर दू गो फायरो झोंक दिहले सँ बदमाश.
लूटइला का बाद व्यवसायी ई बतावे ला तइयार नइखन कि झोला में कतना रुपिया रहुवे. व्यवसायी अपना बगल के दुकानदार से मोटरमाइकिल मांग के चलल रहलें आ उनकर स्टाफ चलावत रहुवे. जइसहीं बदमाश लगे चहुँपले सँ तइसहीं स्टाफ मोटरसाइकिल छोड़ के भाग पराइल आ दुकानदार लूटा गइलन.
पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया.

 352 total views,  5 views today

%d bloggers like this: